चंद्रमा आधारित कैलेंडर

विकिपीडिया से
स्पेनी चंद्र पंचांग
साल 2017 खातिर एगो स्पेनी चंद्र पंचांग

चंद्रमा आधारित कैलेंडर या चंद्र पंचांग, चंद्रमा के गति आ कला पर आधारित कैलेंडर होलें। चंद्रमा के कला अनुसार एक पुर्नवासी से अगिली पुर्नवासी तक, या एक अमौसा से अगिला अमौसा तक ले के समय के एक चंद्र मास के रूप में परिभाषित कइल जाला आ आमतौर पर अइसन बारह महीना सभ के एक साल होला। चूँकि, चंद्रमा आधारित महीना 29 भा 30 दिन के होखे लें, चंद्रमा के साल 354 दिन, 8 घंटा, 48 मिनट, 34 सेकेंड (354.367056 दिन) क होला आ ई सुरुज आधारित साल (पृथ्वी के सुरुज के चारो ओर एक चक्कर) से कम होला। जवना चंद्रमा कैलेंडर सभ के सुरुज आधारित कैलेंडर के साथे मैच करावे खाती अधिका महीना जोड़ दिहल जाला (जइसे हिंदू पतरा में मलमास) ओह कैलेंडर सभ के चंद्र-सौर कैलेंडर कहल जाला।

दुनिया में सभसे ढेर इस्तेमाल होखे वाला कैलेंडर ग्रेगरियन कैलेंडर हवे जे सौर कैलेंडर हऽ। बाकी लोकल स्तर पर बहुत सारा बरत-तिहुआर आ उत्सव सभ के लोकल आ परंपरागत चंद्रमा आधारित कैलेंडर सभ के तय कइल आ मनावल जाला। उदाहरण खाती, रमजान, दिपावली, होली, चीनी, जापनी, मंगोलियाई नया साल वगैरह तिहुआर चंद्रमा आधारित कैलेंडर से तय होलें।

कांसेप्ट[संपादन करीं]

चन्द्रमा के एक महीना के कला, उत्तरी गोलार्ध में से देखले पर।

चंद्रमा आधारित कैलेंडर सभ ई सौर कैलेंडर सभ के बिपरीत चंद्रमा के गति पर आधारित होखे लें जबकि सौर कैलेंडर सुरुज के गति, या सटीक रूप से पृथ्वी के सुरुज के चारों ओर चक्कर लगावे के गति, पर आधारित होखे लें। चूंकि, चंद्रमा आ पृथ्वी एक दुसरे के साथ मिल के बाइनरी सिस्टम के रूप में चक्कर लगावे लें, चंद्रमा एक तरह से पृथ्वी के चारों ओर चक्कर लगावत परतीत होला। एह चक्कर में चंद्रमा, पृथ्वी आ सुरुज एक सीधाई में आवे ले तब ओह स्थिति के सिजिगी कहल जाला। सिजिगी के स्थिति दू तरह के होला, पुर्नवासी के, जब सुरुज आ चंद्रमा के बीचा में पृथ्वी होखे; दूसरी, जब सुरुज आ पृथ्वी के बीचा में चंद्रमा होखे मने कि अमौसा के।

एक पुर्नवासी से अगिली तक, या एक अमौसा से अगिला अमौसा के समय के एक महीना के रूप में परिभाषित कइल जाला। इहे समय के अवधि एक चंद्र मास कहाले। बारह चंद्र मास के एक बरिस होला।

प्रमुख चनरमा आधारित कैलेंडर/पंचांग[संपादन करीं]

  • इस्लामी कैलेंडर: या हिजरी कैलेंडर पूरा तरीका से चंद्रमा आधारित कैलेंडर हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]