जोंडा

विकिपीडिया से
डाइग्राम में फॉन इफेक्ट से जोंडा के उत्पत्ती देख्लावल गइल बा।

जोंडा (अंग्रेजी: Zonda)[1] अर्जेंटाइना में बहे वाली लोकल हवा हवे। ई फॉन किसिम के हवा हवे, मने की कौनों पहाड़ के ऊपर से गुजर के दुसरे साइड के पहाड़ी ढाल से नीचे आवे पर गरम आ सूखल हवा हवे। चिलीअर्जेंटाइना के सीमा पर मौजूद एंडीज परबत के पूरबी ढाल पर ई हवा बहे ले आ पच्छिम से आवे ले।

एकर एगो नाँव सोंदो/सोंडो (Sondo) भी हवे।[2]

पैदाइश[संपादन करीं]

पोलर मारीटाइम हवा राशि से पैदाहोखे वाली हवा हवे जे एंडीज परबत के पच्छिमी ढाल पर ठंढा आ नम होखे ले बाकी पहाड़ पर चढ़े के समय बरखा करे ले आ जब दुसरे साइड में जोंडा के रूप में उतरे ले तब एडियाबेटिक प्रासेस से गर्म होखे लागे ले आ बहुधा धूल-धक्कड़ भरल भी हो सके ले। एकर रफ़्तार 240 किमी/घंटा तक ले हो सके ले।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "zonda | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.
  2. "Wind of the World: Zonda (or Sondo) | weatheronline.co.uk". www.weatheronline.co.uk (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.