केदारनाथ सिंह

विकिपीडिया से
केदारनाथ सिंह
केदारनाथ सिंह
केदारनाथ सिंह
जनम(1934-07-07)7 जुलाई 1934
चकिया, चन्दौली जिला, उत्तर प्रदेश
निधन19 मार्च 2018(2018-03-19) (उमिर 83)
नई दिल्ली, भारत
पेशाकवी
राष्ट्रियताभारतीय
प्रमुख सम्मान
  • साहित्य अकादमी पुरस्कार (1989)
  • ज्ञानपीठ पुरस्कार (2013)

केदारनाथ सिंह (07 जुलाई 1934 - 19 मार्च 2018) हिंदीक एगो परसिद्ध साहित्यकार रहलें। ऊ अज्ञेय दुआरा समपादन कयल तीसरा सप्तक क कवि रहलें। भारतीय ज्ञानपीठ उनके साल 2013 क 49वाँ ज्ञानपीठ पुरस्कार दिहले रहे।[1] ऊ ई पुरस्कार पावै वाला हिंदी क दसवाँ साहित्यकार रहलें।

जिनगी[संपादन करीं]

केदारनाथ सिंह क जनम 07 जुलाई 1934 के उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला में बैरिया के लगे के चकिया गाँव में भइल। इनकार बाबूजी डोमा सिंह एगो किसान रहलें आ इनके माता जी के नाँव लालझरी देवी रहल। महतारी बाप के ई जेठ आ एकलौता बेटा रहलें आ इनके एगो बहिन रमा, इनका से आठ बरिस छोट।[2]

सुरुआती पढ़ाई, अपना गाँव चकिया के लगे के बैरिया से भइल आ ओके बाद बनारस के उदय प्रताप कालेज से। काशी विश्वविद्यालय से बीए आ एमए के पढ़ाई-लिखाई भइल आ रिसर्च के दौरान उदय प्रताप कालेज में कुछ दिन खाती पढ़वलें। एकरे बाद गोरखपुर के सेंट एंड्रूज कालेज आ पड़रौना के उदित नारायण डिग्री कालेज में पढ़वलें। पड़रौना से ई दिल्ली चल गइलेन जब जेएनयू में इनके जगह मिल गइल। एहिजे से रिटायर भइलें।[3]

दिल्लिये में इनके 19 मार्च 2018 के निधन भ गइल।[4][3]

रचना संसार[संपादन करीं]

कविता संग्रह
  • अभी बिल्कुल अभी
  • जमीन पक रही है[5]
  • यहाँ से देखो[6]
  • बाघ[5]
  • अकाल में सारस[5]
  • उत्तर कबीर और अन्य कविताएँ[6]
  • तालस्ताय और साइकिल[6]
  • सृष्टि पर पहरा
आलोचना
  • कल्पना और छायावाद[6]
  • आधुनिक हिंदी कविता में बिंबविधान[6]
  • मेरे समय के शब्द[6]
  • मेरे साक्षात्कार[6]
संपादन
  • ताना-बाना (आधुनिक भारतीय कविता से एक ठो चयन)[6]
  • समकालीन रूसी कविताएँ[6]
  • कविता दशक[6]
  • साखी (अनियतकालिक पत्रिका)[6]
  • शब्द (अनियतकालिक पत्रिका)[6]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "केदारनाथ सिंह को ज्ञानपीठ पुरस्कार". लाइव हिन्दुस्तान. 20 जून 2014. Retrieved 20 मार्च 2018.
  2. कामेश्वर प्रसाद सिन्हा 2016, p. 17.
  3. 3.0 3.1 "Senior poet Kedarnath singh died". Jagran.com. Retrieved 2018-03-20.
  4. "हिंदी के प्रख्यात कवि केदारनाथ सिंह का निधन". Thewirehindi.com. Retrieved 2018-03-20.
  5. 5.0 5.1 5.2 "केदारनाथ सिंह को ज्ञानपीठ सम्मान". बीबीसी हिंदी. 20 जून 2014. Retrieved 21 जून 2014.
  6. 6.00 6.01 6.02 6.03 6.04 6.05 6.06 6.07 6.08 6.09 6.10 6.11 "हिंदी के प्रख्यात कवि केदारनाथ सिंह को ज्ञानपीठ पुरस्कार". बीबीसी हिंदी. 20 जून 2014. Retrieved 21 जून 2014.

स्रोत[संपादन करीं]