Jump to content

नापजोख

विकिपीडिया से
Four measuring devices having metric calibrations

नापजोख, नाप-जोख, नाप-तउल, चाहे खाली नाप (अंग्रेजी: measurement) कौनों भौतिक चीज चाहे घटना के कौनों गुण के संख्या में बतावे के प्रक्रिया/बिधी ह।[1][2] मूल रूप से ई तुलना[नोट 1] करे के काम ह जे में एगो इस्टैंडर तय क लिहल जाला आ ओकरा से तुलना क के चीजन के गुण के संख्या भा गिनती में बतावल जाला। उदाहरण खातिर हर चीज में कुछ न कुछ लंबाई होला, बाक़ी ऊ चीज केतना लमहर बाटे ई बतावे खातिर कौनों पहिले से तय लंबाई से ओकर तुलना करे के पड़ी। अइसन पहिले से तय लंबाई मीटर हो सके ला, फुट हो सके ला। एहिजे मीटर चाहे फुट के पैमाना ह जेकर लंबाई पहिले से मान लिहल गइल बाटे।

एह तरीका से नापजोख के एह क्रिया में तीन चीज होला - 1. भौतिक गुण जेकरा के नापे के बा (लंबाई, वजन, आयतन इत्यादि), 2. पहिले से तय कइल (मानल) मात्रा जवना से तुलना कइल जाई (1 मीटर, 1 किलोग्राम, 1 लीटर इत्यादि), आ 3. तुलना क के पैमाना अनुसार गुण के बतावल (नापे त उले के क्रिया)।

नोट[संपादन करीं]

  1. तुलना शब्द खुदे तउले वाल अरथ वाला हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Pedhazur, Elazar J.; Schmelkin, Leora and Albert (1991). Measurement, Design, and Analysis: An Integrated Approach (1st ed.). Hillsdale, NJ: Lawrence Erlbaum Associates. pp. 15–29. ISBN 978-0-8058-1063-9.
  2. International Vocabulary of Metrology – Basic and General Concepts and Associated Terms (VIM) (PDF) (3rd ed.). International Bureau of Weights and Measures. 2008. p. 16.