कोणार्क एक्सप्रेस

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
कोणार्क एक्सप्रेस
Konark express 11020.jpg
11020 Konark Express (2).jpg
Overview
Service type एक्सप्रेस ट्रेन
Locale ओडिशा, आंध्र प्रदेश, तेलंगाना, कर्नाटकमहाराष्ट्र
First service 16 अगस्त 1978
Current operator(s) मध्य रेलवे
Route
Start भुबनेश्वर
Stops 35
End मुंबई
Distance travelled 1932 किलोमीटर
Average journey time 37 घंटा, 15 मिनट
Service frequency रोज
Train number(s) 11019 / 11020
On-board services
Class(es) AC 2 टायर, AC 3 टायर, स्लीपर, जनरल
Seating arrangements हँऽ
Sleeping arrangements हँऽ
Catering facilities हँऽ, पेमेंट पर
Observation facilities छोट ICF खिड़की
Entertainment facilities None
Baggage facilities सीट के नीचे
Technical
Track gauge 1,676 mm (5 ft 6 in)
Operating speed औसतन फी घंटा 51 किलोमीटर
Route map
Konark express route.png

कोनार्क एक्सप्रेस, 1978  में मधु दंडवते द्वारा शुरू कइल गइल श्रेणीरहित कई गो सुपरफास्ट ट्रेन में से एगो रहल। ई गाड़ी सिकंदराबादभुवनेश्वर की बीच में दैनिक सेवा दे। इ 2119/2120 ट्रेन की साथ चले और 2101/2102 मिनार सुपरफास्ट एक्सप्रेस जवन की सिकंदराबाद और बॉम्बे वीटी (अब सीएसटीएम) की बीच चले, ओकरी साथ आपन रेक साझा करे। ए रेल क शुरूआत में नेवी ब्लू बाहरी रंग सज्जा रहल, और एकर रेक साझाकरण की व्यवस्था की कारण एकरी खिड़कियन प एगो सफेद पट्टी रहे।

बॉम्बे आ भुवनेश्वर की बीच्चे एगो विशेष रेलगाड़ी की मांग में वृद्धि की साथ, ए ट्रेन के बॉम्बे वी.टी. ले सन 1994 में बढ़ा दिहल गईल रहे जेसे 2101/2102 मिनार एक्सप्रेस (जवने क बाद में 2701/02 हुसैनसागर एक्स्प्रेस जगह लिहलस) की साथ रेक साझाकरण क व्यवस्था समाप्त हो गईल। विस्तार के बाद ए ट्रेन के 1994 में 1019/1020 नया नंबर दिहल गइल। इ देश की पूर्वी और पश्चिमी राज्यन के जोड़े वाली सबसे पुरान कईगो ट्रेन में से एगो ह। वर्तमान में इ 11019/11020 के रूप में कार्य करतीया और इ मुंबई छत्रपति शिवाजी टर्मिनस (सीएसटीएम) के भुवनेश्वर से जोड़ेले।

रास्ता[संपादन]

दादर, कल्याण, लोनावाला, पुणे, दौंड, सोलापुर, गुलबर्गा, तंदूर, सिकंदराबाद, काजीपेट, वारंगल, महबूबबाद, विजयवाड़ा, एलुरु, राजमुंड्री, विशाखापट्टनम, श्रीकाकुलम, पलासा और बेरहमपुर और खुर्दा रोड ए गाड़ी की रास्ता में प्रमुख हाल्ट हंव स।[1][2]

एकर यात्रा क कुल दूरी 1932 किमी ह एमें पूर्व आंध्र प्रदेश (वर्तमान तेलंगाना और आंध्र प्रदेश) राज्य में लगभग 1066 किलोमीटर क दूरी शामिल बा।

कोच संरचना[संपादन]

एमें 1गो एसी 2 टीयर, 5गो एसी 3 टीयर, 12गो स्लीपर, 1गो पैंट्री कार, 2गो अनारक्षित और 2गो ब्रेक-कम-गार्ड वैन हो न स, एमें कुल मिला के 23गो कोच होन स। और एकर रख रखाव ईस्ट कोस्ट रेलवे और मध्य रेलवे क्षेत्र द्वारा कईल जाला।[3]

रेल इंजन[संपादन]

एकरी रास्ता में खाली कुछ भाग क विद्युतीकरण होखले की कारण, एके दुगो लोकोमोटिव दिहल गईल बा। मुंबई सीएसटी और विजयवाड़ा जंक्शन की बीच्चे, एमें कल्याण शेड क डब्लूपीपी-4 डी लागेला और विजयवाडा जंक्शन से भुवनेश्वर रेलवे स्टेशन ले लालगुडा शेड क डब्लूएपी-4 लागेला।

घटना सभ[संपादन]

31 जुलाई 2008 के कोनार्क एक्सप्रेस क इंजन और दुगो कोच गुलबर्गा की पास गंगापुर स्टेशन पर पटरी से उतर गईन स जेमें दू लोग घायल हो गईल। पटरी से उतरले क कारण अबले मालूम नाहीं चलल बा।[4]

फोटो गैलरी[संपादन]

संदर्भ[संपादन]

  1. http://indiarailinfo.com/train/timetable/konark-express-11020-bbs-to-cstm/946/238/1620
  2. "Konark Express train time table". cleartrip.com. पहुँचतिथी 7 July 2017.
  3. "Konark Express Coach Position". erailway.co.in. पहुँचतिथी 7 July 2017.
  4. "Konark Express derails, two people injured". OneIndia News. पहुँचतिथी 25 July 2011.