Jump to content

दक्खिन अमेरिका के भूगोल

विकिपीडिया से
दक्खिन अमेरिका महादीप के उपग्रह से लिहल गइल आर्थोग्राफिक चित्र

दक्खिन अमेरिका भूगोलीय हिसाब से नई दुनिया (दुनों अमेरिका महादीप) कऽ एगो महादीप हवे आ एकरे भूगोल में बिबिध प्रकार के क्षेत्र आ जलवायु वाला इलाका सामिल बाने। हालाँकि, दुनों अमेरिका महादीप पनामा थलजोड़ से जुड़ल हवें आ पनामा नहर से अलग होखे लें, ई दक्खिनी महादीप परंपरागत रूप से अलगा से एगो महादीप मानल जाला आ कभी-काल्ह के इनहन के एक्के सुपरमहादीप के रूप में भी देखल जाला आ अंग्रेजी में अमेरिकाज़ कहि के बोलावल जाला। राजनीतिक सीमा के आधार पर पनामा–कोलंबिया के बाडर के एह दुनों महादीप सभ के बीचा के बिभाजक मानल जाला।

दक्खिन अमेरिका के उत्तर अमेरिका से जुड़ाव करीबन 30 लाख बरिस पहिले, पनामा के थलजोड़ (इस्थमस ऑफ पनामा) के बने से भइल। एकरे बाद भइल भूबिग्यानी इतिहास के घटना के ग्रेट अमेरिकन इंटरचेंज के नाँव से जानल जाला। एंडीज, जे एगो नया आ अभिन ले हलचल से गुजरे वाला परबत श्रेणी बा, एह महादीप के पच्छिमी किनारे के रूप में स्थित बा; उत्तरी एंडीज के पुरुब ओर बिसाल इलाका बा जे भूमध्य रेखीय बरखा बन वाला इलाका हवे आ अमेजन बेसिन के नाँव से जानल जाला। एह महादीप पर पेटागोनिया के पठारअटाकामा के रेगिस्तान नियर सूखा इलाका भी बाने अउरी लानोज, कैंपोजपंपाज के घास के मैदान बाड़ें।

एह महादीप के अंतर्गत कई ठे दीपसभ भी आवे लें जे अलग-अलग देस सभ के द्वारा शासित बाड़ें सऽ। एकरे उत्तर में कैरिबीयन दीप सभ के आमतौर पर उत्तर अमेरिका के साथे शामिल कइल जाला। हालाँकि, एह सागर के किनारे मौजूद जवन देस सभ दक्खिन अमेरिका में बाड़ें उनहन में कोलंबिया, वेनेजुएला, गयाना, सूरीनाम, आ फ्रेंच गयाना सभ के कैरेबियन दक्खिन अमेरिका के उपनाँव से भी जानल जाला।

राजनीतिक इकाई सभ

[संपादन करीं]

रकबा आ जनसंख्या दुनों के हिसाब से ब्राजील देस एह महादीप के सभसे बड़हन देस बा। ओहिजे अर्जेंटीना इहाँ के सभसे ढेर शहरीकरण वाला देस बा।[1] एह महादीप के उपबिभाग सभ में एंडीज परबत के सहारे एंडीयन स्टेट्स, कैरीबियन सागर के सहारे कैरीबियन स्टेट्स, आ दक्खिनी नोकदार हिस्सा में सदर्न कोन स्टेट्स के नाँव से भी जानल जाला। महादीप के देस आ राज्यक्षेत्र सभ के लिस्ट नीचे दिहल जा रहल बा:

