Jump to content

किला

विकिपीडिया से
दिल्ली के लाल किला, लाहौरी गेट के सीन
राजस्थान के जैसलमेर के किला

किला (उर्दू: قلعہ क़िला; संस्कृत: दुर्ग; अंग्रेजी: fort आ fortification) एक किसिम के मलेटरी भवन चाहे ढाँचा होला जे जुद्ध के समय सेना खातिर सुरक्षित अड्डा के रूप में आम समय में शासन के कामकाज के खातिर इस्तेमाल होखे ला। किला बना के सुरक्षित करे के काम आ अइसन ढाँचा के बनावल, आ अइसन ढाँचा से सुरक्षित जगह दुनों के किलेबंदी कहल जाला। छोटहन किलेबंदी क के बनवल कोट, गढ़ीगढ़ हो सके लें; यूरोप में इनहन से मिलत जुलत ढाँचा कासल भा कैसल होखें; बड़हन किलेबंदी के ढाँचा पूरा शहर सभ ले के चारों ओर देवाल बना के बनावल जायँ।

किलेबंदी के प्राचीन सबूत सिंधु घाटी सभ्यता के जमाना से मिले ला प्राचीन भारत के ग्रंथ अर्थशास्त्र में दुर्ग के महत्व आ प्रकार के बिबरन मिले ला; मध्य जुग में इनहन के महत्त्व आ जोर दुनो बहुत रहल; 19वीं सदी के बाद से तोप के गोला (आधुनिक शॆल) सभ के एडवांस आ बेसी घातक हो जाये के बाद किला आ किलेबंदी के महत्व घट गइल आ ई जुद्ध ढाँचा पुरान पड़ गइलें।