इंटरट्रॉपिकल कन्वर्जेन्स जोन

विकिपीडिया से
The ITCZ is visible as a band of clouds encircling Earth near the Equator.

इंटरट्रॉपिकल कन्वर्जेन्स जोन (अंग्रेजी: Intertropical Convergence Zone; संछेप: आइटीसीजेड (ITCZ), उच्चारण "इच"[1]), जेकरा के समुंद्री जहाज चलावे वाला नाविक लोग डोलड्रम्स (doldrums, अरथ: "शांत इलाका") कहे ला[2], बिसुवत रेखा के आसपास के इलाका हवे जहाँ आमतौर पर हवा के बहाव बहुत कम रहे ला, एह इलाका में उतर-पूरुब से आ दक्खिन पूरुब से आवे वाली ट्रेड विंड सभ कन्वर्ज करे लीं (एकट्ठा होखे लीं आ मिले लीं)। ई पूरा पृथिवी के घेरा बनावे ला लगभग ओही इलाका में जहाँ गर्मी के बिसुवत रेखा (थर्मल इक्वेटर) होखे ले; साथे-साथ एकर लोकेशन सीजन के साथे उत्तर-दक्खिन के घसकत रहे ले। जब ई जोन भूमध्य रेखा (बिसुवत रेखा) के लगे रहे ला एकरा के अंग्रेजी में नियर-इक्विटोरियल ट्रफ़ कहल जाला। जब आइटीसीजेड में सीजन के साथे घसकाव हो जाला आ मानसून सर्कुलेशन के साथे जुड़ जाला तब एकरे के मानसून ट्रफ (monsoon trough) कहल जाला, ई शब्दावली ऑस्ट्रेलिया आ एशिया के हिस्सन में चलन में हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. ITCZ
  2. Chisholm, Hugh, ed. (1911). "Doldrums" . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में). Vol. 8 (11वाँ ed.). कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस. p. 386.