अशोक चक्र

विकिपीडिया से
अशोक चक्र के चित्र जवन की भारत के झंडा प बनावल रहेला

अशोक चक्र धरम चक्र के चिन्हा हऽ जेकरा मे २४ गो तिली होखेला। हेकर एह नाम अशोक के शिलालेख प मिलेला गूने पड़ल बा। आज काल अशोक चक्र सभ से बेसी भारत के झंडा प लउकेला।

इतिहास[संपादन करीं]

अध्ययन सभ के हिसाब से, गौतम बुद्ध के बोध गया मे ज्ञान भेटाईल जेकरा बाद उहाँ के सरनाथ आईलें आ आपन चेला अस्वाजित, महनाम, कोंदान्ना, भाद्दियावाप्पा के उपदेस दिहले आ धरमचक्र के अस्थापना कईलें। चउबिसगो मे ले बारहगो तिलि दुख के अवस्था आ अगिला बारह की दुख के निर्वाण के बराहगो अवस्था बतावेला। ऊ बारह गो अवस्था नीचे दिहल बा:

  1. अबिद्या
  2. संस्कार
  3. विज्ञान
  4. नामरूप
  5. सलयातना
  6. स्पर्श
  7. उपादान
  8. तृष्णा
  9. बेदना
  10. भाव
  11. जाति
  12. जरामरना

संदर्भ[संपादन करीं]