Jump to content

धर्मशाला, हिमाचल प्रदेश

विकिपीडिया से
धर्मशाला
शहर
ऊपर से घड़ी के सुई के दिसा में: स्काईलाइन, त्रियुंड, कालचक्र मंदिर, क्रिकेट स्टेडियम, भागसूनाग मंदिर, आ जाड़ा में मैकलोड गंज
धर्मशाला के लोकेशन Himachal Pradesh में
धर्मशाला
धर्मशाला
हिमाचल प्रदेश में लोकेशन
धर्मशाला के लोकेशन India में
धर्मशाला
धर्मशाला
भारत में लोकेशन
Coordinates: 32°12′55″N 76°19′07″E / 32.21528°N 76.31861°E / 32.21528; 76.31861निर्देशांक: 32°12′55″N 76°19′07″E / 32.21528°N 76.31861°E / 32.21528; 76.31861
देश भारत
राज्यहिमाचल प्रदेश
जिलाकांगड़ा
Area
  Total
27.60 किमी2 (10.66 बर्ग मील)
Elevation
1,457 m (4,780 ft)
Population
 (2015)[1]
  Total
62,596
  Rank2सरा, हिमाचल में
  Density2,268/किमी2 (5,874/वर्ग मील)
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
176 215
फोन कोड+91-01892
Vehicle registrationHP- 39 (RLA), 68 (RTO), 01D/02D (Taxi)
Websiteedharamshala.in

धर्मशाला भारत के हिमाचल प्रदेश राज्य के शीतकालीन (जाड़ा के समय के) राजधानी[2][3] हवे। ई 18 किमी दूर स्थित शहर कांगड़ा से 1855 में स्थानांतरित कइला के बाद कांगड़ा जिला के प्रशासनिक मुख्यालय के रूप में काम करे ला।

भारत के "स्मार्ट सिटीज मिशन" के तहत स्मार्ट सिटी के रूप में विकसित होखे वाला भारत के सौ शहर में से एगो के रूप में एहू शहर के चुनल गइल बा।[4] 19 जनवरी 2017 के हिमाचल प्रदेश के तत्कालीन मुख्यमंत्री वीरभद्र सिंह धर्मशाला के हिमाचल प्रदेश के दुसरी राजधानी घोषित कइलें।[5][6]

मैकलोड गंज से धर्मशाला के नजारा
भागसू के झरना, मैकलोड गंज

धर्मशाला के औसत ऊंचाई 1,457 बा, आ ई लगभग 8.51 के क्षेत्रफल के कवर करेला।[7] धर्मशाला कांगड़ा घाटी में, धौलाधर पर्वत के साया में स्थित बा।

शहर के दू गो अलग-अलग खंड में बाँटल गइल बा। कोतवाली बाजार आ आसपास के बाजारन के "निचला धर्मशाला" भा खाली भर "धर्मशाला" कहल जाला। पहाड़ के अउरी ऊपर मैकलोड गंज बाटे। धर्मशाला से मैकलोड गंज के एगो खड़ा, संकरी सड़क जोड़े ले आ इहाँ खाली टैक्सी आ छोट गाड़ी सभ से पहुँचल जा सके ला जबकि घाटी के चारों ओर एगो लमहर सड़क बस आ ट्रक सभ के इस्तेमाल होखे ला। मैकलोड गंज के चारो ओर पाइन, हिमालयन ओक, आ रोडोडेंड्रोन के फेड़ बाड़ें।

बादल त्रिउंड, मैकलेओड गंज, हिमाचल प्रदेश के ऊपर

धर्मशाला में मानसून से प्रभावित, नम उपोष्णकटिबंधीय जलवायु (कोपेन सिस्टम में: Cwa) बा। गर्मी अप्रैल के सुरुआत में शुरू होला आ मई में चरम पर पहुँचे ला जब तापमान 36 ले पहुँच सके ला, आ ई सीजन जून के सुरुआत ले चले ला। जून से सितंबर के बीच ले मानसून के मौसम होला, जब 3,000 मिमी (120 इंच) तक ले के बरखा हो सकेला, जेकरा चलते धर्मशाला राज्य के सबसे भींजल (नम) जगहन में से एगो बा। शरद ऋतु हल्का होला आ अक्टूबर से नवंबर के अंत ले चले ला।

शरद ऋतु के तापमान औसतन 16–17°C के आसपास होला बा। जाड़ा के सीजन दिसंबर में शुरू होला आ फरवरी के अंत ले चले ला। ऊपरी धर्मशाला (मैकलोडगंज, भागसू नाग आ नड्डी समेत) में जाड़ा के समय बर्फ आ बर्फबारी आम बात बा। निचला धर्मशाला में ओला के छोड़ के बर्फ़बारी बहुत कम होला। 7 जनवरी 2012 के बर्फबारी हाल के समय में सभसे ढेर दर्ज भइल। एकर कारण कांगड़ा जिला में गहिराह निम्न दबाव के प्रवेश भइल रहे। जाड़ा के बाद अप्रैल ले छोट, सुखद बसंत आवे ला। इतिहास के हिसाब से धौलाधर परबत साल भर बर्फ से ढंकल रहे; हालाँकि, हाल के सालन में सूखा के दौरान इनहन के बर्फ के चद्दर खतम हो रहल बा।

अर्थबेवस्था

[संपादन करीं]
कांगड़ा चाय क एगो बागान
धर्मशाला में पैराग्लाइडिंग

एह इलाका के अर्थबेवस्था मुख्य रूप से खेती आ टूरिज्म पर निर्भर बा। घाटी में उगावल जाए वाली प्रमुख फसलन में धान, गेहूँ आ चाय शामिल बाड़ी स। धर्मशाला के आसपास कई गो चाय बगान मौजूद बाड़ें, जहाँ प्रसिद्ध कांगड़ा चाय के उत्पादन होला। कांगड़ा चाय के भौगोलिक संकेतक (जीआई) दर्जावो हासिल बाटे।[8]

धर्मशाला हिमाचल प्रदेश के एगो प्रमुख पर्वतीय पर्यटन स्थल (हिल स्टेशन) आ आध्यात्मिक केंद्र हवे।[9] एह शहर से हिमालय क्षेत्र में कई गो प्रसिद्ध ट्रेकिंग मार्ग निकलत बाड़ें, जे ऊपरी रावी घाटी आ चंबा जिला तक ले पहुँचेलें। प्रमुख ट्रेकिंग मार्गन में इंद्रहार दर्रा (4,342 मीटर), तोरल दर्रा (4,575 मीटर), भीमघासुतरी दर्रा (4,580 मीटर), धर्मशाला–ब्लेनी दर्रा (3,710 मीटर), करीरी झील, हिमानी चामुंडा, थातरना आ त्रिउंड जइसन लोकप्रिय स्थल शामिल बाड़ें। एह रस्तन पर हर साल बड़ी संख्या में ट्रेकर आ प्रकृति प्रेमी लोग आवेला।[10][11]

  1. "Demographics – MCD-Dashboard-Document Management System". Archived from the original on 2021-03-02. Retrieved 2023-03-31.
  2. "Notification, Government of Himachal Pradesh" (PDF).
  3. "It's official, Dharamshala is second capital of Himachal Pradesh". 2 March 2017.
  4. "Why only 98 cities instead of 100 announced: All questions answered about smart cities project". Firstpost. 28 August 2015. Retrieved 17 May 2019.
  5. Sharma, Arvind (20 January 2017). "Dharamshala Declared Second Capital of Himachal". hillpost.in. Retrieved 17 May 2019.
  6. "Dharamsala Declared Second Capital of Himachal Pradesh". NDTV India. 19 January 2017. Retrieved 17 May 2019.
  7. "Area of Dharamshala Town" (PDF). Archived from the original (PDF) on 24 April 2012.
  8. टेम्पलेट:Multiref2
  9. Adams, Kathleen M.; Bloch, Natalia (2022). Intersections of Tourism, Migration, and Exile. Taylor & Francis. ISBN 9781-0-0082-1444.
  10. Abram, David (2003). The Rough Guide to India. Rough Guide Travel Guides. ISBN 9781843530893 via Google Books.
  11. Watts, Meera (17 April 2019). "Dharamsala: The Full Experience Beyond Yoga". siddhiyoga.com. Retrieved 17 May 2019.