निगार शाजी

विकिपीडिया से
निगार शाजी
जनमसेनगोट्टई, तेनकासी, तमिलनाडु
शिक्षाएमटेक (इलेक्ट्रानिक्स)
महतारी संस्थाबिड़ला इन्स्टीट्यूट ऑफ़ टेक्नालॉजी, राँची
पेशाअंतरिक्ष बैज्ञानिक
Organizationसतीश धवन स्पेस सेंटर, यू आर राव सैटेलाइट सेंटर, इसरो (ISRO)
परसिद्धि के कारनप्रोजेक्ट डाइरेक्टर, आदित्य-एल1

निगर शाजी एगो भारतीय अंतरिक्ष वैज्ञानिक बाड़ी जे भारत के राष्ट्रीय अंतरिक्ष एजेंसी इसरो में बैज्ञानिक के काम करे ली। शाजी भारत के पहिला सुरुज मिशन आदित्य-एल 1 के प्रोजेक्ट डायरेक्टर बाड़ी।[1][2][3][4]

शुरुआती जिनगी आ पढ़ाई-लिखाई[संपादन करीं]

शाजी के परवरिश तमिलनाडु के तेनकासी जिला के सेंगोट्टाई[5] में भइल।[2] सेंगोटाई सरकारी उच्च माध्यमिक विद्यालय में अंग्रेजी मीडियम से शिक्षा प्राप्त कइली।[5] मदुरै कामराज विश्वविद्यालय में पढ़ाई कइली, जहाँ ऊ इलेक्ट्रॉनिक्स आ कम्युनिकेशन में इंजीनियरिंग के डिग्री हासिल कइली, आ आगे चल के बीआईटी रांची से इलेक्ट्रॉनिक्स में मास्टर्स के डिग्री हासिल कइली।[2]

कैरियर[संपादन करीं]

शाजी 1987 में यूआर राव सैटेलाइट सेंटर के हिस्सा के रूप में इसरो से जुड़ली।[2] ऊ कई गो उपग्रह कार्यक्रम सभ पर काम कइले बाड़ी, आ रिसोर्ससैट-2ए के एसोसिएट प्रोजेक्ट डाइरेक्टर रहली।[2]

निजी जिनगी[संपादन करीं]

शाजी अपना माई आ बेटी के संगे बंगलौर में रहेली।[2] उनकर पति दुबई में काम करेले, आ उनकर बेटा नीदरलैंड में वैज्ञानिक बाड़न।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Meet Nigar Shaji, a woman ISRO scientist who helmed Aditya-L1 mission". The Economic Times. Retrieved 2023-09-02.
  2. 2.0 2.1 2.2 2.3 2.4 2.5 2.6 "Meet Nigar Shaji, The Project Director Of India's First Sun Mission: 5 Points". NDTV.com. Retrieved 2023-09-02.
  3. "ISROs Aditya-L1 Solar Mission: Nigar Shaji Addresses After Successful Launch Of First Sun Mission". Zee News (अंग्रेजी में). Retrieved 2023-09-02.
  4. "Meet The Project Director Of Ambitious Mission Aditya-L1| Nigar Shaji from Tamil Nadu". TimesNow (अंग्रेजी में). 2023-09-02. Retrieved 2023-09-02.
  5. 5.0 5.1 "Meet Nigar Shaji from TN's Tenkasi, Aditya-L1 mission project director". The New Indian Express. Retrieved 2023-09-02.