कालिंजर किला

विकिपीडिया से
कालिंजर किला
Part of भारत
बाँदा जिला, उत्तर प्रदेश, भारत
Near चित्रकूट धाम (कर्वी)
कालिंजर किला के एगो व्यू
Coordinates24°59′59″N 80°29′07″E / 24.9997°N 80.4852°E / 24.9997; 80.4852
Typeकिला, गुफा & मंदिर
Height1,200 फीट (370 मी)
Site information
Controlled byभारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण (एएसआइ)
Open to
the public
Yes
Conditionखँड़हर हो चुकल पहाड़ी गढ़
Site history
Built5वीं सदी
Materialsग्रेनाइट पाथर
Demolished1858
Battles/warsMahmud of Ghazni 1023, Sher Shah Suri 1545, Maratha Peshwa 1732, East India Company 1812 and Revolt of 1857
Garrison information
Past
commanders
Gupta Empire ,Chandel dynasty of Rajputs, Solanki of Rewa, Maratha Peshwas
Garrisonमराठा सेना 1731 — 1858 ब्रिटिश गैरिसन 1947

कालिंजर किला चाहे कालिंजर के किला (संस्कृत: कालंजर दुर्ग) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के बाँदा जिला में एगो प्राचीन किला ह। ई बुंदेलखंड इलाका में एगो रणनीतिक लोकेशन पर, पहाड़ी के ऊपर बनल किला हवे जेकरा सोझा बुंदेलखंड के मैदान पड़े ला। एह किला से कई ठे शासक लोग आसपास के इलाका पर शासन कइल जिनहन में गुप्त वंश, वर्द्धन, चंदेल, आ रीवा के सोलंकी वंश के लोग आ बाद में मुग़लब्रिटिश लोग शामिल बाटे।

इतिहास में एह किला के महत्व एह बात खातिर रहल बाटे कि एकर लगभग अजेय (न जीतल जा सके वाला) किला के रूप में परसिद्धि रहल। अफ़गान बंस के परसिद्ध शासक शेर शाह सूरी के मौत एही किला पर हमला आ घेराबंदी के दौरान भइल रहल। मुगल काल में अकबर एकरा के जितलें आ बाद में मराठा लोगन के उत्तर भारत बिजय के दौरान ई छत्रसाल बुंदेला के अधीन भइल।

किला के भीतर कई ठे मंदिर बाड़ें जिनहन में कुछ गुप्त काल के मानल जालें। प्राचीन शिव मंदिर केबारे में कथा हवे कि एहिजे शंकर जी कालकूट बिष पी के काल पर बिजय हासिल कइले रहलें। वर्तमान समय में ई किला आ एकरा भीतर के ढाँचा सभ भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के निगरानी आ अधीनता में बाड़ें आ ई एह इलाका के एगो प्रमुख पर्यटन स्थल बाटे।