आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
आगरा फोर्ट
भारतीय रेलवे स्टेशन
WAP4-22538 Agra Fort.jpg
स्थाई WAP 4
Location रकबगंज, आगरा, उत्तर प्रदेश
भारत
Coordinates 27°11′00″N 78°01′07″E / 27.1833°N 78.0187°E / 27.1833; 78.0187निर्देशांक: 27°11′00″N 78°01′07″E / 27.1833°N 78.0187°E / 27.1833; 78.0187
Elevation 170 मीटर (560 फीट)
Owned by भारतीय रेल
Operated by उत्तर सेंट्रल रेलवे
Line(s) कानपुर-दिल्ली खंड
Platforms 4
Construction
Structure type जमीन पर बनल आम स्टेशन
Parking No
Bicycle facilities No
Other information
Status चालू
Station code AF
Division(s) आगरा
History
Opened 1874?
Electrified 1982-85
Location
आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन is located in Uttar Pradesh
आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन
आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन
उत्तर प्रदेश में लोकेशन

आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन, आगरा फोर्ट की पास रावतपारा, आगरा में स्थित बा। इ भारत कि कईगो ओ स्टेशन में से एगो रहे जवने प दुनुं, ब्रॉड गेज आ मीटर गेज लाइन रहली स, तबले जबले की जयपुर खातिर जवन लाइन रहे ओके ब्रॉड गेज में परिवर्तित नाहीं करा गईल। आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन उत्तर मध्य रेलवे की अंतर्गत आवेला।

अवलोकन[संपादन]

आगरा, जवन की मुगलन क 16वीं-17वीं सदी क राजधानी ह, इ ताजमहल और आगरा क किला जइसन विशेष स्मारकन क जन्मस्थली ह। ताजमहल 2-4 लाख पर्यटक प्रतिवर्ष आकर्षित करेला। करीब 200,000 विदेशी पर्यटक एकर यात्रा कईले बान स।[1]

इतिहास[संपादन]

1,000 मिमी (3 फुट 3 3/8 इंच) चौड़ा मीटर गेज दिल्ली-बांदीकुई और बांदीकुई-आगरा राजपूताना स्टेट रेलवे क लाइन 1874 में खुलली स।[2] आगरा-जयपुर लाइन 2005 में 1,676 मिमी (5 फीट 6 इंच) ब्रॉड गेज में परिवर्तित करा गईल।[3]

जामा मस्जिद और आगरा फोर्ट की दिल्ली गेट के बीच एगो विशाल अष्टकोणीय त्रिपोलिया चौक रहे, ए त्रिपोलिया के आगरा फोर्ट स्टेशन बनावे खातिर नष्ट करा गईल, इ रेलवे स्टेशन आगरा क पहिला रेलवे स्टेशन और भारत की सबसे पुराना रेलवे स्टेशनन में से एगो रहे।[4]

विद्युतीकरण[संपादन]

फरीदाबाद-मथुरा-आगरा खंड क 1982-85 में विद्युतीकरण, टुंडला-यमुना ब्रिज 1988-89 में, और 1990-91 में यमुना पुल-आगरा क विद्युतीकरण भइल।[5]

यात्री[संपादन]

आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन 87,000 यात्रियन के हर दिन सेवा देला।[6]

उपलब्ध सुविधा[संपादन]

आगरा फोर्ट रेलवे स्टेशन प टेलीफोन बूथ, प्रतीक्षा कक्ष, रिटायरिंग रूम, रिफ्रेशमेंट रूम, वाटर कूलर और पुस्तक स्टाल क सुविधा बा।

संदर्भ[संपादन]

  1. "Taj Visitors". Department of Tourism, Govt. of Uttar Pradesh. पहुँचतिथी 2 July 2013.
  2. "IR History:Early Days II (1870-1899)". IRFCA. पहुँचतिथी 23 June 2013.
  3. "Boost for Jaipur-Agra rail link". The Hindu, 6 मई 2005. पहुँचतिथी 2 July 2013.
  4. "Agra Fort Railway Station Train Time Table". cleartrip.com. पहुँचतिथी 7 दिसंबर 2016.
  5. "History of Electrification". IRFCA. पहुँचतिथी 2 July 2013.
  6. "Agra Fort". Indian Rail Enquiry. पहुँचतिथी 2 July 2013.