डीप वेब
Appearance
डीप वेब (deep web; डीप माने गहिरा), गहिरा वेब, आ लुकाईल वेब, वल्ड वाइड वेब के अइसन हिस्सा के कहल जाला जे आम सर्च इंजन सभ के इंडेक्सिंग में ना आवत होखे, माने कि वेब पर मिलल अइसन सामगरी जे सरच इंजन द्वारा न खोजल जा सके। अइसन सामगरी कई किसिम के हो सके ला जेह में पईसा भेजे के बाद देखाई पड़े आला कंटेंट, बैंकिंग से जुड़ल चीज, जर्नल आ अखबार सभ के अइसन पाना जेकरा के खाली सब्स्क्राइबर लोग देख सकत होखे अउरी सामगरी ले चहुँपे खाती सोझ ओह यूआरएल पऽ आईपी पाता के जरूरत होला आ ई अक्सर पे-वाल आ पासवर्ड से सुरक्षित रहे ला।
डीप वेब शब्द के पहिले पहिल इस्तेमाल माइकल के. बर्गमैन नाँव के कंप्यूटर बिग्यानी साल 2001 में कइलेन आ एह टर्म के उल्टा शब्द सरफेस वेब हवे।
संदर्भ
[संपादन करीं]![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |