चंद्रमा के कला
Jump to navigation
Jump to search
चंद्रमा के कला या चंद्रमा के अवस्था चंद्रमा द्वारा पृथ्वी के चक्कर लगावत समय चंद्रमा के जेतना हिस्सा पृथ्वी से देखले पर सूर्य के रोशनी से चमकत (प्रकाशित) लउके ला ओही के घटत बढ़त रहला के कहल जाला। जब चंद्रमा के कौनों हिस्सा पृथ्वी से देखला पर चमकत (प्रकाशित) ना लउके ( मने कि चंद्रमा ओह दिन देखाई ना पड़े) तब ई स्थिति के अमौसा (अंगरेजी में न्यू मून) कहल जाला, एकरे उल्टा (बिपरीत) जहिया चंद्रमा के पृथ्वी के ओर वाला हिस्सा पूरा चमकत (प्रकाशित) लउके ला ओह दिन के पुर्नवासी (अंगरेजी में फुल मून) कहल जाला।
भारतीय ज्योतिष में चंद्रमा के कला के आधार पर महीना आ तिथि के गणना होल। चंद्रमा आधारित कैलेंडर भी एही कला के अनुसार समय के माप आ लिस्ट बनावे के तरीका होला।
![]() | ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |