फ्रीडा पिंटो

विकिपीडिया से
फ्रीडा पिंटो
फ्रीडा पिंटो गोड़ पर गोड़ चढ़वले बइठ के अपने बायें ओर देखत बाड़ी
यूथ फॉर चेंज कार्यक्रम में पिंटो, जुलाई 2014
जनमफ्रीडा सेलेना पिंटो[1]
(1984-10-18) 18 अक्टूबर 1984 (उमिर 39)
मुंबई, महाराष्ट्र
महतारी संस्थासेंट ज़ेवियर्स कॉलेज, मुंबई
पेशाऐक्ट्रेस, मॉडल
सक्रियता साल2005–अबले

फ्रीडा सेलेना पिंटो (जनम 18 अक्टूबर 1984) एक ठो भारतीय अभिनेत्री बाड़ी जे अबतकले मुख्य रूप से अमेरिकी आ ब्रिटिश फिलिम सभ में काम कइले बाड़ी। इनके जनम आ पालन-पोषण मुंबई में भइल आ बचपने में ई निश्चित कर लिहली कि उनके ऐक्ट्रेस बने के बाटे। बिद्यार्थी जीवन में मुंबई के सेंट ज़ेवियर्स कॉलेज में ऊ नाटकन में हिस्सा लें। ग्रेजुएशन के पढ़ाई के बाद कुछ दिन ले मॉडल के काम कइली आ ओकरे बाद टीवी प्रस्तुतकर्ता बन गइली।

पिंटो के पहिचान मिलल ब्रिटिश फिलिम स्लमडॉग मिलियनेयर (2008) से, जे इनकर पहिली फिलिम रहल। एह फिलिम में ऊ लतिका के रोल में रहली आ एह फिलिम में उनके काम के बहुत तारीफ भी मिलल। एह फिलिम में काम खातिर, पाम स्प्रिंग इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में इनके ब्रेकथ्रू परफौरमेंस अवार्ड मिलल आ ब्रिटिश एकेडमी फिल्म अवार्ड के भी कई ठे श्रेणिन में इनकर नामांकन भइल। एकरे अलावा, इनकर नामांकन ऍमटीवी मूवी अवार्ड्सटीन च्वाइस अवार्ड्स खातिर भी भइल। एह फिलिम के बाद पिंटो कई ठे अमेरिकी आ ब्रिटिश प्रोडक्शन में बनल फिलिम सभ में लउकली, जवना में ई कई बेर सहजोगी कलाकार के रोल में भी रहली। पिंटो के सभसे बड़ सफलता मिलल साइंस फिक्शन फिलिम राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ एप्स (2011) से। एकरा बाद, पिंटो के ब्यापक पहिचान मिलल जब ऊ माइकल विंटरबॉटम के फिलिम तृष्णा (2011) में टाइटिल कैरेक्टर के रोल कइली। अगिली फिलिम डेजर्ट डांसर (2014) में इनके परफारमेंस के समालोचक लोग भी सराहल।

हालाँकि, बिदेसी फिलिम सभ में भारतीय नारी के रूढ़ पहिचान तूरे खातिर भारतीय मीडिया पिंटो के तारीफ कइलस बाकिर अभिन ले भारतीय सिनेमा में उनके एह हिसाब से कम पहिचान मिलल बाटे। अपना फिलिम कैरियर के आलावा ऊ नारी सशक्तीकरण खातिर आवाज उठावे आ अन्य मानवतावादी मुद्दा सभ के परमोशन से भी जुड़ल बाड़ी।

सुरुआती जीवन आ पृष्ठभूमि

फ्रीडा के जनम 18 अक्टूबर 1984 के बंबई (अब मुंबई) में,[2] एक ठो मंगलोरी कैथोलिक परिवार में भइल,[नोट 1] आ उनुके परिवार गोवा के पुर्तगाली कॉलोनी से निकलल समुदाय के हिस्सा हवे।[4][5][6] उनुके महतारी सिल्विया पिंटो मुंबई के गोरेगाँव में सेंट जॉन्स युनिवर्सल स्कूल में प्रेंसपल रहली, आ पिताजी, फ्रेडरिक पिंटो, बैंक ऑफ बड़ौदा में सीनियर ब्रांच मैनेजर रहलें। उनुके बड़ बहिन, शेरॉन, एनडीटीवी में काम करे ली।[7]

सेंट ज़ेवियर्स कॉलेज, मुंबई, जहाँ से पिंटो आपन ग्रेजुएशन के पढ़ाई कइली आ छोट नाटक सभ में हिस्सा लिहली।

पिंटो के परवरिश मलाड में एक ठो मध्यवर्गीय परिवेश में भइल।[8][9] ऊ जब पाँच बरिस के रहली तब पहिली बेर ऐक्ट्रेस बने के इच्छा जाहिर कइली,[10][11] आ अकसरहा टीवी देख के कलाकारन के नकल उतारें।[10][12] बाद में ऊ इयाद करे ली कि उ 1994 में सुष्मिता सेन के मिस यूनिवर्स के खिताब जीते से परभावित भइली, आ बतवेली कि "पूरा देस के उनुपर नाज रहल, हमहूँ ओही में से इक रहलीं, एक दिन हमहूँ अइसने कुछ कइल चहलीं"।[13] पिंटो सुरुआत में मलाड के कार्मेल ऑफ सेंट जोसेफ़ स्कूल में पढ़ली,[14] आ बाद में सेंट ज़ेवियर्स कॉलेज में। उनुके ग्रेजुएशन के मुख्य बिसय अंग्रेजी साहित्य रहल, आ साथ में मनोबिज्ञान आ अर्थशास्त्र।[12][15] कॉलेज के जमाना में, ऊ छोटमोट नौसिखुआ थियेटर सभ में हिस्सा लिहली,[12] बाकी मॉडलिंग आ एक्टिंग से 2005 में ग्रेजुएशन पूरा करे ले परहेज कइली।[16]

सुरुआते से एक्टिंग के रूचि रहले के बावजूद, पिंटो अपना कैरियर खातिर रस्ता चुने में भरम में रहली जबले कि ऊ कॉलेज के समय में मॉन्स्टर (2003) ना देखली। ऊ बतावेली कि: "हमके बुझाला कि जब हम मॉन्स्टर देखलीं ... तबे हम नीक से बुझलीं। हमरा के एगो रास्ता चुने के पड़ी। हमके कुछ अइसने करके पड़ी, कुछ अइसन जे पुरा तौर पर सबकुछ बदल देवे वाला होखे।"[17] 2005 में पिंटो मॉडलिंग कैरियर के सुरुआत कइली आ एलीट मॉडल मैनेजमेंट ज्वाइन कइली,[2] आ अढ़ाई साल ले एह संस्था के साथे काम कइली।[12] ऊ कई ठे टीवी बिग्यापन सभ में लउकली जिनहन में ऊ रिंगले के चिलगम, स्कोडा, वोडाफोन, एयरटेल, वीजा, ईबे, आ डि बीयर्स के परचार कइली।[18]

लगभग ओही समय, पिंटो टेलीविजन शो आ फिलिम खातिर ऑडिशन देवे सुरू कइली। उनके जी टीवी इंटरनेशनल के एक ठो यात्रा आधारित शो फुल सर्किल, होस्ट करे खातिर चुन लिहल गइल आ ई प्रोग्राम 2006 से 2008 ले प्रसारित भइल।[11] एह शो के दौरान उनुके कई देस के यात्रा करे के मोका मिलल जेह में अफगानिस्तान, फिजी, मलेशिया, सिंगापुर आ थाईलैंड सामिल बाड़ें।[19] एकरे बाद उनके कई ठो बॉलिवुड आ हॉलिवुड के फिलिम सब खातिर ऑडिशन देवे के मोका मिलल जेह में क्वांटम ऑफ सोलेस में बौंड के हिरोइन बने खातिर ऑडिशन भी सामिल रहल, हालाँकि, एम्मे उनके बिफलते मिलल।[12][17][19] पिंटो बाद में ई दावा करे ली कि ऊ एक ठो निम्मन अनुभव रहल जेह में उनुके बहुत कुछ सीखे के मिलल, आ कहेली कि "(हम) खुस बाड़ीं कि जवन भी, जइसे भी भइल। हमरा के रिजेक्टो होखल जरूरी रहल, आ हमके ई सीखे क जरूरत रहल कि ई सगरी एह गेम के हिस्सा हवे... हम 100 बेर रिजेक्ट हो सकत रहलीं, लेकिन हम निश्चित रहलीं कि [कम से कम] एक चीज जरूर अइसन होखी जे हमरा के मिले खातिर निश्चित होखी।"[20]

एक्टिंग कैरियर

सुरुआत आ सुरुआती सफलता (2008-10)

स्लमडॉग के टीम के साथ पिंटो
स्लमडॉग के टीम के साथ पिंटो, 2008 के टोरंटो फिलिम फेस्टिवल में एह फिलिम के स्कीनिंग के समय

2007 में, पिंटो के मॉडलिंग एजेंसी, इनके आ अउरी छ गो मॉडल लोग के डैनी बॉयल के फिलिम स्लमडॉग मिलियनायर (2008) में हिरोइन के लीड रोल खातिर बीछलस, एह फिलिम के कास्टिंग डाइरेक्टर के अनुरोध के बाद।[2][12] छ महीना के ब्यापक ऑडिशन से गुजरे के बाद, पिंटो के "लतिका", जे मुख्य किरदार "जमाल" (देव पटेल द्वारा रोल कइल गइल) के चाहत के रूप में फिलिम में देखावल एक ठो लड़की रहल, के रोल हासिल भइल।[21] प्रोडक्शन-बाद के दौर में, पिंटो मुंबई में बेरी जॉन किहाँ एक्टिंग सीखे के एक ठो कोर्स कइली।[7] हालाँकि, एह कोर्स के दौरान उनके एक्टिंग के "तकनीकी पहलू" सीखे के मिलल, ऊ बतवली की "वास्तविक अनुभाव के मामिला में देखल जाय त, सीधे जा के रोल के निभावले नियर कौनों चीज नइखे... एही से जहाँ तक हमार बात बा, हमार पसंदीदा एक्टिंग इस्कूल डैनी बॉयल के संघे बितावल छ महीना के ऑडिशन के समय रहल"।[12] एकरा कहानी आ साउंडट्रैक के नजरिया से स्लमडॉग मिलियनायर के महत्त्व रहल आ ई एक ठो स्लीपर हिट रहल;[22][23] $15 मिलियन के बजट में बनल ई फिलिम दुनियाभर में US$377.9 मिलियन के कमाई कइलस।[24] 81वां एकेडमी अवार्ड्स में ई सबसे सफल फिलिम रहल जहाँ ई दस गो श्रेणिन में एकर नामांकित भइल आ एह में से आठ गो पुरस्कार जीत लिहलस, जवना में बेस्ट पिक्चर के अवार्ड भी शामिल रहल।[25] पिंटो के पाम स्प्रिंग्स अंतर्राष्ट्रीय फिलिम फेस्टिवल में "ब्रेकथ्रू परफार्मेंस" के पुरस्कार मिलल, आ फिलिम के सहजोगी कलाकार लोग के साथ इनके कौनों मोशन पिक्चर में आउटस्टैंडिंग परफार्मेंस के स्क्रीन एक्टर्स गिल्ड अवार्ड मिलल।[26][27] इनके बेस्ट सपोर्टिंग ऐक्ट्रेस के बाफ्टा अवार्ड खातिर भी नामांकन भइल।[28] पिंटो के फिलिम में परफार्मेंस, आलोचक लोग के कम धियान खींच पवलस काहें से की फिलिम में इनके परदा पर उपस्थिती सीमित मात्रा में रहल। दि टेलिग्राफ (कलकत्ता) के राय में इनके किरदार पर "कौनों राय बनावल मुश्किल रहल"; एक ठो अउरी कॉलम लिखे वाली लेखिका भारती ऍस॰ प्रधान नोट कइली "स्लमडॉग मिलियनायर फ्रीडा के अभिनय क्षमता के कौनों परिच्छा ना रहल।"[11]

फ्रीडा पिंटो (बायें) आ रुला जेब्रियल (दहिने)
पिंटो (बायें) आ रुला जेब्रियल मिराल के स्क्रीनिंग में, 18वाँ हैम्पटन्स इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में, अक्टूबर 2010

स्लमडॉग मिलियनायर के सफलता के बाद पिंटो दू गो आर्ट हाउस प्रोडक्शन साइन कइली।[29][30] वूडी एलेन के कॉमेडी-ड्रामा यू विल मीट अ टाल डार्क स्ट्रेंजर (2010),[31] में ऊ एंटोनियो बोंदेरास, जोश ब्रोलिन, एंथनी हॉपकिंस, अनुपम खेरनाओमी वाट्स के संघे काम कइली[32] पिंटो एह फिलिम में एक ठो "रहस्यमय औरत" के किरदार निभवली जे फिलिम में ब्रोलिन द्वारा खेलल गइल किरदार के धियान खींचे वाली औरत के रहल। ए फिलिम के 2010 कान फिलिम फेस्टिवल में प्रीमियर भइल आ रिलीज के बाद ई मिललजुलल समीक्षा पवलस।[33][34] एकरा बाद पिंटो जुलियन श्नाबेल के फिलिम मिराल (2010) में काम कइली जवन की रुला जेब्रियल के आत्मकथात्मक उपन्यास पर बनल फिलिम रहल, एक ठो फिलिस्तीनी औरत के कहानी, जे इजराइल में अनाथ के रूप में रिफ्यूजी कैम्प में बड़ भइल रहल।[35] फिलिम के फिलिस्तीनी इलाका में प्रोडक्शन सुरू होखे के पहिले, एह इलाका की कई ठे रिफ्यूजी कैम्पन में जा के पिंटो अपना रोल के तइयारी कइली।[36] पिंटो के कहनाम रहल की ऊ एह किरदार के भइल अनुभव से अपना के जोड़ के देख सकत रहली काहें की उनके अपना रिश्तेदार लोग के चालीस के दसक के दौरान भारत बिभाजन के समय भइल अनुभव के जानकारी रहल।[36] फिलिम के ज्यादातर नकारात्मक समीक्षा मिलल,[37][38] आ पिंटो के परफार्मेंस के बारे में समालोचक लोग के राय एकमत ना रहल:[39] दि इंडिपेंडेंट के ज्योफ्री मैकनैब की "मिराल ... पिंटो द्वारा बहुत डूब के निभावल गइल",[40] जबकी दी गार्जियन के पीटर ब्रैडशॉ कहलें की "[पिंटो] असहज आ आउटकास्ट लउकली"।[41]

2011-वर्तमान

2011 में पिंटो के चार गो फिलिम रिलीज भइल। पहिली एक ठो साइंस फिक्शन फिलिम, राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ द एप्स रहल जे प्लैनेट ऑफ द एप्स सीरीज के रिबूट फिलिम रहल।[42] एह फिलिम में ऊ कैरोलिन अरान्हा नाँव के एक ठो प्राइमेटोलॉजिस्ट के किरदार निभवली, जे जेम्स फ्रांको द्वारा निभावल मुख्य किरदार के प्रेम में पड़ गइल रहल।[35][43] अपना रोल के तइयारी ऊ जेन गुडाल नाँव के अंगरेज मानवबिज्ञानी के कैरियर पर रिसर्च कइली।[29] फिलिम के दुनिया भर में कुल कमाई US$481.8 मिलियन रहल; अप्रैल 2016 तक ले ई फिलिम पिंटो के सभसे ढेर कमाई करे वाली फिलिम बा।[44] पिंटो के किरदार के बहुत ढेर एक दिसात्मक होखले खातिर आलोचना भइल: इंडिपेंडेंट के एंथनी क्विन्न एकरा के फेलियर कहलें[45], आ दि हॉलीवुड रिपोर्टर के टॉड मैककार्टी एह किरदार के "परदा पर सालन बाद लउके वाली अइसन बोर करे के हद तक सजावटी गर्लफ्रेंड" के रूप में बर्णन कइलें।[46] माइकल विंटरबॉटम के तृष्णा में फ्रीडा एह साल में दुसरा बेर परदा पर लउकली। ई फिलिम थॉमस हार्डी के उपन्यास टेस ऑफ दि ड्यूबरविले पर आधारित रहल आ पिंटो एह में एक ठो राजस्थानी किसान के लड़की के रोल कइली जे एगो ब्रिटिश-पैदाइश वाला भारतीय होटल ब्यव्सायी, जेकर रोल रिज अहमद कइलें, के इहाँ काम करे खातिर आपन घरबार छोड़ देले।[47][48] एह फिलिम के प्रीमियर 2011 के टोरंटो इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में भइल आ समालोचक लोग के बीच एह पर मिलल-जुलल प्रतिक्रिया रहल।[49][50] इंडिया टुडे के निशांत बारी, पिंटो के खातिर एह रोल के तबतक ले के "सभसे महत्वपूर्ण" रोल बतवलें।[51] दि गार्जियन के फिलिप फ्रेंच कहलें की पिंटो एह लीड रोल में "बाँध लेवे वाला" काम कइली,[47] जबकि शिकागो सन-टाइम्स के रोजर एबर्ट उनके रोल के "तकनीकी तौर पर सुंदर" बतवलें।[52] एकरे बिपरीत, दि न्यू यॉर्क टाइम्स के मैन्होला दार्गिस पिंटो के बारे में लिखलें की "[ऊ फिलिम के] एक ठो सबसे खूबसूरत आकर्षण [रहली] बाकी ऊ आ उनके डाइरेक्टर तृष्णा के धड़कन देवे में सफल ना भइल लोग"।[53]

मुस्कियात आ अपना बायें ओर देखत फ्रीडा पिंटो
2012 के कान फिलिम फेस्टिवल में

2011 में पिंटो के तीसरा रोल राजकुमारी लीला के रहल, एक ठो कम पहिचान पावे वाली फिलिम डे ऑफ दि फाल्कन,[नोट 2][54] 1930 के दशक के मध्य पूर्व के परिवेश में स्थापित सामयिक ड्रामा रहल आ एह में पिंटो के एंटोनियो बरबस, मार्क स्ट्रांग आ लिया केबेड से साथ लिहल गइल रहल।[55] लगभग हर तरफ से नकारात्मक समीक्षा के बावजूद , दि न्यूयॉर्क टाइम्स के एंडी वेबस्टर पिंटो आ केबेड के "रिफ्रेशिंग" बतवलें आ "दमघोंटू पुरुष-प्रभावशाली माहौल के बीच में [इनहन लोग के स्वतंत्र] मौजूदगी के तारीफ़ कइलें"।[56] पिंटो के परदा पर एह साल के अंतिम मौजूदगी रहल फैंटेसी-एक्शन फिलिम इम्मोर्टल्स, जवना में ऊ ऑरेकल पुजारिन फीड्रा के रोल कइली।[57] समीक्षक लोग के बीच मिलजुल-से-सकारात्मक समीक्षा पावे,[58] के बावजूद फिलिम कुल US$226.9 million के कमाई दुनिया भर में कइलस।[59] दि हॉलीवुड रिपोर्टर खातिर लिखत समय टॉड मैककार्टी लिखने की फीड्रा के किरदार के पिंटो द्वारा "सक्षमता से मूर्तिमान" कइल गइल।[60]

2011 के बाद दू साल ले पिंटो के कवनों फिलिम ना आइल। 2013 में, ऊ ब्रूनों मार्स के म्यूजिक वीडियो "गोरिल्ला" में लउकली। भारतीय मीडिया उनके म्यूजिक वीडियो में एक्टिंग करे के आलोचना कइलस; दि टाइम्स ऑफ इंडियाहिंदुस्तान टाइम्स एकरा के तुच्छ नचनिया के रोल नियर बता के एकर निंदा कइलें।[61][62] एही साल, पिंटो गर्ल राइजिंग नाँव के डाकुमेंटरी फिलिम में कथाबाचक (नैरेटर) रहली, जेकरा के दुनिया भर में लड़िकिन के शिक्षा खातिर गर्ल राइजिंग नाँव के कैम्पेन खातिर बनावल गइल रहल।[63]

एह दू साल के गैप के बाद सिनेमा के परदा पर पिंटो के हाजिरी भइल एक ठो जीवनी आधारित ड्रामा डेजर्ट डांसर (2014) में जवन की ईरानी कोरियोग्राफर अफ़शीं ग़फ़ारियाँ के जीवन कथा के बारे में रहल।[64] रीस रिची द्वारा अभिनीत हीरो के किरदार के प्रेमिका, एलियाह नाँव के लड़की, के रोल पिंटो कइली, जे एक ठो हिरोइन के नसाखोर रहल। [65] ए रोल के जरूरत के मोताबिक पिंटो के लगातार चउदह हप्ता ले आठ घंटा रोज नाच सीखे के ट्रेनिंग करे के पड़ल।[66] ऊ युनाइटेड स्टेट्स के कुछ नशा छोड़ावे वाला सेंटर सभ के भी दौरा कइली जवना से ऊ अपना रोल के पूरा नीक से तइयार क सकें।[67] एकरा के ज्यादातर नकारात्मक समीक्षा मिलल,[68][69] हालाँकि, दि न्यू यॉर्क टाइम्स की एंडी वेबस्टर ई जरूर नोट कइलें की "पिंटो, बिना फोकस आ बिना लिखल रोल के बावजूद, ध्यानखींचे लायक रहली"।[65]

2015 में पिंटो क पहिली फिलिम टेरेंस मलिक के नाइट ऑफ़ कप्स नाँव के एक ठो प्रायोगिक फिलिम रहल जेह में क्रिश्चियन बेल, केट ब्लैंचेट, नटाली पोर्टमैंन आ एंटोनियो बांदेरस के लिहल गइल रहल।[70] ऊ हेलेन नाँव के एक ठो मॉडल के रोल कइली जेकरा साथे फिलिम में बेल कुछ समय खातिर "चलताऊ रिश्ता" रखे लें।[71][72] बिना स्क्रिप्ट के एक्टिंग करे के बारे में पिंटो बतवली: "पहिला दिने ई जरूर दिमाग के नस झकझोर देवे वाला तनाव वाला होला काहें की आपके मालुम ना होला कि आप का करे जा रहल बानी। बाकी एक बेर जब आपके बुझा जाला एकरा बाद एकर [बिना स्क्रिप्ट के एक्टिंग करे के] कौनों [खास] मतलब ना रह जाला। हकीकत में ई बहुत रिलैक्स करे वाला होला। ई आजादी देवे वाला आ खेलवाड़ नियर होला। ई अइसन अनुभव होला जेकरा के हम पूरा तरीका से अंकार कइलीं"।[73] 65वाँ बर्लिन इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल के प्रतियोगिता खंड में प्रीमियर करे के साथ[74][75] फिलिम के समालोचक लोग से मिलजुल प्रतिक्रिया आ समीक्षा मिलल।[76][77] मार्च 2016 में फिलिम रिलीज भइल।[78] पिंटो, यूनिटी फिलिम के 100 गो नैरेटर लोग में से एक रहली, जवन की एक ठो डाकुमेंटरी फिलिम रहल जे पृथ्वी पर बिबिध जिया-जंतु के प्रजाति सभ के आपसी रिश्ता के उजागर करे खातिर बनावल गइल रहल।[79] इनके एही साल रिलीज होखे वाली तिसरकी फिलिम, कोलंबियाई एक्शन-ड्रामा फिलिम, ब्लंट फ़ोर्स ट्रॉमा रहल जेवना में ऊ रायन क्वांटन आ मिकी रोरके के सोझा काम कइली आ एगो अइसन औरत के रोल कइली जे अपने भाई के मर्डर के पड़ताल करत रहल।[80]दि हॉलीवुड रिपोर्टर के जॉन डिफोर फिलिम के आलोचना ई कह के कइलें कि "ई अपना के ओसे ढेर सीरियसली लेत बा जेतना कि एकरा के दर्शक लोग लेई"।[81] अक्टूबर 2015 तक ले , पिंटो, एंडी सेर्किस के जंगल बुक में काम क रहल बाड़ी जेवन की रुडयार्ड किपलिंग के दि जंगल बुक के पिक्चर रूपांतरण बा।[82] पिंटो मोगली के गोद लेवे वाली महतारी मेसुआ के रोल कर रहल बाड़ी[73][83]

व्यक्तिगत जीवन

पिंटो आ देव पटेल
2008 टोरंटो इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल में पिंटो आ देव पटेल

फिलिम कैरियर सुरू होखे से पहिले, पिंटो के सगाई रोहन एंटाओ से भइल रहल, जे एक समय में उनके पब्लिकिस्ट रहलें। पिंटो जनवरी में ई रिश्ता खत्म करि के स्लमडॉग मिलियनेयर वाला साथी कलाकार देव पटेल के साथे डेटिंग करे लगली।[84] लगभग छह साल के संबंध के बाद ई जोड़ी दिसंबर 2014 मे अचानक अलग हो गइल।[85] "स्लमडॉग मिलियनेयर" के सफलता के बाद पिंटो के कौनों स्थाई अस्थान ना रहि गइल आ ऊ आपन समय मुंबई, लंदन आ लॉस एंजेलिस के बीच बाँट दिहली,[16][84][86] 2015 मे यूऍसए टुडे के दिहल इंटरभ्यू मे, ऊ ई कहली कि अब ऊ लॉस एंजेलिस में रहे ली।[87]

नारीवाद हमरा खातिर बराबरी हवे। केहू आदमी औरत से ऊपर नइखे आ एकर उलटा भी। नारीवाद एक ठो गलत स्थापति आ समझल गइल बिसय बा। जइसहीं हमनी के कहीं ला जा नारीवाद, एकर मतलब ई ना होला कि सगरी आदमी औरतन के नीचे हो जाँय आ औरत संसार पर शासन करे वाली बन जाँय। एगो प्रगतिशील देस भा दुनिया खातिर एकही रास्ता बाटे कि आदमी आ औरत सब एक दुसरा के बराबर मान के बेहवार करे।

— पिंटो, नारीवाद पर[88]

अपना एक्टिंग कैरियर के साथे-साथ, पिंटो, सक्रिय रूप से कई ठे [[मानवतावाद|मानवतावादी मुद्दा सब मे इन्वाल्व बाड़ी आ औरतन आ सुबिधाहीन लड़िका-बच्चा सभ बदे आवाज उठावत बाड़ी।[89][90] एह संबंध में ऊ एंजेलिना जौली आ मलाला यूसुफजई के आपन "बड़हन" प्रेरणास्रोत बतावे ली।[91] 2010 मे, पिंटो, आंद्रे अगासीस्टेफी ग्राफ के साथ जुड़ली उनहन लोग के मानवप्रेमी संस्था, अगासी फ़ौंडेशन के सपोर्ट में। ऊ सुबिधाहीन लड़िकन खातिर शिक्षा के लक्ष्य ले के आयोजित "15वाँ ग्रैंड स्लैम फॉर चिल्ड्रेन" के सालाना फंड जुटावेवाली के तौर पर $75,000 जुटवली।[92][93] दू साल बाद, ऊ प्लान इंटरनेशनल के बिकॉज आइ ऍम अ गर्ल के बैस्विक दूत नियुक्त भइली,[94] जे लाखन लड़िकिन के गरीबी से ऊपर उठा के लैंगिक समानता के आगे बढ़ावे खातिर काम करे वाली कैम्पेन हवे। [95]

2013 मे, पिंटो, शिक्षा, सेहत आ न्याय नियर महिला संबंधी मुद्दा सब खातिर फंड जुटावे आ जागरूकता फइलावे खातिर चलावल, गूशी के "चाइम फॉर चेंज" कैम्पेन खातिर बनल बीडियो क्लिप में लउकली।[96] एकरे अगिला साल, ऊ लंदन में आयोजित "लड़िकिन के अधिकार सम्मलेन" में हिस्सा लिहली आ महिला खतना आ बाल बिबाह जइसन मुद्दा सभ पर अउरी प्रगति करे खातिर गोहरवली।[97] मार्च 2015 मे, पिंटो, लेस्ली उडविन के 2012 दिल्ली गैंग रेप पर बनल डाकुमेंटरी, इंडियाज डॉटर, के भारत सरकार द्वारा प्रतिबंधित करे के खिलाफ बोलली।[98] यूनाइटेड स्टेट्स में एकरे प्रीमियर के दौरान, ऊ कहली कि ई फिलिम के लोग ले पहुँचे के जरूरत बाटे काहें से कि ई कौनों "शर्मनाक-भारत डाकुमेंटरी" नइखे।[99] 2015 के एक इंटरव्यू में ऊ कहली: "ई फिलिम कौनों ओर से भी, समस्या के सोझुरावे खातिर हिंसा के सहारा के बिचार नइखे फइलावत। वास्तव में, हमनी के जेवन कहत बानी जा ऊ ई बा कि, हमनी के हमेशा इ सभसे सभ्य संभव तरीका से कइल जाय।"[100]

फरवरी 2016 मे, पिंटो ई घोषणा कइली कि ऊ एक ठो एनजीओ "वी दू इट टुगेदर" के हिस्सा बनिहें, आ ई संस्था नारी सशक्तिकरण पर केंद्रित फीचर फिलिम, डाकुमेंटरी आ टेलीविजन शो सभ खातिर फाइनेंस उपलब्ध करावेले।[89]

मिडिया इमेज

हालाँकि, पिंटो स्लमडॉग मिलियनेयर में एक ठो छोटहने रोल कइली, फिलिम में उनके काम के भरपूर पहिचान मिलल।[101][102] मीडिया में उनके रोल आ कमाई के बारे में कइयन बेर अनुमान लगावल गइल।[16][103] मार्च 2009 में, टेलीग्राफ फ्रीडा के सभसे ढेर पेमेंट वाली भारतीय फिलिम एक्ट्रेस के रूप में रिपोट कइलस,[104] हालाँकि, ऊ एह समय तक कौनों भी बॉलीवुड फिलिम में ना लउकल रहली।[105] सीएनएन-आइबीएन उनके "पच्छिम में भारत के बेस्ट एक्सपर्ट" के रूप में बतवलस,[106] जबकि दि टेलीग्राफ (कलकत्ता) इनके भारत से निकलल सभसे बड़ ग्लोबल स्टार बतवलस।[101]

फ्रीडा पिंटो के कैमरा से दूर देखत तस्वीर
गर्ल राइजिंग के परमोशन कार्यक्रम में पिंटो

पिंटो कई बेर कई ठे पत्रिका सभ द्वारा आयोजित फैशन पोल में शामिल भइल बाड़ी।[107][108] साल 2009 में, पीपल के लिस्ट में —"दुनिया के सबसे सुंदर लोग" आ "दुनिया के सबसे बेस्ट पहिनावा वाली औरत" के श्रेणी में पिंटो के जगह मिलल।[109][110] ओही साल, पिंटो वोग के "टॉप टेन सभसे स्टाइलिस्ट औरत" के लिस्ट में शामिल रहली।[111] 2011 में, लॉस एंजेलिस टाइम्स मैगजीन के तइयार कइल लिस्ट "फिलिम जगत के 50 सभसे खूबसूरत औरत" में सामिल होखे वालिन में पिंटो अकेल भारतीय रहली।[112] अगिला बरिस, पीपल पत्रिका इनके "हर उमिर में सभसे खूबसूरत" लोग में शामिल कइलस।[113] उनके आस्क मेन के तइयार कइल पोल आधारित लिस्ट "टॉप 99 सभसे ढेर चाहल जाए वाली औरत" में 2010 से 2012 ले लगातार सामिल कइल गइल।[114][115][116]

2009 में, लोरियाल पैरिस खातिर प्रवक्ता बनावल गइली।[117] दुइ साल बाद, जब ऊ लोरियाल के एक ठो उत्पाद के परचार में लउकली, एक ठो बिबाद हो गइल; ई जाहिर भइल कि पिंटो के मेकप या एडिटिंग के इस्तमाल से ढेर गोर देखावल गइल बा। कंपनी एह बात से इनकार कइलस कि पिंटो के फोटो रीटच कइल गइल रहल।[118][119]

हॉलीवुड के ई पापुलर एक्ट्रेस भारत में बहुत कम जानल जाये वाली कलाकार बाड़ी;[101][120] समालोचक आ बिस्लेशक लोग एह बात के कारण स्लमडॉग मिलियनेयर के एह देस में बिफलता के बतावे ला।[121] भारतीय समाजशास्त्री आशीष नंदी के कहनाम बा कि: "ऊ हमरा पेरिस्कोप के पकड़ में ना आवेली", जबकि पत्रकार ख़ालिद महमूद कहलें: "ऊ मुंबई में कौनों बिसेस [महत्व के बिसय] ना बाड़ी।"[101] भारतीय मीडिया उनके अंग्रेजी आ हिंदी बोले में भटभटाये वाला लहजा के आलोचना कइल आ उनके बॉलीवुड में रोल ना मिले खातिर उनके सँवार होखला के मानल।[16] एह आलोचना सभ के बावजूद, पिंटो के एह बात के श्रेय दिहल गइल बाटे की उनके ऊपर हॉलीवुड में भारतीय के एक्टिंग करे के ठप्पा नइखे लागल, काहें से कि ऊ कई राष्ट्रीयता के लोग के किरदार निभा चुकल बाड़ी।[35][122] हिंदुस्तान टाइम्स के दिहल एक ठो 2012 के इंटरभ्यू में पिंटो बतवली कि ऊ जानबूझ के अइसन रोल से बचे ली जेकरा कारन कौनों एक तरह के ठप्पा लग जाए के खतरा होखे।[123]

फ्रीडा पिंटो "हॉलीवुड के बड़हन बजट वाली ब्लॉकबस्टर" के साथे-साथ "स्मार्ट किसिम के स्वतंत्र फिलिम" सभ में काम करि के आपन कैरियर के बैलेंस कइले रहेली। हॉलीवुड में उनके परफार्मेंस के बारे में पुछले पर उनके जबाब रहल: "हम बस एक ठो कलाकार बनल चाहत रहलीं। एक ठो कलाकार के रूप में, आपके कौनों एक ठो संस्कृति या जातीयता से अपना के सीमित करे के जरूरत नइखे। हम आपन बाँह हर जगह फइलावल चाहत बानी आ हम दुनिया के कौनों भी हिस्सा में फिलिम करे के मोका मिलले पर काम करे खातिर तइयार बानी।"[124]

फिल्मोग्राफी

फिलिम

कुंजी
आगे आवे वाली आगे आवे वाली फिलिम
साल टाइटिल रोल डाइरेक्टर नोट
2008 स्लमडॉग मिलियनेयर लतिका डैनी बॉयल
2010 यू विल मीट अ टाल डार्क स्ट्रेंजर दिया वूडी एलेन
2010 मिराल मिराल जुलियन श्नाबेल
2011 राइज ऑफ़ दी प्लैनेट ऑफ़ एप्स कैरोलिन अरान्हा रूपर्ट वाइट
2011 तृष्णा तृष्णा माइकल विंटरबॉटम
2011 डे ऑफ डी फाल्कन[नोट 2] प्रिंसेस लेल्या जीन-जैकस अनौद
2011 इम्मोर्टल्स फीड्रा तरसेम सिंह
2013 गर्ल राइजिंग वाचक (नैरेटर) रिचार्ड ई॰ रॉबिंस डाकुमेंटरी
2014 डेजर्ट डांसर इलाहे रिचार्ड रेमंड
2015 नाइट ऑफ कप्स हेलेन टेरेंस मलिक
2015 यूनिटी वाचक (नैरेटर) शौन मौंसन डाकुमेंटरी
2015 ब्लंट फोर्स ट्रॉमा कोल्ट केन सांजेल
2017 यामसौंग: मार्च ऑफ दि हालोज dagger गीता साम कोजी हेल वॉइसओवर
एनीमेशन फिलिम
पोस्ट प्रोडक्शन[125][126]
2018 जंगल बुक dagger मेसुआ एंडी सार्किस पोस्ट-प्रोडक्शन[127]
घोषणा बाकी लव सोनिया dagger रश्मि तबरेज नूरानी फिल्मांकन चालू[128][129]

म्यूजिक आ बीडियो में

साल शो परफॉर्मर(लोग) एल्बम
2013 "गोरिल्ला" ब्रूनो मार्स अनऑर्थोडॉक्स ज्यूकबॉक्स

टेलीविजन

साल शो रोल चैनल नोट
2006 फुल सर्किल होस्ट जी इंटरनेशनल एशिया पैसेफिक टाक शो[19]
2015 दि माइंडी प्रोजेक्ट खुद हुलु गेस्ट स्टार[130]

अवार्ड आ नॉमिनेशन

साल अवार्ड श्रेणी काम परिणाम संदर्भ
2009 बाफ्टा अवार्ड्स बेस्ट सपोर्टिंग ऐक्ट्रेस स्लमडॉग मिलियनेयर नामांकन भइल [131]
ब्लैक रील अवार्ड्स बेस्ट एंसेम्बल नामांकन भइल [131]
सेंट्रल ओहायो फिलिम आलोचक एसोसिएशन बेस्ट एंसेम्बल नामांकन भइल [132]
ऍमटीवी मूवी अवार्ड्स बेस्ट ब्रेकथ्रू परफौरमेंस नामांकन भइल [131]
ऍमटीवी मूवी अवार्ड्स बेस्ट किस (देव पटेल के साथ शेयर में) नामांकन भइल [131]
पाम स्प्रिंग्स इंटर्नेशनल फिलिम अवार्ड्स ब्रेकथ्रू परफौरमेंस अवार्ड जीत मिलल [26]
स्क्रीन एक्टर्स गिल्ड अवार्ड्स कौनों मोशन पिक्चर में पात्र द्वारा आउटस्टैंडिंग परफॉरमेंस जीत मिलल [27]
टीन चॉइस अवार्ड्स चॉइस मूवी ऐक्ट्रेस: ड्रामा नामांकन भइल [133]
टीन चॉइस अवार्ड्स टीन चॉइस मूवी फ्रेश फेस (महिला) नामांकन भइल [133]
टीन चॉइस अवार्ड्स चॉइस मूवी लिपलॉक(देव पटेल के साथ शेयर में) नामांकन भइल [133]

नोट

  1. पिंटो अपना पुर्तगाली उपनाँव पर इंटरव्यू (पत्रिका) के बतवली: "हम मंगलोर से हईं, जवन भारत के दक्खिनी हिस्सा में बा, जहाँ बहुत बड़ संख्या में कैथोलिक लोग बा। एह में कुछ लोग के ब्रिटिश आ पुर्तगाली लोग द्वारा जबरदस्ती धर्म बदलवावल गइल। एह तरे ई जरूरी नइखे कि हम [पुर्तगाली] बंसपरंपरा में होखीं। इहो हो सकेला कि हम भारत के एक ठो हिंदू होखीं।"[3]
  2. 2.0 2.1 डे ऑफ दि फाल्कन फिलिम के दूसर नाँव ब्लैक गोल्डओर नोइर भी हऽ।

संदर्भ

  1. लिंद्ज़ी, स्कार्फ़ (2012). "What's now! Parties" [अब का ! पार्टी]. इनस्टाइल (अंग्रेजी में). टाइम इंक॰. p. 108. ISBN 7-09-921064-5.
  2. 2.0 2.1 2.2 "Woman behind success" [सफलता के पाछे औरत]. दि ट्रिब्यून (चंडीगढ़) (अंग्रेजी में). इंडो-एशियन न्यूज सर्विस. 9 मार्च 2009. Archived from the original on 2015-12-08. Retrieved 28 नवंबर 2015.
  3. "Freida Pinto's identity crisis" [फ्रीडा पिंटो के आइडेंटिटी क्राइसिस]. स्टाइलिस्ट (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2016-04-04. Retrieved 24 मार्च 2016.
  4. "Slumdog has done India proud, says Freida's father" [स्लमडॉग भारत के गरब करे लायक [बनवले] बा, फ्रीडा के बाबूजी के कहनाम बा]. डेली न्यूज एंड एनालिसिस (अंग्रेजी में). 23 फरवरी 2009. Archived from the original on 2013-12-03. Retrieved 25 अप्रैल 2013.
  5. ब्लैंक्स, टिम (25 जुलाई 2011). "Freida Pinto" [फ्रीडा पिंटो]. इंटरव्यू (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2013-07-29. Retrieved 7 अप्रैल 2013.
  6. "Freida Pinto wants to undergo DNA test to prove she is Indian" [फ्रीडा पिंटो अपना के भारतीय साबित करे खातिर डीएनए टेस्ट से गुजरल चाहत बाड़ी]. दि डेली टेलीग्राफ (अंग्रेजी में). 25 जुलाई 2011. Archived from the original on 2013-11-05. Retrieved 7 अप्रैल 2013.
  7. 7.0 7.1 डि'मेलो, गैरी (25 नवंबर 2008). "The Newest Star on the Mangalorean Horizon – Freida Pinto" [मंगलोरी क्षितिज पर सबसे नया सितारा - फ्रीडा पिंटो] (अंग्रेजी में). डिजिवल्ड मीडिया. Archived from the original on 2009-04-18. Retrieved 25 नवंबर 2008.
  8. ठाकर, पूर्वी; कात्ज़, ब्राइट (10 अप्रैल 2015). "Freida Pinto opens up about a "crime against a woman's body" in India" [भारत में "कौनों औरत के शरीर के खिलाफ अपराध" पर खुलली फ्रीडा पिंटो]. दि न्यू यॉर्क टाइम्स (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2015-11-18. Retrieved 27 अक्टूबर 2015.
  9. "Freida's secret shoot at Chakala for Holly biggie" [हॉली बिग्गी खातिर चकला में फ्रीडा के सीक्रेट शूटिंग]. मुंबई मिरर (अंग्रेजी में). 16 अप्रैल 2011. Archived from the original on 2015-11-18. Retrieved 13 अक्टूबर 2015.
  10. 10.0 10.1 "Freida Pinto wanted to be a Michael Jackson impersonator" [फ्रीडा पिंटो माइकल जैक्शन के नकल उतारे वाल बनल चाहत रहली]. द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 26 नवंबर 2010. Archived from the original on 2015-12-08. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  11. 11.0 11.1 11.2 रॉय, प्रियंका (2 मार्च 2009). "There's nothing to be so kicked about, girl! it's just luck by chance" [एकरा बारे में बहुत उदग्र होखे के जरूरत ना बा, लड़की [होखल] ! ई एकदम लक बाई चांस बा]. दि टेलिग्राफ (कलकत्ता) (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2015-12-08. Retrieved 28 नवंबर 2015.
  12. 12.0 12.1 12.2 12.3 12.4 12.5 12.6 सुंग, हेलेना. "Destiny's Child" [भाग के लड़की]. ऑडरे (अंग्रेजी में) (फरवरी – मार्च 2009). Archived from the original on 12 जनवरी 2010. Retrieved 29 अप्रैल 2009.
  13. सिल्वा, होरासियो (19 अगस्त 2010). "Out on a Limb" [आउट ऑन ए लिंब]. दि न्यू यॉर्क टाइम्स (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2013-07-04. Retrieved 26 अप्रैल 2013.
  14. रेगो, नॉरबर्ट (21 अक्टूबर 2009). "Unplugged: Freida Pinto" [अनप्लग्ड:फ्रीडा पिंटो]. द टाइम्स ऑफ इंडिया (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2016-10-18. Retrieved 28 नवंबर 2015.
  15. रमानी, नित्या. "It's natural to want to become an actress after living in Mumbai" [मुंबई में रहले के बाद ऐक्ट्रेस बने के बारे में सोचल स्वाभाविक बा] (अंग्रेजी में). रेडिफ.कॉम. Archived from the original on 2013-10-21. Retrieved 16 अप्रैल 2013.
  16. 16.0 16.1 16.2 16.3 रोज़, स्टीव (1 मार्च 2012). "Freida Pinto on being Tess" [टेस बनले पर फ्रीडा पिंटो]. दि गार्जियन (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2016-03-05. Retrieved 30 नवंबर 2015.
  17. 17.0 17.1 ब्लांक्स, टिम (25 जुलाई 2011). "Freida Pinto" [फ्रीडा पिंटो]. इंटरव्यू (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2015-12-08. Retrieved 1 दिसंबर 2015.
  18. "Freida Pinto – Slumdog Millionaire" [फ्रीडा पिंटो - स्लमडॉग मिलियनायर]. दि इकोनॉमिक टाइम्स (अंग्रेजी में). 5 जनवरी 2009. Archived from the original on 2016-04-09. Retrieved 14 अक्टूबर 2015.
  19. 19.0 19.1 19.2 त्जानेली, रोडान्ती (2015). Mobility, Modernity and the Slum: The Real and Virtual Journeys of 'Slumdog Millionaire' [मोबाइलिटी, आधुनिकता आ झोपड़पट्टी:वास्तविक आ वर्चुअल यात्रा "स्लमडॉग मिलियनायर' के] (अंग्रेजी में). रूल्टेज. p. 48. ISBN 978-1-317-43819-9. Retrieved 20 नवंबर 2015.
  20. मार्टिन, माइकल (5 नवंबर 2010). "Freida Pinto" [फ्रीडा पिंटो]. इंटरव्यू (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2013-12-20. Retrieved 17 अप्रैल 2013.
  21. ह्यूबर्ट, एंड्रिया (3 जनवरी 2009). "Desi mates" [देसी साथी लोग]. दि गार्जियन (अंग्रेजी में). Retrieved 20 सितंबर 2015.
  22. ह्यूबर-वारिंग, टोंन्या (2010). Storied Inquiries in International Landscapes: An Anthology of Educational Research [अंतर्राष्ट्रीय परिदृश्य में कहानी के रूप में खोज:शैक्षणिक रिसर्च के एक ठो संग्रह] (अंग्रेजी में). इन्फॉर्मेशन एज पब्लिशिंग. p. 511. ISBN 978-1-60752-395-6. Retrieved 20 नवंबर 2015.
  23. गैंट, चार्ल्स (20 जनवरी 2009). "Slumdog Millionaire is the UK's biggest ever sleeper hit" [स्लमडॉग मिलियनायर यूके के अब तक ले के सभसे बड़ स्लीपर हिट बा]. दि गार्जियन (अंग्रेजी में). Retrieved 29 अक्टूबर 2015.
  24. "Slumdog Millionaire" [स्लमडॉग मिलियनायर] (अंग्रेजी में). बॉक्स ऑफिस मोजो. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  25. एल्सवर्थ, कैथरीन (23 फरवरी 2009). "Oscars 2009: Slumdog Millionaire wins eight Academy Awards including best picture and best director" [2009 के ऑस्कर: स्लमडॉग मिलीयनायर आठ गो एकेडमी अवार्ड जितलस जेह में बेस्ट पिक्चर आ बेस्ट डाइरेक्टर के अवार्ड शामिल बा]. दी डेली टेलीग्राफ (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अक्टूबर 2015.
  26. 26.0 26.1 "Octavia Spencer to Receive Breakthrough Performance Award" [ओक्टोविया स्पेंसर के मिली ब्रेकथ्रू परफार्मेंस अवार्ड] (अंग्रेजी में). पाम स्प्रिंग इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल. 12 जुलाई 2011. Archived from the original on 2016-03-04. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  27. 27.0 27.1 "Slumdog Millionaire bags 2 more US film awards as well as picking up 8 awards at the oscars" [स्लमडॉग मिलियनायर 2 गो अउरी अमेरिकी फिलिम आवार्ड अपना झोरा में डललस आ साथे साथ ऑस्कर में आठ गो अवार्ड उठा ले गइल] (अंग्रेजी में). सीएनएन-आइबीएन. 26 जनवरी 2009. Retrieved 1 फरवरी 2009.
  28. "Film Awards Winners in 2009" [2009 में फिलिम अवार्ड बिजेता] (अंग्रेजी में). ब्रिटिश एकेडेमी ऑफ फिल्म एंड टेलीविजन आर्ट्स (बाफ्टा). Archived from the original on 11 अक्टूबर 2014. Retrieved 25 अप्रैल 2013.
  29. 29.0 29.1 ब्लेयर, इयाइन (4 अगस्त 2011). "Freida Pinto rises up in new 'Planet of the Apes'" [नया 'प्लैनेट ऑफ दि एप्स' में फ्रीडा पिंटो ऊपर उठली] (अंग्रेजी में). रायटर्स. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  30. "Slumdog to stardom: How Freida Pinto has adapted to the demands of fame" [स्लमडॉग से स्टारडम तक:परसिद्धि के माँग के साथे कइसे अपना के बना लेले बाड़ी पिंटो]. द इंडिपेंडेंट (अंग्रेजी में). 13 जुलाई 2011. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  31. स्कॉट, ए॰ ओ॰ (21 सितंबर 2010). "Looking for Something When Life Signifies Nothing" [कुछ की तलाश में जब जिनगी के कुछ मतलब न रहि जाय]. दि न्यू यॉर्क टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 16 अप्रैल 2013.
  32. वर्मा, सुकन्या (17 दिसंबर 2010). "A twisted Woody Allen fairytale!" [वूडी एलेन के ट्विस्ट वाली एक ठो परीकथा] (अंग्रेजी में). रेडिफ.कॉम. Retrieved 16 अप्रैल 2013.
  33. "You Will Meet a Tall Dark Stranger" [यू विल मीट अ टाल डार्क स्ट्रेंजर] (अंग्रेजी में). मेटाक्रिटिक. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  34. "यू विल मीट अ टाल डार्क स्ट्रेंजर (2010)" (अंग्रेजी में). रॉटन टोमैटोज. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  35. 35.0 35.1 35.2 जोशी, तुषार (30 मई 2012). "Freida's freed herself from desi stereotypes" [देसी पहिचान स्टीरियोटाइप से अपना के आजाद करा लिहली फ्रीडा]. द टाइम्स ऑफ इंडिया (अंग्रेजी में). Retrieved 11 सितंबर 2015.
  36. 36.0 36.1 एडम्स, सैम (27 मार्च 2011). "Miral's Freida Pinto aims for a global takeover" [मिराल के फ्रीडा पिंटो बैस्विक स्तर पर कब्जा जमावे के लक्ष्य बनावत बाड़ी]. लॉस एंजेलिस टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 19 सितंबर 2015.
  37. "Miral (2010)" [मिराल (2010)] (अंग्रेजी में). मेटाक्रिटिक. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  38. "Miral (2010)" [मिराल (2010)] (अंग्रेजी में). रॉटन टोमैटोज. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  39. जे पेइस, आर्थर (22 मार्च 2011). "Freida Pinto gets good reviews for Miral" [फ्रीडा पिंटो के मिराल खातिर बढ़ियाँ समीक्षा मिलल] (अंग्रेजी में). रेडिफ.कॉम. Retrieved 22 सितंबर 2015.
  40. मैकनैब, ज्योफ्री (3 सितंबर 2010). "Miral, Venice Film Festival" [मिराल, वेनिस फिलिम फेस्टिवल]. द इंडिपेंडेंट (अंग्रेजी में). Retrieved 19 सितंबर 2015.
  41. ब्रैडशॉ, पीटर (2 दिसंबर 2010). "Miral – review" [मिराल - समीक्षा]. दि गार्जियन (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  42. बगदादी, दानिश (12 जुलाई 2014). "All 8 'The Planet of the Apes' Movies Ranked from Worst to Best" [सगरी आठो 'प्लैनेट ऑफ दि एप्स' फिलिम खराब से नीक ले रैंक अनुसार]. डेली न्यूज एंड एनालिसिस (अंग्रेजी में). Retrieved 11 सितंबर 2015.
  43. "Freida Pinto out of 'Planet of the Apes' sequel" ['प्लैनेट ऑफ दि एप्स' के सीक्वल से बाहर फ्रीडा पिंटो]. मिड डे (अंग्रेजी में). 4 जून 2013. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  44. "Freida Pinto: Worldwide (Unadjusted)" [फ्रीडा पिंटो: बिस्व स्तर पर (बिना अडजस्ट कइल)] (अंग्रेजी में). बॉक्स ऑफिस मोजो. Retrieved 23 मार्च 2016.
  45. क्विन्न, एंथनी (23 अक्टूबर 2011). "Rise of the Planet of the Apes (12A)" [राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ एप्स (12A)]. द इंडिपेंडेंट (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  46. मककार्टी, टॉड (3 अगस्त 2011). "Rise of the Planet of the Apes: Film Review" [राइज ऑफ दि प्लैनेट ऑफ एप्स:फिलिम समीक्षा]. दि हॉलीवुड रिपोर्टर (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  47. 47.0 47.1 फ्रेंच, फिलिप (11 मार्च 2012). "Slumdog Millionaire star Freida Pinto captivates in Michael Winterbottom's bold reading of Hardy's tragedy" [स्लमडॉग मिलियनायर स्टार फ्रीडा पिंटो द्वारा थॉमस हार्डी के ट्रेजडी के माइकल विंटरबॉटम के बोल्ड पाठ पर कब्ज़ा]. दि गार्जियन (अंग्रेजी में). Retrieved 22 फरवरी 2016.
  48. कॉलिन, रॉबी (8 मार्च 2012). "Trishna, review" [तृष्णा, समीक्षा]. दी डेली टेलीग्राफ (अंग्रेजी में). Retrieved 16 अप्रैल 2013.
  49. "Trishna" [तृष्णा] (अंग्रेजी में). मेटाक्रिटिक. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  50. "Trishna (2012)" [तृष्णा (2012)] (अंग्रेजी में). रॉटन टोमैटोज. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  51. बारी, निशात (17 सितंबर 2011). "Freida Pinto: Ticket to Hollywood" [फ्रीडा पिंटो: हॉलीवुड के टिकट]. इंडिया टुडे (अंग्रेजी में). Retrieved 23 मार्च 2016.
  52. एबर्ट, रोजर (17 जुलाई 2012). "Trishna" [तृष्णा] (अंग्रेजी में). rogerebert.com. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  53. दार्गिस, मान्होला (12 जुलाई 2012). "A Little Bollywood Flavors This 'Tess'" [एह 'टेस' में कुछ बॉलीवुड फ्लेवर बा]. दि न्यू यॉर्क टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  54. "Day of The Falcon 2013" [दि डे ऑफ दि फाल्कन 2013] (अंग्रेजी में). रॉटन टोमैटोज. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  55. प्रिंगल, गिल (17 फरवरी 2012). "Freida Pinto: An actress who has the whole world at her feet" [फ्रीडा पिंटो:एक ठो एक्ट्रेस जेकरा कदम में पूरा दुनिया बा]. द इंडिपेंडेंट (अंग्रेजी में). Retrieved 11 सितंबर 2015.
  56. वेबस्टर, एंडी (2 मार्च 2013). "Blood Spills Over Black Gold" [करिया सोना पर खून बहि परल]. दि न्यू यॉर्क टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  57. "Freida Pinto takes on Immortals" [फ्रीडा पिंटो इम्मार्टल्स के सामना करत बाड़ी]. द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 23 जुलाई 2010. Retrieved 25 सितंबर 2010.
  58. "Immortals (2011)" [इम्मोर्टल्स (2011)] (अंग्रेजी में). रॉटन टोमैटोज. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  59. "Immortals" [इम्मोर्टल्स] (अंग्रेजी में). बॉक्स ऑफिस मोजो. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  60. मॅककार्टी, टॉड (10 नवंबर 2011). "Immortals: Film Review" [इम्मोर्टल्स: फिलिम समीक्षा]. दि हॉलीवुड रिपोर्टर (अंग्रेजी में). Retrieved 14 मई 2016.
  61. "Bruno Mars: Gorilla" [ब्रूनों मार्स: गोरिल्ला]. द टाइम्स ऑफ इंडिया (अंग्रेजी में). Retrieved 20 दिसंबर 2015.
  62. गोयल, समर्थ (17 अक्टूबर 2013). "Freida Pinto stuns fans with dirty dancing in Bruno Mars" [फ्रीडा पिंटो ब्रूनो मार्स (के फिलिम) में घटिया डांस से अपना फैन लोग के हतप्रभ कइली]. हिंदुस्तान टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 24 नवंबर 2013.
  63. "Freida Pinto, Anne Hathaway join Girl Rising documentary" [फ्रीडा पिंटो आ एन हैथवे गर्ल राइजिंग दाकुमेंटरी से जुडल लोग]. द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 17 अप्रैल 2013. Retrieved 11 मई 2013.
  64. "Freida Pinto: Dancing diva" [फ्रीडा पिंटो:डांसिंग दिवा]. ख़लीज टाइम्स (अंग्रेजी में). 7 फरवरी 2015. Archived from the original on 2016-03-05. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  65. 65.0 65.1 वेबस्टर, एंडी (9 अप्रैल 2015). "Review: 'Desert Dancer' Tells the Story of the Afshin Ghaffarian" [समीक्षा: 'डेजर्ट डांसर' बतावत बा अफ़शीं ग़फ़ारियाँ के कहानी]. दि न्यू यॉर्क टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 30 नवंबर 2015.
  66. जोशी, प्रिया (13 अक्टूबर 2012). "Freida Pinto: Dance training for Desert Dancer was daunting" [फ्रीडा पिंटो: डेजर्ट डांसर खातिर डांस ट्रेनिंग डेरवावे वाली रहल] (अंग्रेजी में). डिजिटल स्पाई. Retrieved 16 अप्रैल 2013.
  67. "Freida Pinto goes to rehab for her next role" [अपना अगिला रोल खातिर रिहैब (नशा मुक्ति के जगह) गइली फ्रीडा पिंटो]. इंडिया टुडे (अंग्रेजी में). 6 जून 2014. Retrieved 22 फरवरी 2016.
  68. "डेज़र्ट डांसर (2014)" (अंग्रेजी में). मेटाक्रिटिक. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  69. "डेज़र्ट डांसर (2014)" (अंग्रेजी में). रॉटन टोमैटोज. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  70. ओ'फाल्ट, क्रिस (3 सितंबर 2014). "The Lowdown on Terrence Malick's Three New Films" [टेंरेंस मलिक के तीन गो फिलिम के नीचे]. दि हॉलीवुड रिपोर्टर (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  71. मैकगवर्न, जो (3 मार्च 2016). "Wes Bentley discusses Knight of Cups and the Terrence Malick experience" [नाइट ऑफ कप्स आ टेरेंस मलिक के साथ अनुभव पर चर्चा कइली वेस बेंटली]. एंटरटेनमेंट वीकली (अंग्रेजी में). Retrieved 23 मार्च 2016.
  72. ब्रैडशॉ, पीटर (8 फरवरी 2015). "Knight of Cups review: Malick's back! With the least interesting spiritual crisis in history" [नाइट ऑफ कप्स समीक्षा:मलिक के वापसी! इतिहास में सभसे कम रुचे लायक आध्यात्मिक क्राइसिस के साथ]. दि गार्जियन (अंग्रेजी में). Retrieved 23 मार्च 2016.
  73. 73.0 73.1 "Freida Pinto Filmed Knight of Cups Without a Script. She Had 'Fun'" (अंग्रेजी में). एनडीटीवी. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस. 17 मार्च 2016. Retrieved 23 मार्च 2016.
  74. "Programme 2015" (अंग्रेजी में). बर्लिन इंटरनेशनल फिलिम फेस्टिवल. Retrieved 27 अक्टूबर 2015.
  75. Sexton, David (13 फरवरी 2015). "Berlin Film Festival: Knight of Cups – film review: Christian Bale, Cate Blanchett and Natalie Portman star in Terrence Malick's latest". लंदन इवनिंग स्टैंडर्ड (अंग्रेजी में). Retrieved 11 सितंबर 2015.
  76. "Knight of Cups" (अंग्रेजी में). रॉटन टोमैटोज. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  77. "Knight of Cups reviews" (अंग्रेजी में). मेटाक्रिटिक. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  78. मैकनारी, डेव (23 जुलाई 2015). "Christian Bale's 'Knight of Cups' Gets मार्च Release Date". वेरायटी (अंग्रेजी में). Retrieved 21 मई 2016.
  79. मॅकनरी, डेव (22 अप्रैल 2015). "Documentary 'Unity' Set for Aug. 12 Release with 100 Star Narrators". वेरायटी (अंग्रेजी में). Retrieved 11 सितंबर 2015.
  80. McNary, Dave (31 अक्टूबर 2014). "AFM: Ryan Kwanten-Mickey Rourke's 'Blunt Force Trauma' Heads to Voltage". वेरायटी (अंग्रेजी में). Retrieved 21 फरवरी 2016.
  81. डिफोर, जॉन (8 सितंबर 2015). "'Blunt Force Trauma': Montreal Review" ['ब्लंट फ़ोर्स ट्रॉमा':मॉन्ट्रियल रिव्यू]. दि हॉलीवुड रिपोर्टर (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  82. "Freida Pinto reunites with Andy Serkis for Jungle Book: Origins". द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 9 मई 2015. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  83. मर्फी, डेजायरी (3 मार्च 2016). "EXCLUSIVE: Freida Pinto Reveals the Role She's Playing in 'Jungle Book: Origins'". एंटरटेनमेंट टुनाइट (अंग्रेजी में). Retrieved 20 जुलाई 2016.
  84. 84.0 84.1 Wloszczyna, Susan (29 मार्च 2011). "Freida Pinto, Dev Patel: Like something out of a movie". यूऍसए टुडे (अंग्रेजी में). Retrieved 26 फरवरी 2012.
  85. "Freida Pinto defies expectation for 'Dancer'". यूएसए टुडे (अंग्रेजी में). 7 अप्रैल 2015. Retrieved 29 नवंबर 2015.
  86. "I carry my life in suitcases: Freida Pinto" (अंग्रेजी में). एनडीटीवी. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस. 11 नवंबर 2010. Archived from the original on 2016-03-04. Retrieved 30 नवंबर 2015.
  87. "Freida Pinto: Dev Patel And I Are Still Best Friends" (अंग्रेजी में). एनडीटीवी. 10 अप्रैल 2015. Retrieved 27 अक्टूबर 2015.
  88. "Feminism is misunderstood: Freida Pinto". द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 2 दिसंबर 2014. Retrieved 23 मार्च 2016.
  89. 89.0 89.1 "Freida Pinto turns producer for women empowerment shows and films" (अंग्रेजी में). बॉलीवुड हंगामा. 26 फरवरी 2016. Retrieved 23 मार्च 2016.
  90. श्रीवास्तव, प्रियंका (19 जून 2013). "Freida roots for girl rising". इंडिया टुडे (अंग्रेजी में). Retrieved 23 मार्च 2016.
  91. Ramsden, Tracy (20 जुलाई 2014). "Exclusive: Freida Pinto Talks Feminism, Fame And Angelina Jolie". मैरी क्लेयर (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2016-04-04. Retrieved 23 मार्च 2016.
  92. "Freida joins forces with William to raise money for Agassi's charity" (अंग्रेजी में). जी न्यूज. 13 अक्टूबर 2010. Retrieved 30 नवंबर 2015.
  93. Ganguly, Prithwish (30 सितंबर 2010). "Freida the ace in Agassi-Steffi game". दि टाइम्स ऑफ इंडिया (अंग्रेजी में). Retrieved 25 अप्रैल 2013.
  94. "Freida Pinto bats for girl empowerment in Ethiopia" (अंग्रेजी में). एनडीटीवी. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस. 2 जून 2013. Retrieved 4 दिसंबर 2015.
  95. "Because I am a girl" (अंग्रेजी में). प्लान (सहयोग संस्था). Retrieved 4 दिसंबर 2015.
  96. Karmali, Sarah (16 अप्रैल 2013). "Blake Lively and Halle Berry Join Gucci's Chime For Change". वोग (पत्रिका) (अंग्रेजी में). Retrieved 22 अप्रैल 2013.
  97. Bhattacharya, Roshmila (2 जुलाई 2014). "Freida Pinto speaks up for girls". द टाइम्स ऑफ इंडिया (अंग्रेजी में). Retrieved 27 अक्टूबर 2015.
  98. "India's Daughter' gets support from Meryl Streep, Freida Pinto". द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 8 मार्च 2015. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  99. "Freida Pinto: India should show banned BBC rape documentary". दी डेली टेलीग्राफ (अंग्रेजी में). 10 मार्च 2015. Retrieved 29 अक्टूबर 2015.
  100. "India's Daughter documentary receives star-studded premiere in US". दि गार्जियन (अंग्रेजी में). एसोशियेटेड प्रेस. 10 मार्च 2015. Retrieved 22 फरवरी 2016.
  101. 101.0 101.1 101.2 101.3 Ramachandran, S. (6 नवंबर 2011). "The star India doesn't want". दि टेलीग्राफ (कलकत्ता) (अंग्रेजी में). Retrieved 23 मार्च 2016.
  102. "Proud to see India's representation in Hollywood". द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 13 मार्च 2016. Retrieved 24 मार्च 2016.
  103. "'I am not famous in India'" (अंग्रेजी में). रेडिफ.कॉम. 23 अगस्त 2010. Retrieved 25 मार्च 2016.
  104. नेल्सन, डीन (26 मार्च 2009). "Slumdog Millionaire star Freida Pinto is Bollywood top earner". दि डेली टेलीग्राफ (अंग्रेजी में). Retrieved 20 अक्टूबर 2009.
  105. Stein, Ruthe (8 जुलाई 2012). "Freida Pinto follows 'Slumdog' with 'Trishna'". सैन फ्रांसिस्को क्रॉनिकल (अंग्रेजी में). Retrieved 29 अक्टूबर 2015.
  106. "India's best export to [the] West" "I always dream big: Freida Pinto" (अंग्रेजी में). सीएनएन-आइबीएन. 30 नवंबर 2011. Retrieved 25 मार्च 2016.
  107. "Freida Pinto is 'unrecognisable' in Mumbai slums" [फ्रीडा पिंटो मुंबई के झोपड़पट्टी में "न पहिचाने जाए लायक" बाड़ी]. दक्कन हेराल्ड (अंग्रेजी में). प्रेस ट्रस्ट ऑफ इंडिया. 13 दिसंबर 2010. Retrieved 27 अक्टूबर 2015.
  108. तुलस्यान, रुचिका (30 मार्च 2011). "Freida Pinto: Why Is She A Glamour 'Goddess'?". फ़ोर्ब्स (अंग्रेजी में). Retrieved 20 सितंबर 2015.
  109. "Sneak Peek: World's Most Beautiful People" [स्नीक पीक:दुनिया के सभसे खूबसूरत लोग]. पीपल (पत्रिका) (अंग्रेजी में). Retrieved 15 अगस्त 2009.
  110. "Freida Pinto, Winslet in People's best dressed list". डेली न्यूज एंड एनालिसिस (अंग्रेजी में). 17 सितंबर 2009. Retrieved 25 अप्रैल 2013.
  111. ""Stylish" Pinto in Vogue's top 10 list!" ["स्टाइलिस" पिंटो वोग के टॉप 10 लिस्ट में!]. हिंदुस्तान टाइम्स (अंग्रेजी में). 24 दिसंबर 2009. Retrieved 25 अप्रैल 2013.
  112. "Freida Pinto more beautiful than Pretty Woman!" (अंग्रेजी में). रेडिफ.कॉम. 10 फरवरी 2011. Retrieved 22 जुलाई 2015.
  113. Quan, Karen J. (20 अप्रैल 2012). "2012 Most Beautiful at Every Age – Freida Pinto". पीपल (पत्रिका) (अंग्रेजी में). Retrieved 25 अप्रैल 2012.
  114. "Why She's No.50" (अंग्रेजी में). आस्कमेन. Archived from the original on 15 जनवरी 2010. Retrieved 25 अप्रैल 2013.
  115. "Blake Lively Emerges as the Most Desirable Woman of 2011 According to AskMen's 10th Annual Poll" (अंग्रेजी में). पीआर न्यूजवायर. 1 फरवरी 2011. Retrieved 22 जुलाई 2015.
  116. "Sofia Vergara Claims the Title of The Most Desirable Woman of 2012 According to AskMen's 11th Annual Poll" (अंग्रेजी में). पीआर न्यूजवायर. 31 जनवरी 2012. Retrieved 22 जुलाई 2015.
  117. निवेन, लिसा (30 अक्टूबर 2013). "Blake Lively's Worth It". वोग (ब्रिटिश पत्रिका) (अंग्रेजी में). Retrieved 29 नवंबर 2015.
  118. "Freida Pinto's 'lighter' skin tone was not altered, says L'Oreal". दि फाइनेंशियल एक्सप्रेस (भारत) (अंग्रेजी में). 29 सितंबर 2011. Retrieved 17 अप्रैल 2013.
  119. रॉय, अमित (29 सितंबर 2011). "Freida fairer? Not fair – L'Oreal denies buzz that actor's skin-tone was lightened in ad". दि टेलीग्राफ (कलकत्ता) (अंग्रेजी में). Retrieved 20 सितंबर 2015.
  120. रामचंद्रन, नमन (26 अगस्त 2011). "The curious case of Freida Pinto". सीएनएन (अंग्रेजी में). Retrieved 21 मई 2016.
  121. "I can find my place in Bollywood now: Freida Pinto". द इंडियन एक्सप्रेस (अंग्रेजी में). 16 मार्च 2013. Retrieved 17 अप्रैल 2013.
  122. "Stereotyping a lesser evil in Indian cinema: Freida Pinto". इंडिया टुडे (अंग्रेजी में). 5 अप्रैल 2013. Retrieved 11 सितंबर 2015.
  123. नायर सिंह, अँजुरी (18 दिसंबर 2014). "Freida won't play girl who wears sari, bindi". हिंदुस्तान टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 7 दिसंबर 2015.
  124. गुहा, अनिरुद्ध (20 अगस्त 2011). "What's ethnicity got to do with bagging Hollywood films? asks Freida Pinto". डेली न्यूज एंड एनालिसिस (अंग्रेजी में). Retrieved 25 मार्च 2016.
  125. Trivedi, Sachin (28 जुलाई 2015). "'The Mindy Project' Season 4: Freida Pinto To Date Danny; 'Dancing with the Stars' Brooke Burke Playing Herself". इंटरनेशनल बिजनेस टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 13 अक्टूबर 2015.
  126. "Interview: Sam Koji Hale on His Upcoming All-Puppet Feature Film Yamasong: मार्च of the Hollows". ऍसऍफ़ सिग्नल (अंग्रेजी में). 12 मई 2015. Retrieved 18 अक्टूबर 2016.[मुर्दा कड़ी]
  127. डोरन, सारा (8 मार्च 2016). "Freida Pinto to play two roles in Andy Serkis's Jungle Book movie". रेडियो टाइम्स (अंग्रेजी में). Retrieved 18 अक्टूबर 2016.
  128. झा, सुभाष के (23 मई 2016). "How Freida Pinto managed to shoot on Mumbai roads for an upcoming film" [आगे आवे वाली फिलिम खातिर मुंबई के सड़क पर कइसे शूटिंग करल मैनेज कइली फ्रीडा पिंटो]. डेली न्यूज एंड एनालिसिस (अंग्रेजी में). Retrieved 23 मई 2016.
  129. "From Freida Pinto and Richa Chadha to Demi Moore and Rajkummar Rao – Meet the cast of 'Love Sonia'" [फ्रीडा पिंटो आ ऋचा चड्ढा से ले के डेमी मूर आ राजकुमार तक - मिलीं 'लव सोनिया' के कलाकार लोग से]. ClapsnSlaps (अंग्रेजी में). 18 जुलाई 2016. Archived from the original on 2016-10-20. Retrieved 18 अक्टूबर 2016.
  130. गार्बर, मीगन (15 सितंबर 2015). "The Mindy Projection" [दिमागदार पूर्वकथन]. दि अटलांटिक (अंग्रेजी में). Retrieved 19 सितंबर 2015.
  131. 131.0 131.1 131.2 131.3 "Freida Pinto's 'Trishna' to Premier at Toronto Film Festival" [फ्रीडा पिंटो के तृष्णा' के प्रीमियर टोरंटो फिलिम फेस्टिवल में होखे वाला बा] (अंग्रेजी में). डिजिवल्ड मीडिया. 2 अगस्त 2011. Retrieved 11 सितंबर 2015. {{cite web}}: line feed character in |trans-title= at position 17 (help)
  132. "Awards: 2008" [अवार्ड्स: 2008] (अंग्रेजी में). सेंट्रल ओहायो फिलिम आलोचक एसोसिएशन. Retrieved 21 मई 2016.
  133. 133.0 133.1 133.2 "Teen Choice Awards 2009 nominees" [टीन च्वाइस अवार्ड 2009 उमीदवार]. लॉस एंजेलिस टाइम्स (अंग्रेजी में). 15 जून 2009. Retrieved 11 सितंबर 2015.