Jump to content

वेब सर्च इंजन

विकिपीडिया से
(सर्च इंजन से अनुप्रेषित)
Search engine page
एगो सर्च इंजन में 'चंद्र गरहन' खोजे पर आइल परिणाम।

वेब सर्च इंजन भा सर्च इंजन (search engine) एगो अइसन सॉफ्टवेयर होला जे खास एह खाती डिजाइन कइल गइल होला कि वल्ड वाइड वेब से जनकारी खोजल जा सके। अइसन खोज के उर सभ के एक कतार मे यूजर लोगन के सोझा रखे ला आ एह रिजल्ट सभ मे वेब कंटेंट, इमेज, बीडियो वगैरह नियर कई किसिम के चीज के हो सके ला।

जहवाँ वेब डाइरेक्टरी सभ आदमी के हाथे खुद बनावल आ मेंटेन कइल जालीं, सर्च इंजन सभ एल्गोरिदम के इस्तेमाल से वेब क्राउलर के इस्तेमाल क के ऑटोमेटिक तरीका से रियल-टाइम में जानकारी एकट्ठा कऽ के ओकरा लिस्ट बना लेवे लें। अइसन सामग्री जे वल्ड वाइड वेब पर होखे लेकिन सरच इंजन के इंडेक्सिंग (लिस्ट बनावे) के पहुँच से बहरा होखे ओकरा के डीप वेब के हिस्सा कहल जाला।

काम करे के तरीका

[संपादन करीं]

वेब सर्च इंजन तिन गो मुख्य प्रक्रिया में काम करेला:

क्रॉलिंग

[संपादन करीं]

सर्च इंजन के वेब क्रॉलर (bots/spiders) इंटरनेट पर अलग-अलग वेबसाइट के स्कैन करके नया आ अपडेट भइल पेजन के जानकारी जमा करेला। ई एक वेबसाइट से दुसरे वेबसाइटन के लिंक के पीछा (फालो) क के नया कंटेंट खोजेला।

इंडेक्सिंग

[संपादन करीं]

क्रॉलर से जुटावल जानकारी के सर्च इंजन के डाटाबेस में सेव (इंडेक्सिंग के रूप में) कइल जाला। एह प्रक्रिया में सर्च इंजन वेबपेज के टेक्स्ट, कीवर्ड, इमेज, वीडियो, मेटाडाटा वगैरह के विश्लेषण करेला आ तय करेला कि कवन पेज कवन कीवर्ड खातिर रैंक होई।

रैंकिंग आ सर्च रिजल्ट देखावल

[संपादन करीं]

जब केहू कुछु सर्च करेला, त सर्च इंजन आपन इंडेक्स से सबसे बढ़िया आ संबंधित वेबपेज के एल्गोरिदम से रैंक करके सर्च रिजल्ट पेज (SERP) पर देखावे ला। रैंकिंग तय करे में कई गो चीज के ध्यान राखल जाला, जइसे:

  • कंटेंट के प्रासंगिकता (रिलेवेंस)
  • बैकलिंक आ अथॉरिटी (बैकलिंक & अथॉरिटी)
  • पेज के लोड स्पीड आ यूजर एक्सपीरियंस (यूएक्स)
  • मोबाइल खातिर सुबिधापन (मोबाइल फ्रेंडलीनेस)
  • सर्च इंटेंट के मेल

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]