गोंडी भाखा

विकिपीडिया से

गोंडी एगो मध्य-दक्खिन के द्रविडिय भाषा हऽ, जेकरा बीस लाख गोंड लोग बोलेला।[1] हेकरा मध्य प्रदेश, गुजरात, तेलंगाना, महाराष्ट्र, छत्तीसगढ़ आऊर आंध्र प्रदेश मे बोलल जाला। भले ई गोंड लोगन के भाषा हऽ बाकिर हेकरा लमसम २०% गोंड लोग बोलेला जे हेकरा ओराए के कगार प आन दिहले बा। गोंडी लगे बिशाल लोक साहित्य बाटे।

गोंडी
गोंडी (खौइ़तौल़ु)
मूलभाषा बाटेभारत
नृजातीयता१.३ करोड़ गोंड
मूल बोले वाला
३० लाख; १९.५ लाख उत्तरी गोंदी, १.५ लाख अहेरी गोंड, ३ लाख अदिलाबाद गोंड (२०११ जनगणना)[2]
द्रविड़
गूँजल गोंडी लिखाई
गोंडी लिखाई
देवनागरी, तेलुगु लिखाई
भाषा कोड
ISO 639-2gon
ISO 639-3goninclusive code
Individual codes:
gno – Northern Gondi
esg – Aheri Gondi
wsg – Adilabad Gondi
Glottologsout2711  (Southern Gondi)[3]
nort2702  (Northern Gondi)[4]

बिशेसता[संपादन करीं]

एह मे दु गो लिंग होखेला, जेमे से एगो पुलिंग होला आ दूसरका पूलींग ना होखेला, माने स्त्रिलींग आउर नपूँसक के एक्के गो लिंग मानल जाला।

बोली[संपादन करीं]

गोंडी के कय गो बोली के अबही कोनो पता नइखे, बाकिर कुछु महत्वपूर्ण बोली के नाम दोरला, कोया,मादिया,मूरिया आउर राज गोंड हवन स। उत्तर-पक्खीम आ दक्खिन-पूरब के बोली मे कुछो |ध्वनिबैज्ञानिक अंतर होखेला। उत्तर आउर पक्खिम के गोंडि मे 'स' बाटे बाकिर दक्खिन आ पुरुब मे बदल के 'ह' भ गइल बा, कोनो कोनो बोली मे तऽ ई ओराइए गइल बाटे। आउर सभ गोंडी के बोली मे 'र' के 'ल' हो गइल बा।

स्रोत[संपादन करीं]

  1. Beine, David K. 1994. A Sociolinguistic Survey of the Gondi-speaking Communities of Central India. M.A. thesis. San Diego State University. chpt. 1
  2. "Census of India Website : Office of the Registrar General & Census Commissioner, India". www.censusindia.gov.in. Retrieved 2018-07-05.
  3. Hammarström, Harald; Forkel, Robert; Haspelmath, Martin, eds. (2017). "Southern Gondi". Glottolog 3.0. Jena, Germany: Max Planck Institute for the Science of Human History.
  4. Hammarström, Harald; Forkel, Robert; Haspelmath, Martin, eds. (2017). "Northern Gondi". Glottolog 3.0. Jena, Germany: Max Planck Institute for the Science of Human History.