Jump to content

फुट (इकाई)

विकिपीडिया से
फुट
Unit systemइंपीरियल
Unit ofलंबाई
Symbolft
Unit conversions
1 ft in ...... is equal to ...
   इंपीरियल इकाई   1/3 गज
12 इंच
   मीटरी (SI) इकाई   0.3048 मी

फुट (बहुवचन: फिट या फीट; अंग्रेजी:Foot/Feet) दूरी नापे के एगो इकाई हवे। ई ईकाई पुराना इंपीरियल ब्रिटिश सिस्टम, या अमेरिकी पुराना सिस्टम के तहत दूरी (आ लंबाई) नापे के प्रमुख इकाई हवे। अंतर्राष्ट्रीय परिभाषा अनुसार एकरा के 0.3048 मीटर के बराबर घोषित कइल गइल बा।

एक फुट के बारह हिस्सा में बाँटल जाला अ हर हिस्सा इंच कहाला, जबकि तीन फीट के दूरी के एक गज (यार्ड) कहल जाला। भारत, नेपाल वगैरह देस सभ में अभिन भी कई कामन में एही इकाई के चलन बहुत बा, हालाँकि बैज्ञानिक नाप-तौल में अब मीटरी सिस्टम के इस्तेमाल होला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]