काल्डेरा
काल्डेरा (अंगरेजी: caldera) एक ठो थलरूप बाटे जवन ज्वालामुखी शंकु के मुहाना पर मौजूद ज्वालामुखी क्रेटर के धँसक के एक ठो बिसाल गड़हा के रूप ले लिहले से बनेला। ई गड़हा कड़ाही नियर आकृति के होला आ अक्सर इनहन में पानी भर जाला आ तब ओह झील के क्रेटर झील (चाहे काल्डेरा झील) कहल जाला। अमेरिका के ओरेगन राज्य में मौजूद क्रेटर लेक एकठो अइसन सुघर उधाहरण बाटे।
नाँव उत्पत्ती[संपादन करीं]
शब्द कॉल्डेरा (caldera) स्पेनिश भाषा के caldera, आ लैटिन भाषा के caldaria से आइल बतावल जाला जिनहन के मतलब होला "खाना पकावे के बर्तन" ("cooking pot")[1] कुछ अंगरेजी स्रोत सभ में एकर हिज्जे cauldron के इस्तेमाल भी देखे में आवे ला,[2] हालाँकि, बाद के शब्दावली के प्रयोग में cauldron के इस्तेमाल अइसन काल्डेरा खातिर होखे लागल बा जे बहुत कटान से हो के गुजरल होखे आ एकरे तली के चट्टानी परत सभ देख्लाई पड़े लागल होखें।[1] ई टर्म caldera के भूबिज्ञान आ भूआकृति बिज्ञान में आवे के स्रोत जर्मनी के भूगर्भशास्त्री लियोपोल्ड फॉन बुष (Leopold von Buch) के द्वारा बतावल जाला जब ऊ 1815 में कनारी दीपसमूह के भ्रमण कइलें आ आपन बिबरन छपववलें,[note 1] जहाँ ऊ पहिली बेर Las Cañadas के देखलें जे टेनेरीफ (Tenerife) के हिस्सा हवे आ जहाँ माउंट टेइडी (Teide) प्रमुख भूआकृतिक चीज हवे, आ एकरे बाद ऊ ला पाल्मा में काल्डेरा दे टाबूरीइन्ते (Caldera de Taburiente) के देखलें।[3][1]
फुटनोट[संपादन करीं]
नोट[संपादन करीं]
- ↑ Leopold von Buch's book Physical Description of the Canary Isles was published in 1825
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ 1.0 1.1 1.2 Cole, J; Milner, D; Spinks, K (February 2005). "Calderas and caldera structures: a review". Earth-Science Reviews. 69 (1–2): 1–26. Bibcode:2005ESRv...69....1C. doi:10.1016/j.earscirev.2004.06.004.
- ↑ Smith, Robert L.; Bailey, Roy A. (1968). "Resurgent Cauldrons". Geological Society of America Memoirs. 116: 613–662. doi:10.1130/MEM116-p613.
- ↑ von Buch, L. (1820). Ueber die Zusammensetzung der basaltischen Inseln und ueber Erhebungs-Cratere. Berlin: University of Lausanne. पहुँचतिथी 28 December 2020.
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
- ज्वालामुखी
- क्रेटर झील — काल्डेरा में पानी भरे से बने वाली झील
- क्रेटर लेक — अमेरिका में अइसने एगो क्रेटर झील जेकर इहे नाँवों हवे।
![]() | ई भूआकृति बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |