ओ. पी. नैय्यर

विकिपीडिया से
ओ. पी. नैय्यर
Nayyar on a stamp of India
सामान्य जानकारी
जनम नाँवओंकार प्रसाद नैय्यर
जनम(1926-01-16)16 जनवरी 1926
लाहौर, पंजाब, ब्रिटिश भारत
निधन28 जनवरी 2007(2007-01-28) (उमिर 81)
मुंबई, महाराष्ट्र, भारत
बिधाफिलिम स्कोर
पेशा सभसिंगर, रिकार्ड प्रोड्यूसर आ म्यूजिक डाइरेक्टर
साजपियानो, ढोलक, कीबोर्ड, ड्रम
सक्रियता1951–1994

ओ. पी. नैय्यर के नाँव से परसिद्ध ओंकार प्रसाद नैय्यर (16 जनवरी 1926 — 28 जनवरी 2007) एगो भारतीय फिलिम म्यूजिक कंपोजर, सिंगर-गीतकार, म्यूजिक प्रोड्यूसर, आ संगीतकार रहलें। इनका के हिंदी फिलिम इंडस्ट्री के सभसे मधुर संगीतकार लोगन में गिनल जाला। 1958 में इनका के नया दौर फिलिम खातिर बेस्ट म्यूजिक डाइरेक्टर के फिलिमफेयर अवार्ड मिलल। नैय्यर के काम मुख्य रूप से गीता दत्त, आशा भोसले, आ मोहम्मद रफ़ी के साथे रहल जबकि ओह ज़माना के सभसे चोटी के गायिका लता मंगेशकर के साथे कम काम कइलें। नैय्यर किशोर कुमार के हिट आ पापुलर गायक बने से पहिले चीन्ह लिहले रहलें; बाप रे बाप (1955) अइसने "ओ.पी." स्टाइल के फिलिम रहल आ अइसने रागिनी (1961) फिलिम भी रहल हालाँकि, इनहन लोग के जोड़ी आगे बहुत ना जमल।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]