कुंचिकल झरना

विकिपीडिया से
कुंचिकल झरना
कुंचिकल झरना is located in Karnataka
कुंचिकल झरना
Kunchikal falls
LocationNidagodu village, near Masthikatte, शिमोगा जिला, कर्नाटक
Coordinates13°41′41″N 75°01′05″E / 13.6947°N 75.01813°E / 13.6947; 75.01813निर्देशांक: 13°41′41″N 75°01′05″E / 13.6947°N 75.01813°E / 13.6947; 75.01813
TypeTiered
Total height600 ft (183m)[1]
Watercourseवराही नदी
World height ranking116

कुंचिकल झरना (अंग्रेजी: Kunchikal falls) भारतीय राज्य कर्नाटक के शिमोगा जिला[2] में मास्तीकट्टे के नगीचे निडगोंडु नाँव के जगह पर एगो झरना बा।

कुंचीकल एगो कैस्केड झरना हवे आ वराही नदी के रस्ता में बने ला।

झरना के कुल ऊँचाई, वल्डवाटरफाल डेटाबेस के अनुसार, पहिले लगभग 1,500 फीट होखे के अनुमान रहे बाकी बाद में आइल आँकड़ा के हिसाब से ई लगभग 600 फीट (183 मीटर) ऊँचाई वाला मानल गइल बा।[1] पुरनका आँकड़ा आनुमान के हिसाब से ई भारत के सभसे ऊँच झरना मानल गइल रहे, हालाँकि अब अइसन ना बाटे।

मास्तीकट्टे के नगीचे वाराही पनबिजली प्रोजेक्ट के तहत मानी बंधा बन जाए[3] आ हुलीकल में जमीन के नीचे अंडरग्राउंड बिजलीघर बन जाए[3] के कारन एह झरना में पानी के बहाव कम हो चुकल बा आ अब ई बस बरसात के सीजन में देखे लायक होला। ई झरना प्रतिबंधित इलाका (रेस्ट्रिक्टेड एरिया) में पड़े ला आ अहिजे जाए खातिर पास बनवावे के पड़े ला जे इहाँ से १५ किलोमीटर के दूरी पर होशंगड्डी गाँव में बने ला। एहिजे हवाई मार्ग से पहुँचे खातिर सभसे नगीचे के हवाई अड्डा मैंगलोर में 138 किमी (86 मील) के दूरी पर बाटे।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Kunchikal Falls - World Waterfall Database". Worldwaterfalldatabase.com. Retrieved 3 जनवरी 2021.
  2. "Top 10 Highest Waterfalls In India". Jagranjosh.com. 25 जुलाई 2017. Retrieved 2 अक्टूबर 2018.
  3. 3.0 3.1 "Varahi Hydro Electric Project". Karnataka Power Corporation Limited. Archived from the original on 2012-11-29. Retrieved 2012-08-03.
  4. "138 Km - Distance from Mangalore to Kunchikal Falls". DistancesFrom. Retrieved 7 October 2017.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]