अरल सागर

विकिपीडिया से
अरल सागर
अरल सागर 1989 में (बाएँ) आया 2014 में (दहिने)
लोकेशनकजाकिस्तान - उज्बेकिस्तान,
मध्य एशिया
निर्देशांक45°N 60°E / 45°N 60°E / 45; 60निर्देशांक: 45°N 60°E / 45°N 60°E / 45; 60
प्रकारएंडोरेइक, प्राकृतिक झील, जलाशय (उत्तर)
आगमउत्तर: सीर दरिया
दक्खिन: ख़ाली भूमिगत जल
(पुराना समय में आमू दरिया)
थाला1,549,000 किमी2 (598,100 वर्ग मील)
थाला के देसकजाकिस्तान, ताजिकिस्तान, तुर्कमेनिस्तान, उज़्बेकिस्तान, अफगानिस्तान[1]
सतह क्षेत्र17,160 किमी2 (6,626 वर्ग मील)
(2004, चार झील)
28,687 किमी2 (11,076 वर्ग मील)
(1998, दू गो झील)
68,000 किमी2 (26,300 वर्ग मील)
(1960, एक झील)
उत्तर:
3,300 किमी2 (1,270 वर्ग मील) (2008)
दक्खिन:
3,500 किमी2 (1,350 वर्ग मील) (2005)
औसत गहिराईउत्तर: 8.7 मी (29 फीट) (2014)[प्रमाण देईं]
दक्खिन: 14–15 मी (46–49 फीट)(2005)
अधिकतम गहिराईउत्तर:
42 मी (138 फीट) (2008)[2]
30 मी (98 फीट) (2003)
दक्खिन:
37–40 मी (121–131 फीट) (2005)
102 मी (335 फीट) (1989)
आयतनउत्तर: 27 किमी3 (6 घन मील) (2007)[प्रमाण देईं]
सतह ऊँचाईउत्तर: 42 मी (138 फीट) (2007)
दक्खिन: 29 मी (95 फीट) (2007)
53.4 मी (175 फीट) (1960)[3]
आबादीअरल, कजाकिस्तान

अरल सागर (अंग्रेजी: Aral sea, कजाक: Арал теңізі Aral Teñizi; मंगोलियन: Арал тэнгис; रूसी: Ара́льское море; ताजिक: Баҳри Арал, फारसी: دریاچه خوارزم‎) मध्यएशिया में कजाकिस्तानउज्बेकिस्तान देसवन में बिस्तार वाला एगो एंडोरेइक बेसिन आ सूखत जा रहल झील बाटे। अरल सागर के नाँव के अर्थ होला "टापू वाला समुंद्र" जवन एह झील में देखाई पड़े वाला ढेर सारा टापू सभ के कारण रखाइल रहे। अरल सागर के थाला उज्बेजिस्तान , ताजिकिस्तान, तुर्कमेनिस्तान, किर्गीजिस्तान, कजाकिस्तान आ अफ़गानिस्तान के हिस्सा सभ में बिस्तार वाला बाटे।[1]

पुरान समय में दुनिया के चउथा सभसे बड़की झील रहि चुकल ई सागर के सतह के क्षेत्रफल 68,000 बर्ग किमी रहल बाकी ई 1960 के दशक से लगातार सिकुडत जात बाटे। ई सिकुड़ाव के कारण सोवियत रूस के सिंचाई परियोजना के कारण शुरू भइल जेवना में एह सागर में गिरे वाली नद्दी सब के पानी मोड़ दिहल गइल। साल 2007 ले आवत-आवत ई अपने पुरान क्षेत्रफल के 10%भर बचल आ चार हिस्सा में बँट गइल - उत्तर अरल सागर, दक्खिन अरल सागर के दू हिस्सा पच्छिमी आ पूरबी, आ बीच में एगो छोट झील के रूप में।[4] 2009 में पहुँच के दक्खिन अरल सागर के पूरबी हिस्सा सूख गइल आ पच्छिमी हिस्सा एगो पातर पट्टी के रूप में बचल।[5] नासा के 2014 में लिहल तस्वीर से ई पता चलल की नया समय के इतिहास में पहिली बेर ई सागर पूरा सूख गइल।[6] एकर पूरबी बेसिन के अब अरलकुम रेगिस्तान कहल जाला।

कजाकिस्तान सरकार 2005 में उत्तर अरल सागर के बचावे खातिर एगो डैम प्रोजेक्ट चलवलस जेकरा कारण 2003 की लेवल की तुलना में 2008 में 12 मीटर के बढ़ती नापल गइल[7], खारापन में कमी आइल आ मछरी फिर से पावल जाए लगली आ मछरी पकड़े के धंधा भी दुबारा शुरू भइल।[8] 2008 के आँकड़ा के अनुसार उत्तर अरल सागर में सभसे गहिरा जगह पर गहिराई 42 मीटर (138 फीट) रहल।[2]

अरल सागर के सिकुड़ाव के दुनिया के "सभसे खराब पर्यावरणीय संकट" के दर्जा दिहल गइल।[9][10] एह सागर में मछरी पकड़े के धंधा के लगभग बंद हो गइले के कारण ब्यापक बेरोजगारी फइलल। एकरे अलावा एह सागर के बचल हिस्सा में प्रदूषण के कारण भी कई तरह के समस्या पैदा भइल बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "DRAINAGE BASIN OF THE ARAL SEA AND OTHER TRANSBOUNDARY SURFACE WATERS IN CENTRAL ASIA" (PDF). United Nations Economic Commission for Europe (UNECE). 2005. Retrieved 23 मई 2016.
  2. 2.0 2.1 "The Kazakh Miracle: Recovery of the North Aral Sea". Environment News Service. 2008-08-01. Archived from the original on अप्रैल 12, 2010. Retrieved 23 मई 2016.
  3. JAXA - South Aral Sea shrinking but North Aral Sea expanding
  4. Philip Micklin; Nikolay V. Aladin (मार्च 2008). "Reclaiming the Aral Sea". Scientific American. Retrieved 23 मई 2016.
  5. "Satellite image, August 16, 2009 (click on "2009" and later links)".
  6. Liston, Enjoli (1 अक्टूबर 2014). "Satellite images show Aral Sea basin 'completely dried'". The Guardian. London: Guardian News and Media Limited. Retrieved 23 मई 2016.
  7. http://www.stephenmbland.com/#!kazakhstan-measuring-the-northern-aral/cewp
  8. "Aral Sea Reborn". Al Jazeera. जुलाई 21, 2012. Retrieved जनवरी 6, 2013. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  9. Daily Telegraph (2010-04-05). "Aral Sea 'one of the planet's worst environmental disasters'". The Daily Telegraph. London. Archived from the original on 8 अप्रैल 2010. Retrieved 23 मई 2016.
  10. "Information about Aral Sea". Retrieved 23 मई 2016.