पिट्टा

विकिपीडिया से
पिट्टा
नीला पिट्टा
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
ऑर्डर (Order): सौरिशिया
सबऑर्डर: थेरोपोडा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): पासरिफ़ार्मेस
Suborder: Tyranni
Infraorder: Eurylaimides
परिवार: Pittoidea
Swainson, 1831
परिवार: {{{1}}}
Swainson, 1831
Genera

पिट्टा उष्णकटिबंधीय एशियाऑस्ट्रेलिया के पैसराइन चिरई सभ के परिवार हवे जवना के पिट्टीडाई (Pittidae) के नाँव से जानल जाला। इनहन के कुछ प्रजाति अफिरका में भी पावल जालिन। पिट्टा सभ, आमतौर पर एकही नियर आकार-प्रकार आ रंगरूप अउरी आदत वाला होलें। सन् 2009 में इन्हन के तीन गो जाति (genus) में बाँटल गइल। Pitta जीनस, ErythropittaHydrornis पिट्टा नाँव, भारत के आंध्रप्रदेश में बोलल जाये वाली भाषा तेलुगु में हवे जवन सभ जगह प्रचलित हो गइल। पिट्टा के आकार आमतौर पर 15 से 25 सेमी (5.9–9.8 इंच) लंबाई वाला, बड़हन गोलाई वाला (stocky), आ लंबा टांग वाला होलें। इनहन के पोंछ बहुत छोट होले। सगरी त ना, बाकी अधिकतर पिट्टा सभ चमकीला रंग के होलें।[1]

आमतौर पर इ चिरई जंगल के निचला हिस्सा, जमीन के नजदीक, में रहे ली।[1] इन्हन के कई ठे प्रजाति माइग्रेटरी (सीजन के हिसाब से एक जगह से दूसर जगह प्रवास करे वाली) भी होलीं।

पिट्टा के कई ठो प्रजाति बिलुप्त होखे के कगार पर भी बाड़ी। इन्हन में Gurney's pitta, के आइयूसीएन के लाल सूची में खतरा में की श्रेणी में रखल गइल बाटे।[2] अउरी आठ गो प्रजाति खतरा के संभावना वाली (vulnerable) भी बतावल गइल बाड़ी।[3] जंगल के तेजी से भइल बिनास इन्हन के आवास में कमी कइले बाटे, जवन इन्हन के ऊपर खतरा के मूल कारण बनल बा।

प्रजाति सभ के लिस्ट[संपादन करीं]

भारतीय पिट्टा या नवरंग
ब्लू हेडेड पिट्टा, नर बायें आ मादा दहिने, ई प्रजाति बोर्नियो में पावल जाले आ खतरा में बा।
Hydrornis
Erythropitta
Pitta

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 McClure, H. Elliott (1991). Forshaw, Joseph (ed.). Encyclopaedia of Animals: Birds. London: Merehurst Press. pp. 159–160. ISBN 1-85391-186-0.
  2. BirdLife International (2008). "Gurney's Pitta Pitta gurneyi". IUCN Red List. IUCN. Retrieved 7 मई 2009.
  3. BirdLife International (2008). "Pittidae". Data Zone. Retrieved 7 मई 2009.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]