Jump to content

अमेजन जंगल

विकिपीडिया से
अमेज़न वर्षावन
पुर्तगाली: Floresta amazônica

स्पेनी: Selva amazónica
ब्राजील के मानौस के नगीचे के एगो सीन
Geography
वल्ड वाइड फंड फॉर नेचर संस्था द्वारा सीमांकन कइल नक्शा। पियरकी लाइन मोटा-मोटी अमेजन के बहाव बेसिन के देखावत बाटे। देसन के सीमा के करिया लाइन से देखावल गइल बा।
(सैटलाइट से लिहल फोटो नासा के सौजन्य से)
Locationअमेजन बेसिन, दक्खिन अमेरिका, ब्राज़ील, पेरू, कोलंबिया, वेनेजुएला, इक्वेडोर, बोलीविया, गयाना, सूरीनाम, फ्रांस (फ्रेंच गयाना)
Coordinatesनिर्देशांक: 3°S 60°W / 3°S 60°W / -3; -60
Area5,500,000 किमी2 (5.9×1013 वर्ग फु)

अमेजन बरखाबन भा अमेजन जंगल (Amazon rainforest, अमॆजोन रेनफ़ॉरॆस्ट) दक्खिन अमेरिका के ब्राजील आ आसपास के देसन में मौजूद चाकरपतई वाला, उष्ण कटिबंधी नम जलवायु वाला बरसाती बन हवें। ई अमेजन नदी के बेसिन में बिस्तार लिहले बाड़ें जेकरा चलते इनहन के ई नाँव पड़ल हवे। अंग्रेजी में इनहन के अमेजन रेनफारेस्ट भा अमेजोनिया भी कहल जाला आ लोकल भाषा में सेल्वा ऍमॆजोनिया के नाँव से जानल जाला। अमेजन बेसिन के बिस्तार लगभग 7,000,000 किमी2 (2,700,000 वर्ग मील) रकबा पर बाटे आ एकर करीबन 5,500,000 किमी2 (2,100,000 वर्ग मील) इलाका एह बरसाती बन सभ वाला बाटे। ई इलाका कुल नौ गो देसन के सीमा में बिस्तार लिहले बाटे।

एह बरसाती बन के जादेतर हिस्सा ब्राजील देस में पड़े ला, लगभग 60 % हिस्सा एही देस में बाटे, एकरे बाद पेरू देस में एकर लगभग 13 % हिस्सा, कोलंबिया में 10 %, आ बाकी के हिस्सा वेनेजुएला, इक्वेडोर, बोलीविया, गयाना, सूरीनाम आ फ्रांस (फ्रेंच गयाना) में बाटे। चार गो देसन में एह बन सभ खातिर "अमेजोनास" नाँव से पहिला-स्तर के प्रशासनिक बिभाग (प्रांत) बाड़ें। अमेजन के ई जंगल पूरा दुनिया में बचल बरसाती बन सभ के लगभग आधा हिस्सा बाड़ें।[1] बरखाबन के सभसे बेसी एक साथ बिस्तार वाला ई जंगल सभसे बेसी जीवबिबिधता वाला बरखाबन हवे जहाँ एस्टीमेट के मोताबिल 390 बिलियन पेड़ बाने आ ई लगभग 16,000 प्रजातिन के बाड़ें।[2]

2019 में ब्राजील के एह जंगल सभ में भारी जंगल के आग के खबर दुनिया के सोझा आइल जब इहाँ के अंतरिक्ष रिसर्च के नेशनल इन्स्टीट्यूट (Instituto Nacional de Pesquisas Espaciais — INPE) द्वारा जानकारी दिहल गइल कि कम से कम 75,336 जंगल के आग के घटना एह साल जनवरी से अगस्त 2019 ले हो चुकल बाड़ी स, ई अबतक के रिकार्ड सभसे बेसी संख्या बाटे जबसे 2013 आइएनपीई अइसन डेटा एकट्ठा क रहल बाटे।[3][4] ई आँकड़ा सैटेलाईट से लिहल तस्वीर सभ के सहारे एकट्ठा कइल जाला।[5] धियान देवे के बात ई बा इ एह जंगल सभ के "पृथिवी के फेफड़ा" नाँव दिहल जाला।[6]

जीवबिबिधता

[संपादन करीं]
बन के बिनास के चलते एह जंगल में कई ठे प्रजाति सभ खतरा में बाड़ी; (चित्र में देखावल: जायंट लीफ़ मेंघुचा
स्कार्लेट मकाऊ, जे अमेरिकी उष्णकटिबंधी इलाका के नेटिव (मूल निवासी) प्रजाति के सुग्गा हवे।

