हावड़ा ब्रिज

विकिपीडिया से
हावड़ा ब्रिज
रात के समय हावड़ा ब्रिज
लोकेशन22°35′06″N 88°20′49″E / 22.5851°N 88.3469°E / 22.5851; 88.3469निर्देशांक: 22°35′06″N 88°20′49″E / 22.5851°N 88.3469°E / 22.5851; 88.3469
इस्तेमाल4 लेन[1] स्ट्रैंड रोड के,[2] पैदल आ साइकिल खातिर
पार करे लाहुगली नदी[3]
जगहहावड़ाकलकत्ता[3]
मेंटेनेंसकोलकाता पोर्ट ट्रस्ट[4]
बिसेसता
डिजाइनसस्पेंशन टाइप बैलेंस्ड कैंटीलिवर ब्रिज[5] आ ट्रस आर्च[6]
मटेरियलस्टील
कुल लंबाई705 मी (2,313.0 फीट)[7][8]
चौड़ाई71 फीट (21.6 मी) जेकरे बाद दू गो फुटपाथ 15 फीट (4.6 मी) के दुनों ओर बाने[5]
ऊँचाई82 मी (269.0 फीट)[6]
सभसे लमहर खंड1,500 फीट (457.2 मी)[5][6]
ऊपरी क्लियरेंस5.8 मी (19.0 फीट)[5]
नीचे के क्लियरेंस8.8 मी (28.9 फीट)[5]
इतिहास
डिजाइनरM/s. रेंडेल, पाल्मर एंड ट्रिटन[9]
निर्माणकरताब्रेथवेट, बर्न एंड जेसप कन्स्ट्रक्शन कंपनी
बनावे सुरू1936 (1936)[9]
पूरा भइल1942 (1942)[9]
खोलल गइल3 February 1943; 81 साल पहिले (3 February 1943)[8]
सांख्यिकी
डेली आवाजाही300,000 गाड़ी-बाहन आ 450,000 पैदल[10]
चुंगीदुनो ओर से टोल-फ्री

हावड़ा ब्रिज या हाबड़ा के पुल कलकत्ताहावड़ा के बीच में हुगली नदी पर बनल एगो कैंटीलीवर पुल बाटे। भारत के एगो इतिहासी पुल हवे जे 1943 में चालू भइल।[9][11] सुरुआत में एकर नाँव नया हावड़ा ब्रिज रहल काहें से कि ई पुराना पीपा वाला पुल (पंटून ब्रिज) के जगह लेवे खातिर बनावल गइल रहे। 1965 में एकर ऑफिशियल नाँव बदल के बंगाल के महान कवी आ साहित्यकार, संगीतकार गुरुदेव रवींद्रनाथ टैगोर, जे पहिला भारतीय आ एशियाई नोबल लौरियेट रहलें, के नाँव पर रवींद्र सेतु रख दिहल गइल।[11]

ई ब्रिज हुगली नदी पर बनल चार गो पुल सभ में से एक हवे आ कलकत्ता आ पच्छिम बंगाल के निशानी के रूप में जानल-मानल जाला। एकरे अलावा अउरी ब्रिज बाड़ें विद्यासागर सेतु (पापुलर नाँव, दूसरा हुगली ब्रिज), विवेकानंद सेतु, आ सभसे हाल में बनल निवेदिता सेतु (सेतु माने पुल होला)। हावड़ा ब्रिज बंगाल के खाड़ी से आवे वाला तूफ़ान के सामना करत रोज करीबन 100,000 गाड़ी सभ के ट्रैफिक[12] आ लगभग 1,50,000 पैदल आवाजाही,[10] सम्हारे ला आ एकरा चलते ई दुनियाँ के सभसे ब्यस्त कैंटीलिवर ब्रिज हवे।[13] बने के समय अपना किसिम के, दुनियाँ के तिसरा नंबर के रहल ई ब्रिज[14] पूरा दुनिया में, अब अइसन छठवाँ सभसे बड़ ब्रिज हवे।[15]

बिबरन[संपादन करीं]

डिटेल[संपादन करीं]

हावड़ा ब्रिज के इलेवेशन

जब 1943 में ई चालू भइल (कमीशन्ड कइल गइल), ई दुनियाँ के तिसरा सभसे लमहर कैंटीलीवर ब्रिज रहे,[14] कनाडा के कबेक ब्रिज (549 मीटर (1,801 फीट)) आ स्कॉटलैंड के फोर्थ ब्रिज (521 मीटर (1,709 फीट)) के बाद। बाद के समय में अउरी तीन गो अइसन ब्रिज एकरा ले लमहर बन जाए के कारन अब ई दुनिया के छठवाँ सभसे लमहर कैंटीलीवर ब्रिज बाटे, 2013 के जानकारी के मोताबिक। ई सस्पेंशन टाइप के कैंटीलिवर ब्रिज हवे[5] जेकरे सभसे बिचला खंड के लंबाई 1,500 फीट (460 मी) बाटे दुनों मेन टावर सभ के बीचा में आ 564 फीट (172 मी) के सस्पेंशन दिहल गइल बा। मेन टावर चट्टानी ढाँचा के ऊपर 280 फीट (85 मी) ऊँचाई वाला बाने आ इनहन के टॉप के हिस्सन के बीचा में 76 फीट (23 मी) दूरी बाटे। लंगर नियर भुजा (एंकर आर्म) सभ के लंबाई हर एक के 325 फीट (99 मी) हवे, जबकि कैंटीलिवर के लंबाई 468 फीट (143 मी) हरेक के बाटे।[7] ब्रिज के डेक पैनल प्वाइंट से लटकल बाटे आ मेन ट्रस के लोवर कॉर्ड के एकरा से लटकावे खातिर 39 जोड़ा हैंगर सभ के इस्तेमाल भइल बा।[5] मेन टावर के बाहर निकले वाला सड़क के रास्ता ग्राउंड सपोर्ट वाला हवे जेकरा चलते लंगर वाली भुजा डेक के लोड से फिरी हवे। डेक के सिस्टम में क्रास गर्डर हैंगर के जोड़ा सभ के बीचा में लटकल बाड़ें आ आ पिन कनेक्शन वाला हवें।[7] क्रास गर्डर सभ के बीचा में छह गो बेंड़ स्ट्रिंगर गर्डर लगावल गइल बाड़ें। सतह के बीम सभ के ट्रांसवर्स तरीका से स्ट्रिंगर सभ के टॉप पर सपोर्ट दिहल गइल हवे,[7] जबकि ई खुद बराबर प्रेस होखे वाला स्टील के ट्राफिंग सिसटम के सपोर्ट करे ला जेह पर कंक्रीट के सतह बनावल गइल बाटे।[5]

लंबाई में एकरे बिस्तार आ बेड़ा-बेंड़ी झोंकाह चाल (स्वे) के एक्सपैंशन आ आर्टिकुलेशन ज्वाइंट द्वारा सम्हारल गइल हवे। दू गो मुख्य एक्सपैंशन ज्वाइंट बाटें, दुनों ओर से अप्रोच करे पर लटकल खंड आ कैंटीलिवर भुजा के जोड़ के लगे।[5] कुल 8 गो आर्टिकुलेशन ज्वाइंट बाड़ें, 3 गो हर कैंटीलिवर भुजा पर आ 1 ठो हर सस्पेंशन में। ई ज्वाइंट सभ ब्रिज के टुकड़ा में बाँट देवे लें जहाँ खड़ा-खाड़ी (वर्टिकल) पिन कनेक्शन डेक के रोटेशनल मूवमेंट के सुबिधा देवे ला।[5] ब्रिज के डेक के लंबाई में ढाल दुनों ओर से 40 में 1 हवे जिनहन के खड़ा-खाड़ी कर्व से जोड़ल गइल बा जेकर रेडियस 4,000 फीट (1,200 मी) बाटे। केर्ब्स के बीचा में क्रास ढाल 48 में 1 बाटे।[5]

ट्रैफिक[संपादन करीं]

Traffic Flow for fast moving heavy vehicles[12]
Year Trams Buses/Vans Trucks
1959 13% 41% 46%
1986 4% 80% 16%
1990 3% 82% 15%
1992 2% 80% 18%
1999 - 89% 11%
Traffic Flow for fast moving light vehicles[12]
Year Two-wheelers/Autos Cars/Taxis
1959 2.47% 97.53%
1986 24% 76%
1990 27% 73%
1992 26% 74%
1999 20% 80%

ई पुल कलकत्ता के प्रवेश द्वार के रूप में काम करे ला आ एकरा के हावड़ा स्टेशन से जोड़े ला जे हावड़ा आ कलकत्ता के सेवा देवे वाला पाँच गो इंटरसिटी ट्रेन टर्मिनस स्टेशन सभ में से एक हवे। अइसे, ई स्टेशन से आवे जाए वाली यातायात के लगभग पूरा हिस्सा ले जाला, एकरे औसत दैनिक आवाजाही लगभग 150,000 पैदल चले वाला आ 100,000 गाड़ी सभ के करीब बाटे।[10] 1946 में रोजाना के यातायात के जनगणना भइल जेह में 27,400 गाड़ी, 121,100 पैदल चले वाला आ 2,997 मवेशी गिनल गइल रहलें।[13] गाड़ी के आवाजाही के बड़ हिस्सा बस अउरी कार से बाटे। 1993 से पहिले एह पुल पर ट्राम भी चलत रहे। हावड़ा स्टेशन पर टर्मिनस से ट्राम सीयालदह, राजाबाजार, श्यामबाजार, हाईकोर्ट, डलहौजी स्क्वायर, पार्क सर्कस, बल्लीगुंगे, टोलीगुंगे आदि के ओर रवाना होत रहे। हालांकि, ए पुल प अभिनो ले उमेद से बहुत जादे लोड जारी बा। साल 2007 के एगो रिपोर्ट में पता चलल कि एह पुल पर रोजाना लगभग 90,000 गाड़ी चलत रहलीं (जवना में से 15,000 सामान ले जाए वाली रहलीं), हालाँकि एकर भार उठावे के क्षमता खाली 60,000 बा।[16] ओवरलोडिंग के एगो मुख्य कारण इहो बाटे कि, हालांकि ए संरचना प 15 टन तक के भार ले जाए वाला गाड़ी के अनुमति बा, लेकिन 12-18 पहिया वाला अउरी 25 टन तक के भार ले जाए वाला गाड़ी अक्सर एकरा प आवाजाही करत रहे लें। 31 मई 2007 से ओवरलोड ट्रक सभ के पुल पार करे पर रोक लगा दिहल गइल आ एकरे बजाय विद्यासागर सेतु के ओर रिडायरेक्ट कइल गइल।[17] सड़क के किनारे 15 फीट (4.6 मीटर) चौड़ाई के फुटपाथ बाड़ें जिनहन में पैदल चले वाला लोग के भीड़ लागल रहे ला।

सांस्कृतिक महत्व[संपादन करीं]

