धर्मशाला, हिमाचल प्रदेश

विकिपीडिया से
धर्मशाला
शहर
ऊपर से घड़ी के सुई के दिसा में: स्काईलाइन, त्रियुंड, कालचक्र मंदिर, क्रिकेट स्टेडियम, भागसूनाग मंदिर, आ जाड़ा में मैकलोड गंज
धर्मशाला is located in Himachal Pradesh
धर्मशाला
धर्मशाला
हिमाचल प्रदेश में लोकेशन
धर्मशाला is located in India
धर्मशाला
धर्मशाला
भारत में लोकेशन
Coordinates: 32°12′55″N 76°19′07″E / 32.21528°N 76.31861°E / 32.21528; 76.31861निर्देशांक: 32°12′55″N 76°19′07″E / 32.21528°N 76.31861°E / 32.21528; 76.31861
देश भारत
राज्यहिमाचल प्रदेश
जिलाकांगड़ा
Area
 • Total27.60 किमी2 (10.66 बर्ग मील)
Elevation
1,457 m (4,780 ft)
Population
 (2015)[1]
 • Total62,596
 • Rank2सरा, हिमाचल में
 • Density2,300/किमी2 (5,900/बर्ग मील)
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
176 215
फोन कोड+91-01892
Vehicle registrationHP- 39 (RLA), 68 (RTO), 01D/02D (Taxi)
Websiteedharamshala.in

धर्मशाला भारत के हिमाचल प्रदेश राज्य के शीतकालीन राजधानी [2] [3] हवे। ई 18 किमी दूर स्थित शहर कांगड़ा से 1855 में स्थानांतरित कइला के बाद कांगड़ा जिला के प्रशासनिक मुख्यालय के रूप में काम करे ला।

भारत के "स्मार्ट सिटीज मिशन" के तहत स्मार्ट सिटी के रूप में विकसित होखे वाला भारत के सौ शहर में से एगो के रूप में ए शहर के चुनल गइल बा।[4] 19 जनवरी 2017 के हिमाचल प्रदेश के तत्कालीन मुख्यमंत्री वीरभद्र सिंह धर्मशाला के हिमाचल प्रदेश के दुसरी राजधानी घोषित कइलें।[5][6]

भूगोल[संपादन करीं]

मैकलोड गंज से धर्मशाला के नजारा
भागसू के झरना, मैकलोड गंज

धर्मशाला के औसत ऊंचाई 1,457 बा, आ ई लगभग 8.51 के क्षेत्रफल के कवर करेला।[7] धर्मशाला कांगड़ा घाटी में, धौलाधर पर्वत के साया में स्थित बा।

शहर के दू गो अलग-अलग खंड में बाँटल गइल बा। कोतवाली बाजार आ आसपास के बाजारन के "निचला धर्मशाला" भा खाली भर "धर्मशाला" कहल जाला। पहाड़ के अउरी ऊपर मैकलोड गंज बाटे। धर्मशाला से मैकलोड गंज के एगो खड़ा, संकरी सड़क जोड़े ले आ इहाँ खाली टैक्सी आ छोट गाड़ी सभ से पहुँचल जा सके ला जबकि घाटी के चारों ओर एगो लमहर सड़क बस आ ट्रक सभ के इस्तेमाल होखे ला। मैकलोड गंज के चारो ओर पाइन, हिमालयन ओक, आ रोडोडेंड्रोन के फेड़ बाड़ें।

आबोहवा[संपादन करीं]

बादल त्रिउंड, मैकलेओड गंज, हिमाचल प्रदेश के ऊपर

धर्मशाला में मानसून से प्रभावित, नम उपोष्णकटिबंधीय जलवायु (कोपेन सिस्टम में: Cwa) बा। गर्मी अप्रैल के सुरुआत में शुरू होला आ मई में चरम पर पहुँचे ला जब तापमान 36 ले पहुँच सके ला, आ ई सीजन जून के सुरुआत ले चले ला। जून से सितंबर के बीच ले मानसून के मौसम होला, जब 3,000 मिमी (120 इंच) तक ले के बरखा के अनुभव हो सकेला, जेकरा चलते धर्मशाला राज्य के सबसे भींजल जगहन में से एगो बा। शरद ऋतु हल्का होला आ अक्टूबर से नवंबर के अंत ले चले ला।

शरद ऋतु के तापमान औसतन 16–17°C के आसपास होला बा। जाड़ा दिसंबर में शुरू होला आ फरवरी के अंत ले चले ला। ऊपरी धर्मशाला (मैकलोडगंज, भागसू नाग आ नड्डी समेत) में जाड़ा के समय बर्फ आ बर्फबारी आम बात बा। निचला धर्मशाला में ओला के छोड़ के बर्फ़बारी बहुत कम होला। 7 जनवरी 2012 के बर्फबारी हाल के समय में सभसे ढेर दर्ज भइल। एकर कारण कांगड़ा जिला में गहिराह निम्न दबाव के प्रवेश भईल रहे। जाड़ा के बाद अप्रैल ले छोट, सुखद बसंत आवे ला। इतिहास के हिसाब से धौलाधर परबत साल भर बर्फ से ढंकल रहे; हालाँकि, हाल के सालन में सूखा के दौरान इनहन के बर्फ के चद्दर खतम हो रहल बा।


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Demographics – MCD-Dashboard-Document Management System".
  2. "Notification, Government of Himachal Pradesh" (PDF).
  3. "It's official, Dharamshala is second capital of Himachal Pradesh". 2 March 2017.
  4. "Why only 98 cities instead of 100 announced: All questions answered about smart cities project". Firstpost. 28 August 2015. Retrieved 17 May 2019.
  5. Sharma, Arvind (20 January 2017). "Dharamshala Declared Second Capital of Himachal". hillpost.in. Retrieved 17 May 2019.
  6. "Dharamsala Declared Second Capital of Himachal Pradesh". NDTV India. 19 January 2017. Retrieved 17 May 2019.
  7. "Area of Dharamshala Town" (PDF). Archived from the original (PDF) on 24 April 2012.