तुर्काना झील

विकिपीडिया से
तुर्काना झील
Lake Turkana
निर्देशांक3°35′N 36°7′E / 3.583°N 36.117°E / 3.583; 36.117निर्देशांक: 3°35′N 36°7′E / 3.583°N 36.117°E / 3.583; 36.117
प्रकारखारी झील, रिफ्ट घाटी झील
आगमओमो नदी, तुर्कवेल नदी, केरिओ नदी
निकासवाष्पीकरण
थाला130,860 किमी²
थाला के देसइथियोपिया, कीनिया
अधिकतम लंबाई290 किमी
अधिकतम चौड़ाई32 किमी (20 मील)
सतह क्षेत्र6,405 किमी2 (6.894×1010 वर्ग फु)
औसत गहिराई30.2 मीटर
अधिकतम गहिराई109 मीटर
आयतन203.6 किमी³
सतह ऊँचाई360.4 मीटर
दीपउत्तर द्वीप, केन्द्रीय द्वीप, दक्षिणी द्वीप
आबादीएल मोलो, लोयांगालानी, कालोकोल, एलिये चश्में, इलेरेत, फ़ोर्ट बानया

तुर्काना झील (अंग्रेज़ी: Lake Turkana), जेवना के पहिले रुडोल्फ़ झील (अंग्रेज़ी: Lake Rudolf) कहल जाव, महान अफ़्रीकी झील में से हवे। ई नमकीन पानी क झील हवे जेवन घनफल (वोल्यूम) की हिसाब से कैस्पियन सागर, इसिक-कुलवान झील के बाद दुनिया क चौथा नंबर क सबसे बड़हन नमकीन झील हवे। अरल सागर कब्बो एहू ले बड़ रहे बाकी अधिकतर सूख गइला की कारण अब ए से छोट हो गइल बाटे। तुर्काना एगो रेगिस्तान नियर क्षेत्र में स्थित बा आ दुनिया क सबसे बड़ स्थाई रेगिस्तानी झील भी हवे। एकर अधिकतर हिस्सा कीनिया में बा बाकिर एकदम उत्तरी छोर इथियोपिया में पड़े ला। ई कीनिया क सभसे उत्तरी झील भी हवे।

पर्यावरण[संपादन करीं]

तुर्काना झील की बीचोबीच की दीप पर एक जिन्दा ज्वालामुखी बाटे जेवना से गैस आ धुंआ हमेशा निकलत रहेला। झील क दक्खिनी आ पूरबी किनारा पथरीला जबकी उत्तरी आ पच्छिमी किनारन पर बलुआ मैदान आ बालू क ढूह पावल जालें। घाम में आसपास क धरती जल्दिये गरमा जाले जबकि पानी धीरे-धीरे गरम होखेला। ज़मीन आ पानी में तापमान की अंतर से इहाँ तेज़ हवा चलेला आ कबो-कबो त आन्ही आ जाला।

मैदानी किनारन पर मगरमच्छ आ पत्थरील किनारन पर साँपबिच्छी मिले लें। पर्यटक लोगन इहाँ कब्बो बिना लोकल गाइड के अकेले ना गइले क सलाह दिहल जाले।[1][2]

मनुष्य जाति क जन्मस्थान[संपादन करीं]

तुर्काना की आसपास के इलाक़ा में प्राचीन मानव क कई ठे जीवाश्म (फ़ॉसिल) मिलल बाड़ें आ कई गो विद्वान लोगन की अनुसार मानव जाति क पैदाइश इहवें भइल रहे।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Veiled histories, and the childhood memories of a storyteller, Mustafa Kemal Mirzeler, University of Wisconsin-Madison, 1999, ... helped me throughout my research project and guided me in the dangerous bush and on the islands of Lake Turkana which are filled with poisonous snakes, scorpions, and crocodiles ...
  2. Lakes and Wetlands, pp. 199, The Rosen Publishing Group, 2011, ISBN 9781615303205, ... Lake Rudolf, which is also called Lake Turkana, is the fourth largest of the eastern African lakes ... The lake lies in the eastern arm of eastern Africa's Rift Valley ... Sudden storms are frequent, rendering navigation on the lake treacherous ...
  3. Wonderful Worlds, Robert Greenough, pp. 137, Trafford Publishing, 2012, ISBN 9781466932432, ... But most remarkable, and the reason for Turkana's world-wide fame as the purported 'Cradle of Mankind', are the finds of early hominids, including remains of various Australopithecus species, Homo habilis, Homo erectus, and homo sapiens ...