रीटा भादुड़ी

विकिपीडिया से
रीटा भादुड़ी
রীতা ভাদুড়ি
साल 2012 के दिसंबर में भादुड़ी
जनमलखनऊ, उत्तर प्रदेश, भारत
निधन17 जुलाई 2018
मुंबई, महाराष्ट्र
पेशाफिलिम ऐक्ट्रेस, टीवी ऐक्ट्रेस
सक्रियता साल1968–2018

रीटा भादुड़ी (4 नवंबर 1955 – 17 जुलाई 2018) एक ठो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस रहली। रीटा भादुड़ी के हिंदी सिनेमा में एक्टिंग करे खातिर बॉलीवुड ऐक्ट्रेस के रूप में जानल जाला।

लखनऊ में जनमल भादुड़ी 70 के दशक से आपन फिलिमी कैरियर के सुरुआत कइली। एकरे बाद ई 80 आ 90 के दशक में सपोर्टिंग ऐक्ट्रेस के रूप कई ठे फिलिम में देखाई पड़ली। इनके सभसे उल्लेख जोग फिलिम राजश्री प्रोडक्शन के सावन को आने दो (1979) रहल आ राजा (1995) में इनके काम खाती इनके बेस्ट स्पोर्टिंग ऐक्ट्रेस के कटेगरी में फिल्मफेयर नामांकन मिलल रहे। सुपरहिट फिलिम जूली (1975) में ई मुख्य चरित्र जूली के सखी के रूप में रोल कइले रहली आ गाना "ये रातें नई पुरानी" इनका ऊपर फिल्मावल गइल रहल।

भादुड़ी के निधन 62 बरिस के उमिर में मुंबई के एगो अस्पताल में किडनी संबंधी समस्या के चलते भ गइल।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Veteran Actress Rita Bhaduri Dies At 62". एनडीटीवी. 17 जुलाई 2018. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)