डीप वेब

विकिपीडिया से


डीप वेब (deep web; डीप माने गहिरा), छिपल वेब, इनविजिबल वेब, वल्ड वाइड वेब के अइसन हिस्सा के कहल जाला जे आम सर्च इंजन सभ के इंडेक्सिंग में न आवत होखे, मतलब कि वेब पर मौजूद अइसन सामग्री जे सर्च इंजन द्वारा न खोजल जा सके। अइसन सामग्री कई किसिम के हो सके ला जेह में पेमेंट करे के बाद देखाई पड़े वाला कंटेंट, बैंकिंग संबंधी चीज, जर्नल आ अखबार सभ के अइसन पन्ना जिनहन के खाली सब्स्क्राइबर लोग देख सकत होखे आ अउरी अइसने सामग्री बा। एह सामग्री ले चहुँपे खाती सीधे ओह यूआरएल भा आईपी पता के जरूरत होला आ ई अक्सर पे-वाल भा पासवर्ड से सुरक्षित रहे ला।

डीप वेब शब्द के पहिले पहिल इस्तेमाल माइकल के. बर्गमैन नाँव के कंप्यूटर बिग्यानी साल 2001 में कइलेन आ एह टर्म के उल्टा शब्द सरफेस वेब हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]