कुसुमी जंगल

विकिपीडिया से
कुसुमी जंगल
Map showing the location of कुसुमी जंगल
Map showing the location of कुसुमी जंगल
उत्तर प्रदेश में कुसुमी जंगल के स्थिति
Geography
Locationभारत
Coordinates26°44′59″N 83°28′07″E / 26.749748°N 83.468645°E / 26.749748; 83.468645
Statusनेशनल फारेस्ट
Ecology
Dominant tree speciesसाल (शेखुआ)

कुसुमी जंगल (दूसर नाम: कुसमी, कुसुम्ही, कुष्मी) उत्तर प्रदेश में गोरखपुर के पास एक ठो जंगल बाटे। ई राष्ट्रीय बन हवे जहाँ साल के पेड़ बाने। ई घना जंगल हवे जेकर प्रबंधन सरकारी रूप से होखे ला। हाल में उत्तर प्रदेश सरकार एकरा के इको-टूरिज्म के स्थान बनावे के घोषणा कइले बाटे। ए जंगल में एगो पार्क बा जे के कुसुमी विनोद वन के नाम से जानल जाएला। एही जंगल में एगो बुढ़िया माई मंदिर बाटे। ई सब जगह गोरखपुर के लोगन खातिर पिकनिक स्पॉट के रूप में बाड़ें आ न्यू इयर पर बहुत सारा लोग इहँवा जाएला।

कुसुमी विनोद वन[संपादन करीं]

कुसुमी जंगल में एगो पार्क बाटे। सरकारी वेबसाइट के अनुसार ई शहर के रेलवे स्टेशन से 9 किलोमीटर के दूर पर बा आ इहँवा एक गो चिड़ियाघर बाटे जहाँ कुछ जानवर रखल बाने।[1] कुसुमी जंगल के सरकार इको-टूरिज्म पार्क बनावे के योजना बाना रहल बाटी।[2]

चिड़ियाघर[संपादन करीं]

कुसुमि जंगल में चिड़ियाघर बाटे जेकर नाम शहीद अशफाकुल्ला खान जूलोजिकल पार्क हवे। एकर उद्घाटन उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ द्वारा 2021 में कइल गइल।[3][4]

ईहो देखल जाव[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Places of Interest | District Gorakhpur | India". gorakhpur.nic.in. उत्तर प्रदेश सरकार. Retrieved 14 फरवरी 2023.
  2. "गोरखपुर के कुसम्ही जंगल में बनेगा इको टूरिज्म सेंटर, पर्यटकों को करेगा आकर्षित". हिंदुस्तान (हिंदी में). 7 सितंबर 2022. Retrieved 14 फरवरी 2023.
  3. "Zoo launched in Gorakhpur to boost tourism". Social News XYZ. 27 मार्च 2021. Retrieved 14 फरवरी 2023.
  4. गोरखपुर जू, फारेस्ट विभाग, बन प्रदेश