Jump to content

क्रेटर लेक

विकिपीडिया से
क्रेटर झील
Crater Lake
क्रेटर झील के पैनोरमा सीन
क्रेटर झील Crater Lake is located in USA
क्रेटर झील Crater Lake
क्रेटर झील
Crater Lake
यूनाइटेड स्टेट्स में लोकेशन
गहिराइ के मॉडल
लोकेशनक्लामथ काउंटी, ओरेगन
झील प्रकारकाल्डेरा झील
वर्षण आ बर्फ के पघिलाव
बास्पीकरण आ रिसाव
23.3 वर्ग मील (60 किमी2)
थाला के देसयूनाइटेड स्टेट्स
अधि. लंबाई6 मील (9.7 किमी)
अधि. चौड़ाई5 मील (8.0 किमी)
20.6 वर्ग मील (53 किमी2)
औसत गहिराई
1,148 फीट (350 मी)
अधि. गहिराई1,949 फीट (594 मी)
4.49 घन मील (18.7 किमी3)
रेजिडेंस टाइम157 साल
तीरे के लंबाई1
21.8 मील (35.1 किमी)
सतह ऊँचाई
6,178 फीट (1,883 मी)
दीपविजार्ड दीप
फैंटम शिप टापू
1 Shore length is not a well-defined measure.

क्रेटर झील या क्रेटर लेक (Crater Lake, लोकल नाँव: giiwas[1]) अमेरिका के पच्छिमी हिस्सा में, कैस्केड परबत श्रेणी में मौजूद एगो काल्डेरा झील बाटे। ई यूनाइटेड स्टेट्स के ओरेगन राज्य में बा। ई झील क्रेटर नेशनल पार्क के मुख्य आकर्षण बाटे आ अपने साफ़ नीला रंग के पानी के खातिर जानल जाले।

ई झील माउंट मजामा नाँव के ज्वालामुखी परबत के क्रेटर के धंसकाव से बनल काल्डेरा, जवन करीब 2,148-फुट (655 मी)-गहिरा बाटे[2] आ करीबन 7,700 (± 150) पहिले बनल रहे[3], में पानी भर गइले से बनल बाटे। हालाँकि, एह झील में न कौनों नदी गिरे ले न एकरा से बाहर निकसे ले, तबो एकर पानी भाप बनके उड़े से आ बरखा आ बरफ से आगम होखे से, लगभग 250 बरिस में बदल जाला। झील के गहिराई 1,949 फीट (594 मी),[4] बाटे आ एह प्रकार से ई यूनाइटेड स्टेट्स के सभसे गहिरा झीलसब में से एक बा। दुनिया के सभसे गहिरा झीलसब में एकर दसवाँ अस्थान बाटे।

झील के अंदर सिंडर कोन के पानी के सतह से ऊपर ले आ गइले के वजह से बनल दू गो टापू भी बाड़ें।

  1. "Klamath Tribes Language Project". The Klamath Tribes. 2012. Archived from the original on 2019-01-07. Retrieved मार्च 21, 2016.
  2. "Facts about Crater Lake". Oregon Explorer. Oregon State University. Archived from the original on 2012-03-22. Retrieved 2009-02-05.
  3. "Crater Lake". Global Volcanism Program. Smithsonian Institution. Retrieved 2008-12-18.
  4. Bacon, CR; Gardner, JV; Mayer, LA; Buktnenica, MW; et al. (जून 2002). "Morphology, volcanism, and mass wasting in Crater Lake, Oregon" (PDF). GSA Bulletin. 114 (6): 675–692.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]