द्रौपदी मुर्मू

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
द्रौपदी मुर्मू
Droupadi Murmu official portrait, 2022.jpg
15वां राष्ट्रपति
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
25 जुलाई 2022
परधानमंत्री नरेंद्र मोदी
उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू
इनसे पहिले रामनाथ कोविंद
झारखंड के गवर्नर
पद पर रहलें
18 जुलाई 2015 – 12 जुलाई 2021
मुख्यमंत्री रघुबर दास
हेमंत सोरेन
इनसे पहिले सईद अहमद
इनके बाद रमेश बैस
राज्यमंत्री,
ओडिशा सरकार
पद पर रहलें
6 मार्च 2000 - 16 मई 2004
मुख्यमंत्री नवीन पटनायक
बिधायक
पद पर रहलें
2000–2009
इनसे पहिले लक्ष्मण माँझी
इनके बाद श्याम चरण हंसदा
सीट रैरंग पुर
निजी जानकारी
जनम (1958-06-20) 20 जून 1958 (उमिर 64)
मयूरभंज, ओडिशा, भारत
राजनीतिक पार्टी भारतीय जनता पार्टी
जीवनसाथी श्याम चरण मुर्मू (निधन)[1]
संतान 2 बेटा (निधन), 1 बेटी
महतारी संस्था रमा देवी महिला विश्वविद्यालय
प्रोफेशन राजनीतिक नेता

द्रौपदी मुर्मू (जनम 20 जून 1958) एगो भारतीय राजनीतिक नेता आ भारत के 15वां आ मौजूदा राष्टपति बाड़ी। मुर्मू भारतीय जनता पार्टी से संबंधित बाड़ी। एकरा से पहिले उ 2015 से 2021 तक झारखंड के नौवां राज्यपाल के रूप में काम कइले रहली। उ ओडिशा राज्य के हई। ऊ झारखंड के पहिला राज्यपाल हई जे पांच साल के कार्यकाल पूरा कइले बाड़ी, 1997 तक रायरांगपुर में शिक्षक रहली, आ भारत के पहिला आदिवासी राष्ट्रपति हुई।

सुरुआती जिनगी[संपादन करीं]

द्रौपदी मुर्मू के जनम 20 जून 1958 के ओडिशा के मयूरभंज जिला के बैदापोसी गाँव में बिरंची नारायण तुडू के घरे भइल। टुडू आ इनके दादा दुनों पंचायती राज प्रणाली के तहत गाँव के मुखिया रहलें।

राजनीतिक कैरियर[संपादन करीं]

राज्य में[संपादन करीं]

मुर्मू 1997 में रैरंगपुर नगर पंचायत के पार्षद चुनल गइल रहली। उ भारतीय जनता पार्टी के अनुसूचित जनजाति मोर्चा के उपाध्यक्ष भी रहली।

ओडिशा में भारतीय जनता पार्टी आ बीजू जनता दल गठबंधन सरकार के दौरान 6 मार्च 2000 से 6 अगस्त 2002 ले वाणिज्य आ परिवहन आ 6 अगस्त 2002, आ 16 मई 2004 मई से मत्स्य आ पशु संसाधन विकास खातिर स्वतंत्र प्रभार के साथ राज्य मंत्री रहली। ऊ 2000 से 2004 ले ओडिशा के मुख्य मंत्री रहली आ रायरंगपुर विधानसभा क्षेत्र के विधायक रहली। साल 2007 में ओडिशा विधान सभा से उनुका के सर्वश्रेष्ठ विधायक खातिर नीलकंठ पुरस्कार दिहल गइल रहे।

गवर्नर के रूप में[संपादन करीं]

मुर्मू झारखंड के पहिली महिला राज्यपाल रहली। उ ओडिशा के पहिला महिला आदिवासी नेता रहली जिनके कवनो भारतीय राज्य में गवर्नर के रूप में नियुक्ति भइल होखे। उ भारत के 15वां राष्ट्रपति पद प होखेवाला चुनाव खाती भाजपा के नेतृत्व में राष्ट्रीय लोकतांत्रिक गठबंधन के उम्मीदवार बाड़ी।

निजी जिनगी[संपादन करीं]

द्रौपदी मुर्मू के बियाह श्याम चरण मुर्मू से भइल। ए जोड़ी के दुगो बेटा रहे, दुनो के मौत हो गइल, अवरू एगो बेटी बाड़ी।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Who is Draupadi Murmu?". 13 June 2017.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

Government offices
इनसे पहिले रहलें
सईद अहमद
झारखंड के गवर्नर
May 2015 – July 2021
इनके बाद
रमेश बैश