इमोजी

विकिपीडिया से
नोटो प्रोजेक्ट द्वारा बनावल एगो इमोजी

इमोजी (Emoji) इलेक्ट्रानिक सनेसा सभ में भा वेब पेज पर इस्तेमाल होखे वाला आइडियोग्राम भा स्माइली होलें। वर्तमान में इंटरनेटमोबाइल सनेसा में अक्सर इनहन के इस्तमाल देखे के मिले ला जहाँ बात के शब्द आ अक्षर में ना लिख के ओकरे जगह एह छोट-छोट चित्र सभ के इस्तेमाल कइल जाला। इमोजी शब्द मूल रूप से जापानी शब्द हवे आ इमोटीकॉन्स से अलग होलें काहें कि ई वास्तव में चित्र होखे लें न कि टाइपोग्राफिक अक्षर सभ से बनावल चित्र नियर चीज। इमोजी सभ कई प्रकार के होखे लें, जइसे सभसे कॉमन रूप अलग अलग भाव आ भावना देखावे वाला चेहरा सभ जिनहन के स्माइली कहल जाला। स्माइली के अलावा रोजमर्रा के चीज, जानवर, जानवरन के चेहरा, पेड़, फल, मौसम संबधी चीन्हा वगैरह भी इमोजी के हिस्सा होलें।

जापानी भाषा में e (?, "चित्र") + moji (文字?, "अक्षर/वर्ण") होला आ एकर मतलब होखी चित्र के रूप में लिखल अक्षर। ई कुछ कुछ अंग्रेजी के पिक्टोग्राम से मिले ला; हालाँकि, अंग्रेजी के शब्द इमोशन (भावना) से समानता बिसुद्ध रूप से संजोग से बा।[1] इमोजी खातिर आइएसओ 15924 स्क्रिप्ट कोड Zsye हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Taggart, Caroline (नवंबर 5, 2015). "New Words for Old: Recycling Our Language for the Modern World". Michael O'Mara Books. Retrieved अक्टूबर 25, 2017 – via Google Books. Hard on the heels of the emoticon comes the Japanese-born emoji, also a DIGITAL icon used to express emotion, but more sophisticated in terms of imagery than those that are created by pressing a colon followed by a parenthesis. Emoji is made up of the Japanese for picture (e) and character (moji), so its resemblance to emotion and emoticon is a particularly happy coincidence.