चारमीनार
Jump to navigation
Jump to search
चारमीनार | |
---|---|
![]() | |
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन |
हैदराबाद, तेलंगाना, भारत 17°21′42″N 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°Eनिर्देशांक: 17°21′42″N 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°E |
धर्म/मत | इस्लाम |
राज्य | तेलंगाना |
देस | भारत |
धरोहर पहिचान | राष्ट्रिय महत्व के इस्मारक, UNESCO Tentative List |
Architectural description | |
आर्किटेक्चर | मीर मोमिन अस्तरवादी[1][2] |
आर्किटेक्चर इस्टाइल | भारतीय-इस्लामी आर्किटेक्चर |
Founder | मुहम्मद क़ुली क़ुतुब शाह |
बिसेस लच्छन | |
मिनारा | 4 |
मिनारा ऊँचाई | 48.7 मीटर (160 फीट) |
मटेरियल | ग्रेनाइट, चूना पाथर, मोर्टार आ संगमरमर |
चारमीनार भारत के हैदराबाद नगर मे एगो परसिद्ध भवन बा। एकर निर्माण 1591 मे भइल आ सऊँसे बिस्व मे ई हैदराबाद के चिन्हासी के रूप मे आ भारत के कुछू बहुते जानल-मानल बिल्डिंग सभ में गिनल जाए वाली बिल्डिंग बा। लमसम 400 बरिस से एकरे ऊपरी तल्ला प महजिद बा आ इहाँ कए तरह के मेला तिहुआरो मनावल जाला। ई हैदराबाद के सभसे ढेर देखल घूमल जाए वाला पर्यटक आकर्षण भी हवे।
चारमीनार मूसी नदी के पुरबी तीर पर बाटे आ एकरे लगे के इलाका भीड़भाड़ वाला बजार के इलाका हवे। एकरा पच्छिम ओर परसिद्ध लाड बजार बा जेकरा के चूड़ी बजार के नाँव से भी जानल जाला। एकरे दक्खिन-पच्छिम में मक्का महजिद बाटे।
हैदराबाद के कुतुबशाही बंस के शासक मुहम्मद कुली क़ुतुब शाह एह इमारत के बनववलें। ई इतिहासी धरोहर हवे। भारतीय आर्कियोलॉजिकल सर्वे के लिस्ट में ई भवन दर्ज बा आ ई एगो संरक्षित इमारत हवे।
फोटो गैलरी[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ "Here sleeps the earliest urban planner". The Hindu. पहुँचतिथी 2019-06-23.
- ↑ 22 Jun 2019 6:21 PM GMT (2016-04-05). "Remembering the man behind Charminar's architecture". Thehansindia.com. पहुँचतिथी 2019-06-23.
![]() | ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |