Jump to content

द इंडियन एक्सप्रेस

विकिपीडिया से
The Indian Express
प्रकारदैनिक अख़बार
फॉरमैटब्रॉडशीट
मालिकइंडियन एक्सप्रेस समूह
मुख्य-संपादकराज कमल झा[1]
स्थापना1931
भाषाअंग्रेजी
मुख्यालयB1/B, एक्सप्रेस बिल्डिंग, सेक्टर 10, नोएडा, उत्तर प्रदेश, भारत
OCLC नंबर70274541
वेबसाइटwww.indianexpress.com

द इंडियन एक्सप्रेस अंग्रेजी भाषा में छपे वाला, दैनिक, भारतीय अखबार बा। ई एक्सप्रेस समूह द्वारा छापल जाला आ पहिले एकर मुख्यालय बंबई में रहल जे अब उत्तर प्रदेश के नोएडा में शिफ्ट हो गइल बा। मुंबई के अलावे ई अउरी नौ जगहन से छपे ला। एकरे संस्थापक रामनाथ गोयनका के निधन के बाद बँटवारा भइल आ दक्खिनी संस्करण अब दि न्यू इंडियन एक्सप्रेस के नाँव से छपे ला जबकि उत्तरी संस्करण, जेकर नांव पहिले खाली "इंडियन एक्सप्रेस" रहल, अब "'द इंडियन एक्सप्रेस" के नांव से छपे लागल बा।

भारतीय छापा मीडिया में एकरा सम्मानित जगह बा। एकर हिंदी साथी अखबार जनसत्ता हवे।