नम उष्णकटिबंधी बन सभ के बिसेसता हवे की ई सभसे बेसी जीवबिबिधता वाला बायोम हवें। इहो उल्लेख के बात बा कि एशिया आ अफिरका में पावल जाए वाला अइसन बन सभ के तुलना में दक्खिन अमेरिका के ई अमेजन बन में बेसी जीव बिबिधता पावल जाले।[7] एगो सोलहग एतना बिस्तृत बन होखे के कारण एह जंगल सभ के जीवबिबिधता दुनिया में अपने-आप में सभसे बेसी बा जवना के तुलना अउरी कहीं से ना हो सके ला। दुनिया में जेतना प्रजाति सभ के जानकारी बाटे, दस में से एक प्रजाति इहाँ मिले ला।[8] एह तरीका से ई बायोम दुनिया के सभसे बिबिध प्रजाति सभ के इलाका बन जाला।

एह इलाका में 25 लाख प्राजाति के कीड़ा-मकोड़ा (इन्सेक्ट) पावल जालें,[9] दसन हजार किसिम के फेड़ पावल जालें, 2,000 से बेसी प्रजाति के चिरई आ मैमल आ दू हजार से बेसी प्रजाति के मछरी पावल जालीं।[10] 1,294 birds, 427 mammals, 428 amphibians, and 378 reptiles have been scientifically classified in the region.[11] दुनिया के एक बटा पाँच किसिम के चिरई सभ एही जंगल में पावल जाली लगभग एतने, मने कि पाँच में एक, किसिम के मछरी अमेजन के सहायक नदी आ एह नदी में पावल जालीं। बैज्ञानिक लोग 96,660 से 128,843 गो इन्वर्टीब्रेट सभ के प्रजाति के जानकारी अकेल्ले ब्राजील में बतवले बा।[12]

अमेजन बेसिन के वनस्पति जैव विविधता दुनिया में सबसे अधिक मानल जाले। 2001 में भइल एगो अध्ययन के अनुसार, इक्वाडोर के अमेजन वर्षावन के खाली पाव वर्ग किलोमीटर (लगभग 62 एकड़) क्षेत्र में 1,100 से अधिक पेड़ के प्रजाति पावल जाली।[13]

1999 में भइल एगो अध्ययन में पता चलल कि अमेजन वर्षावन के एक वर्ग किलोमीटर (लगभग 247 एकड़) क्षेत्र में लगभग 90,790 टन जीवित वनस्पति मौजूद हो सकेली। औसतन, एह जंगल के वनस्पति जैवभार (Plant Biomass) के मात्रा लगभग 356 ± 47 टन प्रति हेक्टेयर आँकल गइल बा।[14]

अब तक एह क्षेत्र में 4,38,000 से अधिक अइसन वनस्पति प्रजातियन के पंजीकृत कइल जा चुकल बा, जिनकर आर्थिक आ सामाजिक महत्व बा। हालाँकि, अबहियो बहुत सगरी प्रजातियन के खोज भा वैज्ञानिक विवरण बाकी बा।[15] पूरा अमेजन क्षेत्र में पेड़ के लगभग 16,000 प्रजाति होखे के अनुमान बा।[2]

पौधा आ पेड़ के हरियर पत्ती के क्षेत्रफल (Green Leaf Area) में मौसम के बदलाव के कारण लगभग 25 प्रतिशत तक उतार-चढ़ाव होखेला। सूखा मौसम में, जब सूरज के रोशनी सबसे अधिक मिलेला, तब नया पत्ती तेजी से निकल के फइल जाली। जबकि बरसात के मौसम में, जब बादल अधिक रहेला, तब पुरान पत्ती झड़ जाए लागेली। एह मौसमी बदलाव से प्रकाश-संश्लेषण (Photosynthesis) आ श्वसन (Respiration) के बीच कार्बन के संतुलन बनल रहेला।[16]

रेनफॉरेस्ट (वर्षावन) में कई अइसन प्रजाति पावल जाली, जवन खतरनाक हो सके लीं। सबसे बड़ साइज के शिकारी जानवरन में ब्लैक कैमन, जैगुआर, कूगर आ एनाकोंडा शामिल बाड़ें। नदी में इलेक्ट्रिक ईल (मछरी नियर जीव) बिजली के झटका दे सकेला, जवन आदमी के बेहोश या मार भी सकेला, जबकि पिरान्हा मछरी आदमी के काट के घायल कर सकेली।[17] कई तरह के जहरीला डार्ट मेंढक अपना शरीर से जहरीला पदार्थ (बिस) छोड़ेला। एह जंगल में बहुत सारा परजीवी (पेरासाईट) आ बीमारी फैलावे वाला जीव भी मिले लें। वैंपायर चमगादड़ एह जंगल में रहेला, जवन रेबीज वायरस फैला सकेला।[18] साथे-साथ, अमेजन क्षेत्र में मलेरिया, येलो फीवर आ डेंगू बुखार जइसन बीमारी भी हो सकेली।

बन सभ के बिनास, भा बननास (deforestation) के मतलब जंगल वाला इलाका के गैर-जंगली इलाका में बदलल ह। अमेजन में जंगल सब के कटाई के मुख्य कारण मानव बस्ती बसावल आ जमीन के विकास (लैंड डेवलपमेंट) ह। 2022 तक अमेजन के लगभग 20% वर्षावन के कटाई हो चुकल रहे आ अउरी 6% जंगल "बहुत जादे खराब हालत में" पहुँच गइल रहे। शोध से पता चले ला कि जब वनों के कटाई लगभग 20–25% तक पहुँच जाई (यानी अभी के स्थिति से 0–5% अउरी), तब अमेजन के गैर-जंगली पारितंत्र—खराब हालत वाला सवाना—में बदल जाए के निर्णायक बिंदु आ सकेला। ई बदलाव पूर्वी, दक्षिणी आ मध्य अमेजन में हो सकेला। सवानीकरण के एह प्रक्रिया के पूरा असर सोझा आवे में कई दशक लागी।

  1. ↑ "WNF: Places: Amazon". Retrieved 4 June 2016.
  2. 1 2 "Field Museum scientists estimate 16,000 tree species in the Amazon". Field Museum. 17 अक्टूबर 2013. Archived from the original on 2019-12-07. Retrieved 18 अक्टूबर 2013.
  3. ↑ "'Record number of fires' in Brazilian rainforest". BBC News Online. BBC Online. बीबीसी. 21 अगस्त 2019. Retrieved 21 अगस्त 2019.
  4. ↑ Rodriguez, Jeremiah (22 अगस्त 2019). "As the Amazon burns, Brazil's president draws global outrage". CTV News. Archived from the original on 2019-08-27. Retrieved 22 अगस्त 2019.
  5. ↑ Andreoni, Manuela; Hauser, Christine (21 अगस्त 2019). "Fires in Amazon Rain Forest Have Surged This Year". दि न्यूयॉर्क टाइम्स. Rio de Janeiro. Retrieved 21 अगस्त 2019.
  6. ↑ "Amazon: Lungs of the planet". www.bbc.com (अंग्रेजी में). बीबीसी. Retrieved 23 अगस्त 2019.
  7. ↑ Turner, I.M. 2001. The ecology of trees in the tropical rain forest. कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस, कैंब्रिज. ISBN 0-521-80183-4
  8. ↑ "Amazon Rainforest, Amazon Plants, Amazon River Animals". वल्ड वाइड फंड फॉर नेचर. Archived from the original on 17 May 2008. Retrieved 6 May 2008.
  9. ↑ "Photos / Pictures of the Amazon Rainforest". Travel.mongabay.com. Archived from the original on 17 December 2008. Retrieved 18 December 2008.
  10. ↑ James S. Albert; Roberto E. Reis (8 March 2011). Historical Biogeography of Neotropical Freshwater Fishes. University of California Press. p. 308. Archived from the original on 30 June 2011. Retrieved 28 June 2011.
  11. ↑ Da Silva; Jose Maria Cardoso; et al. (2005). "The Fate of the Amazonian Areas of Endemism". Conservation Biology. 19 (3): 689–694. doi:10.1111/j.1523-1739.2005.00705.x.
  12. ↑ Lewinsohn, Thomas M.; Paulo Inácio Prado (June 2005). "How Many Species Are There in Brazil?". Conservation Biology. 19 (3): 619–624. doi:10.1111/j.1523-1739.2005.00680.x.
  13. ↑ Wright, S. Joseph (12 October 2001). "Plant diversity in tropical forests: a review of mechanisms of species coexistence". Oecologia. 130 (1): 1–14. Bibcode:2002Oecol.130....1W. doi:10.1007/s004420100809. PMID 28547014.
  14. ↑ Laurance, William F.; Fearnside, Philip M.; Laurance, Susan G.; Delamonica, Patricia; Lovejoy, Thomas E.; Rankin-de Merona, Judy M.; Chambers, Jeffrey Q.; Gascon, Claude (14 June 1999). "Relationship between soils and Amazon forest biomass: a landscape-scale study". Forest Ecology and Management. 118 (1–3): 127–138. doi:10.1016/S0378-1127(98)00494-0.
  15. ↑ "Amazon Rainforest". South AmericaTravel Guide. Archived from the original on अगस्त 12, 2008. Retrieved अगस्त 19, 2008.
  16. ↑ Mynenia, Ranga B.; et al. (13 March 2007). "Large seasonal swings in leaf area of Amazon rainforests". Proceedings of the National Academy of Sciences. 104 (12): 4820–4823. Bibcode:2007PNAS..104.4820M. doi:10.1073/pnas.0611338104. PMC 1820882. PMID 17360360.
  17. ↑ "Piranha 'less deadly than feared'". BBC News. 2 July 2007. Archived from the original on 7 July 2007. Retrieved 2 July 2007.
  18. ↑ da Rosa; Elizabeth S. T.; et al. (August 2006). "Bat-transmitted Human Rabies Outbreaks, Brazilian Amazon". Emerging Infectious Diseases. 12 (8): 1197–1202. doi:10.3201/eid1708.050929. PMC 3291204. PMID 16965697.