Jump to content

कामसूत्रम्

विकिपीडिया से
कामसूत्रम्
कामसूत्र के कभर पेज
फ्रेंच में अनुबाद के कभर पेज
लेखकवात्स्यायन
भाषासंस्कृत
बिसयकाम, सेक्स, बिबिध अन्य बिसय
बिधासिद्धांत, सूत्र
छपे के जगहभारत

कामसूत्रम् चाहे कामसूत्र संस्कृत भाषा में रचल गइल प्राचीन पुस्तक हवे जेकर रचयिता वात्स्यायन हवें। भारतीय संस्कृति में धर्म, अर्थ, काम आ मोक्ष के रूप में गिनावल चार गो पुरुषार्थ सभ में से काम के ऊपर लिखल गइल एह किताब के कई अन्य भाषा सभ में अनुबाद हो चुकल भा आ प्राचीन भारतीय साहित्य के एगो उल्लेखनीय रचना के रूप में मानल जाले।