राज्यक्षेत्र के नाव,
झंडा के साथ
रकबा
(किमी²)
आबादी
(जुलाई 2009 अनु.[2])
जनसंख्या घनत्व
(प्रति किमी²)
राजधानी
अर्जेंटाइना अर्जेंटीना[3] 2,766,890 40,913,584 14.8 ब्यूनस आयर्स
बोलीविया बोलीविया[4] 1,098,580 9,775,246 8.9 ला पाज, सुक्रे[5]
ब्राजील ब्राजील[6] 8,511,965 198,739,269 23.3 ब्रासीलिया
चिली चिली[7][8] 756,950 16,601,707 21.9 सैंटियागो
कोलंबिया कोलंबिया[9] 1,138,910 45,644,023 40.1 बोगोटा
इक्वेडोर इक्वेडोर[10] 283,560 14,573,101 51.4 क्विटो
फॉकलैंड दीप फाकलैंड दीप (यूके)[11][12] 12,173 3,140 0.26 स्टैनली
फ्रेंच गयाना (फ्रांस) 83,534[13] 221,500[14] 2.7 कायने
गयाना गयाना[15] 214,970 772,298 3.6 जार्जटाउन, गयाना
पराग्वे पराग्वे[16] 406,750 6,995,655 17.2 आसूंसियों
पेरू पेरू[17] 1,285,220 29,546,963 23.0 लीमा
दक्खिन जॉर्जिया आ दक्खिन सैंडविच दीप साउथ जार्जिया एंड
साउथ सैंडविच आइलैंड
(यूके)[18][19]
3,903 0 0 ग्राइट्विकेन
सूरीनाम सूरीनाम[20] 163,270 481,267 2.9 पारमाराइबो
उरुग्वे उरुग्वे[21] 176,220 3,494,382 19.8 मोंटेवीडियो
वेनेजुएला वेनेजुएला[22] 912,050 26,814,843 29.4 कराकास
  1. "South America - Effects of rapid population increase". Encyclopedia Britannica (अंग्रेजी में). Retrieved 29 दिसंबर 2018.
  2. Except for the figures on the Falkland Islands (which are from July 2008) and French Guiana (January 2008).
  3. "CIA - The World Factbook - Argentina". Archived from the original on 2007-06-12. Retrieved 2018-08-29.
  4. "CIA - The World Factbook - Bolivia". Archived from the original on 2018-12-11. Retrieved 2018-08-29.
  5. La Paz is the administrative capital of Bolivia; Sucre is the judicial seat.
  6. "CIA - The World Factbook - Brazil". Archived from the original on 2020-12-29. Retrieved 2018-08-29.
  7. "CIA - The World Factbook - Chile". Archived from the original on 2015-11-06. Retrieved 2018-08-29.
  8. Includes Easter Island in the Pacific Ocean, a Chilean territory frequently reckoned in Oceania. Santiago is the administrative capital of Chile; Valparaíso is the site of legislative meetings.
  9. "CIA - The World Factbook - Colombia". Archived from the original on 2009-05-13. Retrieved 2018-08-29.
  10. "CIA - The World Factbook - Ecuador". Archived from the original on 2007-06-12. Retrieved 2018-08-29.
  11. "CIA - The World Factbook - Falkland Islands". Archived from the original on 2010-01-29. Retrieved 2018-08-29.
  12. Claimed by Argentina.
  13. BBC NEWS | Americas | Country profiles | Regions and territories: French Guiana
  14. Insee - Population - Population des régions au 1er janvier Archived फरवरी 11, 2009 at the Wayback Machine
  15. "CIA - The World Factbook - Guyana". Archived from the original on 2018-12-23. Retrieved 2018-08-29.
  16. "CIA - The World Factbook - Paraguay". Archived from the original on 2015-11-04. Retrieved 2018-08-29.
  17. "CIA - The World Factbook - Peru". Archived from the original on 2016-11-05. Retrieved 2018-08-29.
  18. "CIA - The World Factbook - South Georgia and the South Sandwich Islands". Archived from the original on 2015-08-13. Retrieved 2018-08-29.
  19. Also claimed by Argentina, the South Georgia and the South Sandwich Islands in the South Atlantic Ocean are commonly associated with Antarctica (due to proximity) and have no permanent population, only hosting a periodic contingent of about 100 researchers and visitors.
  20. "CIA - The World Factbook - Suriname". Archived from the original on 2019-01-07. Retrieved 2018-08-29.
  21. "CIA - The World Factbook - Uruguay". Archived from the original on 2007-06-12. Retrieved 2018-08-29.
  22. "CIA - The World Factbook - Venezuela". Archived from the original on 2020-12-30. Retrieved 2018-08-29.