एक ईश्वर वाद

विकिपीडिया से

एकईश्वरवाद या एकेश्वरवाद (अंग्रेजी: Monotheism; उच्चारण: मोनोथेइस्म) अइसन बिस्वास हवे जेह में एक ठो ईश्वर के मानल जाला, जे सर्वशक्तिमान होखे आ बिस्व के संचालन करत होखे। आम परिभाषा ईहे हवे की अइसन मत जे एक ईश्वर के माने। ई बहुईश्वरवाद या सर्वेश्वरवाद से अलग या बिपरीत मत हवे, बहुईश्वर वाद में कई ईश्वर भा देवता लोग के मानल जाला जबकि सर्वेश्वरवाद के मान्यता हवे कि सभ कुछ ईश्वर हऽ आ ईश्वरे सभकुछ हवे।

दुनिया के कई गो धर्म आ संप्रदाय, जे एक ठो ईश्वर में बिस्वास करे लें, एकईश्वरवादी धर्म या संप्रदाय कहालें, इनहन में प्रमुख बाड़ें: ईसाई धर्म, इस्लाम, यजीदी मत, हिंदू धर्म के शैववैष्णव मत, बाली देस के हिंदू धर्म आ सिख धर्म अउरी पारसी धर्म