कचनकवल
Appearance
(पथरिया, नेपाल से अनुप्रेषित)
कचनकवल | |
---|---|
Coordinates: 26°25′53″N 88°02′00″E / 26.431521°N 88.033213°Eनिर्देशांक: 26°25′53″N 88°02′00″E / 26.431521°N 88.033213°E | |
देस | नेपाल |
प्रदेश | कोशी प्रदेश |
जिला | झापा |
मुख्यालय | बनियानी |
अस्थापना | मार्च 2017 |
Area | |
• Total | 109.45 किमी2 (42.26 बर्ग मील) |
Population (2011) | |
• Total | 39,535 |
• Density | 360/किमी2 (940/बर्ग मील) |
भाषा | |
• ऑफिशियल | नेपाली भाषा |
Time zone | UTC+5:45 (नेपाल समय) |
डाक कोड | 57200 |
Website | Official website |
कचनकवल नेपाल के कोशी प्रदेश के झापा जिला में एगो गाँवपालिका बा। एह गाँवपालिका के अस्थापना नाया बिभाजन में, पहले के घेराबारी, केचना, पथरिया, पाठामारी, बनियानी आ बालुबाड़ी गाविस सभ के आपस में बिलय क के कइल गइल बा। वर्तमान में एह गाँवपालिका के सात गो वार्ड में बाँटल गइल बा।
भूगोल
[संपादन करीं]एह गाँवपालिका के अवस्थिति (लोकेशन) नेपाल के झापा जिला में सभसे दक्खिनी-पूरबी कोना पर बा आ एकरे दक्खिन आ पुरुब में भारत देस पड़े ला जबकि एकरे पच्छिम ओर बह्रदशी गाँवपालिका आ उत्तर में हल्दिवारी गाँवपालिका बाटे।
ई गाँवपालिका एक तरह से मैदान आ पहाड़ के मिले वाला हिस्सा में हवे।
जनसंख्या
[संपादन करीं]कचनकवल गाँवपालिका के कुल जनसंख्या, 2011 के आँकड़ा अनुसार, 39,535 रहल आ एकर रकबा 109.45 वर्ग किलोमीटर रहल।
पहिले के गाविस सभ
[संपादन करीं]- घेराबारी
- केचना
- पथरिया
- पाठामारी
- बनियानी
- बालुबाड़ी
संदर्भ
[संपादन करीं]ई नेपाल के भूगोल-संबंधी लेख कौनों जगह या क्षेत्र के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |