Jump to content

ग्रेटर कॉकेशस

विकिपीडिया से
ग्रेटर कॉकेशस
' Arkhyz के पहाड़ी दृश्य
Highest point
परबतचोटीमाउंट एल्ब्रस
ऊँचाई5,642 मी (18,510 फीट)
लोकेशन (भूगोलीय)43°21′18″N 42°26′31″E / 43.35500°N 42.44194°E / 43.35500; 42.44194निर्देशांक: 43°21′18″N 42°26′31″E / 43.35500°N 42.44194°E / 43.35500; 42.44194
डाइमेंशन
लंबाई1,200 किमी (750 मील) NW-SE
भूगोल
उपग्रह से लिहल इमेज
देसअजरबैजान, जॉर्जिया and रूस
मूल परबत श्रेणीकॉकेशस परबत
बाडर बनावेलाछोटका कॉकेशस

ग्रेटर कॉकेशस (Greater Caucasus एगो प्रमुख परबत श्रेणी बाटे जवन कॉकेशस परबत सिस्टम के हिस्सा हऽ।

ई परबत श्रेणी पच्छिम-उत्तरपच्छिम से पूरुब-उत्तरपूरुब के दिसा में लगभग 1,200 किलोमीटर (750 मील) के लंबाई में, काला सागर के Taman Peninsula से कैस्पियन सागर के Absheron Peninsula तक बिस्तार लिहले बाटे। ई बिस्तार पच्छिमी कॉकेशस में सोची, जवन काला सागर के उत्तरी-पच्छिमी तट पर बाटे, से कैस्पियन के तीरे बसल बाकू ले बा।

भूगोल में एह परबत के तीन हिस्सा में बाँटे के परंपरा बाटे:

पच्छिमी कॉकेशस के इलाका नम हवे आ एही से इहवाँ खूब जंगल पावल जालें (पतझड़ बन, 1,500 मीटर (4,900 फीट) के ऊँचाई ले, कोणीय बन 2,500 मीटर (8,200 फीट) ले आ अल्पाइन बनस्पति पेड़ रेखा के ऊपर)। एकरे बिपरीत पूरबी हिस्सा तुलना में सूखल रहे ला आ लगभग फेड़-रूख से बिहीन बाटे।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]