जननायक चंद्रशेखर यूनिवर्सिटी (ऑफिशियल नाँव: जननायक चन्द्रशेखर विश्वविद्यालय) भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के बलियाँ मे एगो यूनिवर्सिटी ह जेकर स्थापना 2016 मे भइल। एकरा ले पहिले जिला के 122 गो कॉलेज महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ मे आवत रहऽसन बाकिर एह इन्वर्सिटी के स्थापना के बाद अबहिन हेमे आवेलऽसन। सत्र 2016-17 के परीक्षा महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ करवइले रहे बाकिर प्रमाण पत्र जननायक चन्द्रशेखर बिस्वबिद्यालय देलस।