चंद्र मास
Jump to navigation
Jump to search

चन्द्रमा के पृथ्वी के चारो ओर चक्कर लगावे से उत्पन्न होखे वाली कला, उत्तरी गोलार्ध में देखले पर, चंद्रमा के बबलिंग के लिबरेशन कहल जाला
चंद्र मास (अंगरेजी: Lunar month) महीना के एक ठो नाप हवे जे चंद्रमा आधारित कैलेंडर सभ में एक युति से अगिला युति या फिर एक वियुति से अगिला वियुति के बीच में लागे वाला समय के कहल जाला।
साइडीरियल महीना[संपादन]
चंद्रमा के पृथ्वी के चारों ओर एक चक्कर के पूरा होखे में लागे वाला समय के गणना जब दूर मौजूद तारा सभ के संदर्भ में कइल जाला तब एकरा के साइडीरियल महीना कहल जाला।
सिनोडिक महीना[संपादन]
जब चंद्रमा के द्वारा पृथ्वी के चक्कर के पूरा होखे के गणना सुरुज के संदर्भ में कइल जाला, एह में लागे वाला समय के सिनोडिक महीना कहल जाला। उदाहरण खातिर अमौसा के सुरुज आ चंद्रमा एक सीध में होखे लें। चंद्रमा एक चक्कर पूरा करि के जब फिर एही दसा में आ जाला, यानि अगिला अमौसा आ जाला तब एक महीना पूरा भइल मान लिहल जाला। एकर गणना पूर्णिमा से पूर्णिमा ले भी हो सके ला।
![]() | ई खगोल शास्त्र-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |