विष्णुपद मंदिर
Appearance
विष्णुपद मंदिर | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | गया |
अक्षांस-देशांतर | 24°36′37″N 85°0′33″E / 24.61028°N 85.00917°Eनिर्देशांक: 24°36′37″N 85°0′33″E / 24.61028°N 85.00917°E |
देवता | बिष्णु |
राज्य | बिहार |
देस | भारत |
Architectural description | |
Creator | अहिल्याबाई होलकर |
पूरा भइल | 1787 |
विष्णुपद मंदिर भारतीय राज्य बिहार के गया शहर में एगो हिंदू मंदिर बा। ई हिंदू देवता भगवान विष्णु के मंदिर हवे आ इहाँ पत्थर पर चरण के निसान बनल बा जेकर पूजा होला। मंदिर फल्गु नदी के किनारे बा आ मानल जाला कि गयासुर के बध करे के समय विष्णु के चरण के निसान इहाँ बनल रहे। मंदिर केतना पुरान हवे ई मालुम ना बा आ कथा कहानी के अनुसार इहाँ श्रीराम भी आइल रहलें; वर्तमान भवन इंदौर के रानी अहिल्याबाई होलकर के बनवावल हवे।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई लेख कौनों धार्मिक स्थल या बिल्डिंग संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |