धम्मेक स्तूप

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
धम्मेक स्तूप
Dhamek Stupa, Sarnath.jpg
धमेख स्तूप
धम्मेक स्तूप is located in Uttar Pradesh
धम्मेक स्तूप
Uttar Pradesh में लोकेशन
बेसिक जानकारी
लोकेशन भारत भारत
अक्षांस-देशांतर 25°22′51″N 83°01′28″E / 25.3808°N 83.0245°E / 25.3808; 83.0245निर्देशांक: 25°22′51″N 83°01′28″E / 25.3808°N 83.0245°E / 25.3808; 83.0245
धर्म/मत बौद्ध धर्म से
District वाराणसी जिला
Province उत्तर प्रदेश
देस भारत
स्टेटस संरक्षित
Architectural description
आर्किटेक्चर प्रकार स्तूप
पूरा भइल 500 CE
बिसेस लच्छन
चौड़ाई 28
ऊँचाई (अधिकाधिक) 43.6

धम्मेक स्तूप भा धमेख स्तूप उत्तर प्रदेश में बनारस के लगे मौजूद शहर आ तीरथ सारनाथ में एगो प्रमुख बौद्ध स्तूप बाटे। सारनाथ में गौतम बुद्ध आपन पहिला उपदेश दिहले रहलें, एह घटना के बौद्ध धर्म में "धर्मचक्र प्रवर्तन" कहल जाला आ एही के उपलक्ष में सारनाथ में कई गो स्तूप आ मंदिर बनावल गइल बाने जेह में से धमेख स्तूप सभसे बड़हन आ प्रमुख बाटे।

वर्तमान रूप में ई स्तूप दुमंजिला सिलिंडर के आकृति में लगभग 43.6 मीटर ऊँच, आ 28 मीटर डाया वाला, ईंटा के बनल चीज बा। मानल जाला कि एह अस्थान पर बुद्ध से पहिले भी समाधि सभ के निर्माण भइल रहे। एह वर्तमान स्तूप के निर्माण लगभग 500 ईस्वी में भइल बतावल जाला जे मौर्य सम्राट अशोक द्वारा बनवावल एगो स्तूप के जगह पर बनावल गइल हवे। वर्तमान में, अशोक के बनवावल धर्मराजिका स्तूप के चबूतरा भर बचल बा जे एह स्तूप के बगले में मौजूद बा। अशोक के परसिद्ध सिंह स्तंभ भी एह स्तूप के बगले में लगावल गइल रहे जेकर मुकुट वर्तमान में सारनाथ म्यूजियम में रखल बा आ जेकर आकृति ले के भारत के राजचीन्हा बनावल गइल हवे।

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]