जोग झरना
जोग झरना | |
---|---|
जोग प्रपात जोग जल प्रपात | |
![]() जोग झरना, कम बरखा के सीजन में। | |
Coordinates | 14°13′54″N 74°48′59″E / 14.231767°N 74.816386°E |
Type | Cataract, segmented (कई धार वाला) |
Elevation | 488 मी (1,601 फीट) |
Total height | 253 मी (830 फीट) [1] |
Number of drops | 4 (राजा, रानी, गर्जनकारी (रोरर), राकेट)[2] |
Longest drop | 254 मी (833 फीट) |
Average width | 472 मी (1,549 फीट) |
Watercourse | शरावती नदी[3] |
Average flow rate | 153 m³/s चाहे 5,387 cu ft/s |
जोग झरना, जेकरा के गेरसोप्पा झरना के नाँव से भी जानल जाला, कर्नाटक के शिमोगा जिला में शरावती नदी पर एगो झरना बाटे। झरना के ऊँचाई 253 मीटर (830 फीट) बाटे आ ई मेघालय के नोहकलिकाई आ गोवा के दूधसागर झरना के बाद भारत के तिसरा सभसे ऊँच झरना हवे। पर्यटक आकर्षण के ई प्रमुख केंद्र हवे आ एकरे परसिद्धि के हिसाब से ई दुनिया के 13वाँ सभसे महत्व के पर्यटन आकर्षण वाला झरना के रूप में वल्डवाटरफाल डेटाबेस में दर्ज बाटे।
ई कई धार में बहे वाला झरना हवे हालाँकि, तेज बरखा के सीजन में ई सभ मिल के एक्के हो जालें।
इहाँ पहुँचे खातिर सभसे नगीचे के रेलवे इस्टेशन ताल्गुप्पा (13 किमी) आ सागरा (30 किमी) बाड़ें। सागरा इहाँ के तालुका (तहसील) के मुख्यालय हवे। एह झरना के लगे बिजली पैदा करे खातिर इस्टेशन बनावल गइल बाटे।
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
- कुंचिकल झरना, शिमोगा जिला में वाराही नदी पर एगो झरना।
- अगुंबे घाट, दक्खिन भारत के चेरापूँजी के नाँव से बिख्यात एगो दर्रा।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "Jogfalls Height". Jog Falls Official website.
- ↑ "Jog Falls". Jogfalls official website.
- ↑ "Jogfalls". Jog Falls Official website.
![]() | ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |