Jump to content

केदारनाथ सिंह

विकिपीडिया से
केदारनाथ सिंह
केदारनाथ सिंह
केदारनाथ सिंह
जनम(1934-07-07)7 जुलाई 1934
चकिया, चन्दौली जिला, उत्तर प्रदेश
निधन19 मार्च 2018(2018-03-19) (उमिर 83)
नई दिल्ली, भारत
पेशाकवी
राष्ट्रियताभारतीय
प्रमुख सम्मान
  • साहित्य अकादमी पुरस्कार (1989)
  • ज्ञानपीठ पुरस्कार (2013)

केदारनाथ सिंह (07 जुलाई 1934 - 19 मार्च 2018) हिंदीक एगो परसिद्ध साहित्यकार रहलें। ऊ अज्ञेय दुआरा समपादन कयल तीसरा सप्तक क कवि रहलें। भारतीय ज्ञानपीठ उनके साल 2013 क 49वाँ ज्ञानपीठ पुरस्कार दिहले रहे।[1] ऊ ई पुरस्कार पावै वाला हिंदी क दसवाँ साहित्यकार रहलें।

केदारनाथ सिंह क जनम 07 जुलाई 1934 के उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला में बैरिया के लगे के चकिया गाँव में भइल। इनकार बाबूजी डोमा सिंह एगो किसान रहलें आ इनके माता जी के नाँव लालझरी देवी रहल। महतारी बाप के ई जेठ आ एकलौता बेटा रहलें आ इनके एगो बहिन रमा, इनका से आठ बरिस छोट।[2]

सुरुआती पढ़ाई, अपना गाँव चकिया के लगे के बैरिया से भइल आ ओके बाद बनारस के उदय प्रताप कालेज से। काशी विश्वविद्यालय से बीए आ एमए के पढ़ाई-लिखाई भइल आ रिसर्च के दौरान उदय प्रताप कालेज में कुछ दिन खाती पढ़वलें। एकरे बाद गोरखपुर के सेंट एंड्रूज कालेज आ पड़रौना के उदित नारायण डिग्री कालेज में पढ़वलें। पड़रौना से ई दिल्ली चल गइलेन जब जेएनयू में इनके जगह मिल गइल। एहिजे से रिटायर भइलें।[3]

दिल्लिये में इनके 19 मार्च 2018 के निधन भ गइल।[4][3]

रचना संसार

[संपादन करीं]
कविता संग्रह
  • अभी बिल्कुल अभी
  • जमीन पक रही है[5]
  • यहाँ से देखो[6]
  • बाघ[5]
  • अकाल में सारस[5]
  • उत्तर कबीर और अन्य कविताएँ[6]
  • तालस्ताय और साइकिल[6]
  • सृष्टि पर पहरा
आलोचना
  • कल्पना और छायावाद[6]
  • आधुनिक हिंदी कविता में बिंबविधान[6]
  • मेरे समय के शब्द[6]
  • मेरे साक्षात्कार[6]
संपादन
  • ताना-बाना (आधुनिक भारतीय कविता से एक ठो चयन)[6]
  • समकालीन रूसी कविताएँ[6]
  • कविता दशक[6]
  • साखी (अनियतकालिक पत्रिका)[6]
  • शब्द (अनियतकालिक पत्रिका)[6]
  1. "केदारनाथ सिंह को ज्ञानपीठ पुरस्कार". लाइव हिन्दुस्तान. 20 जून 2014. Archived from the original on 2014-07-06. Retrieved 20 मार्च 2018.
  2. कामेश्वर प्रसाद सिन्हा 2016, p. 17.
  3. 1 2 "Senior poet Kedarnath singh died". Jagran.com. Retrieved 2018-03-20.
  4. "हिंदी के प्रख्यात कवि केदारनाथ सिंह का निधन". Thewirehindi.com. Retrieved 2018-03-20.
  5. 1 2 3 "केदारनाथ सिंह को ज्ञानपीठ सम्मान". बीबीसी हिंदी. 20 जून 2014. Retrieved 21 जून 2014.
  6. 1 2 3 4 5 6 7 8 9 10 11 12 "हिंदी के प्रख्यात कवि केदारनाथ सिंह को ज्ञानपीठ पुरस्कार". बीबीसी हिंदी. 20 जून 2014. Archived from the original on 2014-06-23. Retrieved 21 जून 2014.