ब्रिज पर पैदाल आवाजाही करे वाला लोग

हावड़ा ब्रिज के कई गो फिलिम सभ में देखावल गइल बा जइसे की बिमल रॉय के 1953 के फिलिम दो बीघा जमीन, ऋत्विक घटक के बारी थेके पालिये (1958), सत्यजित रे के पारस पत्थर (1958), मृणाल सेन के नील आकाशेर नीचे (1959), शक्ति सामंत के हावड़ा ब्रिज (1958) जेह में परसिद्ध गाना मेरा नाम चिन-चिन चू रहल आ चाइना टाउन (1962) आ अमर प्रेम (1971), अमर जीत के तीन देवियाँ (1965), मृणाल सेन के 1972 के नेशनल अवार्ड जीते वाली फिलिम कलकत्ता 71 आ सेन के कलकत्ता पर बनावल तीन गो फिलीम में के सीक्वल 1973 में आइल पदातिक, रिचार्ड एटनबरो के 1982 में अकेडमी अवार्ड जीते वाली फिलिम गाँधी, गौतम घोष के 1984 के हिंदी फिलिम पार, राजकपूर के राम तेरी गंगा मैली (1985), निकोलस कोल्त्ज के द बंगाली नाइट (1988), रोनाल्ड जोफ़ी के अंग्रेजी भाषा के फिलिम सिटी ऑफ़ ज्वाय (1992), फ्लोरियन गैलेनबर्जर के बंगाली फिलिम शैडोज ऑफ़ टाइम (2004), मणि रत्नम के युवा (2004), प्रदीप सरकार के परिणीता (2005) सुभ्रजित मित्र के बंगाली फिलिम मोन आमोर: शेशेर कोबिता रीविजिटेड, मीरा नायर के 2006 के फिलिम द नेमसेक, ब्लेसी के 2008 के मलयालम फिलिम कलकत्ता न्यूज, सूर्या शिवकुमार के 2009 के तमिल फिलिम आधावन, इम्तियाज अली के हिंदी फिलिम लव आजकल (2009), अभिक मुखोपाध्याय के 2010 के बंगाली फिलिम इकती तारार खोंजे, सुजय घोष के 2012 के बॉलीवुड फिलिम कहानी, अनुराग बासु के हिंदी फिलिम बर्फी! (2012), रींगो बनर्जी के बंगाली फिलिम न हन्यते (2012) राणा बसु के 2013 के बंगाली फिलिम नामते नामते आ अली अब्बास ज़ाफर के 2014 के हिंदी फिलिम गुंडे आ 2015 वाईआरऍफ़ रिलीज दिबाकर बनर्जी के डाइरेक्ट कइल डिटेक्टिव ब्योमकेश बक्शी। सुजीत सरकार के पिकू में एह ब्रिज के कुछ सीन बाड़ें। ई ब्रिज 2016 के अकादमी अवार्ड खातिर नामांकित गार्थ डेविस के फिलिम में भी देख्लाई पड़े ला जेकर नाँव लायन बाटे।

फोटो गैलरी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Howrah Bridge Review". Retrieved 2011-11-21.
  2. "Howrah Bridge Map". Retrieved 2011-11-26.
  3. 3.0 3.1 Helen Schreider; Frank Schreider (October 1960). "From The Hair Of Siva". National Geographic. 118 (4): 445–503.
  4. "Howrah Bridge Maintenance". Archived from the original on 18 November 2011. Retrieved 2011-11-21.
  5. 5.00 5.01 5.02 5.03 5.04 5.05 5.06 5.07 5.08 5.09 5.10 "Bridge Details". Archived from the original on 4 March 2016. Retrieved 2011-11-21.
  6. 6.0 6.1 6.2 "Howrah Bridge". Retrieved 2011-11-21.
  7. 7.0 7.1 7.2 7.3 "Howrah Bridge". Retrieved 2011-11-21.
  8. 8.0 8.1 "River Ganges". Retrieved 2011-11-21.
  9. 9.0 9.1 9.2 9.3 "History of the Howrah Bridge". Archived from the original on 13 April 2013. Retrieved 2011-11-21.
  10. 10.0 10.1 10.2 "Bird droppings gnaw at Howrah bridge frame". The Times of India. 29 May 2003. Archived from the original on 16 June 2013. Retrieved 2011-11-21.
  11. 11.0 11.1 "Howrah Bridge – The Bridge without Nuts & Bolts!". Archived from the original on 2019-01-07. Retrieved 2011-11-21.
  12. 12.0 12.1 12.2 "Flow of Traffic on an average week day (8AM to 8 PM)". Archived from the original on 18 August 2011. Retrieved 2011-11-21.
  13. 13.0 13.1 "Hosanna to Howrah Bridge!". Archived from the original on 17 November 2011. Retrieved 2011-11-21.
  14. 14.0 14.1 Victor D. Johnson (2007). Essentials Of Bridge Engineering. Oxford & Ibh Publishing Co. Pvt Ltd. p. 259.
  15. Durkee, Jackson (24 May 1999), National Steel Bridge Alliance: World's Longest Bridge Spans (PDF), American Institute of Steel Construction, Inc, archived from the original (PDF) on 1 June 2002, retrieved 2009-01-02
  16. "Howrah Bridge and Second Hooghly Bridge: A Comprehensive Comparative Study" (PDF). Calcutta, India. 9 September 2013. Retrieved 2014-11-02.
  17. "Howrah bridge ban". The Telegraph. Calcutta, India. 14 April 2007. Retrieved 2011-11-21.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]