स्लमडॉग मिलियनायर

विकिपीडिया से
Slumdog Millionaire
डाइरेक्टरडैनी बॉयल
प्रोड्यूसरक्रिश्चियन कोल्सन
स्क्रीनप्लेसाइमन ब्यूफॉय
आधारQ & A
by विकास स्वरुप
कलाकार
संगीतकारए॰ आर॰ रहमान
सिनेमैटोग्राफीएंथनी डॉड मेंटल
संपादकक्रिस डिकेंस
प्रोडक्शन
कंपनी
डिस्ट्रीब्यूटर
रिलीज के तारीख
लंबाई (समय)
120 मिनट
देसयूनाइटेड किंगडम[1][2][3]
भाषाअंग्रेजी
बजट$15 मिलियन
बॉक्स ऑफिस$377.9 मिलियन

स्लमडॉग मिलियनायर एक ठो ब्रिटिश ड्रामा फिलिम बा जवन सन् 2008 में रिलीज भइल आ एकर डाइरेक्टर डैनी बॉयल रहलें। फिलिम के कहानी भारतीय माहौल में सेट रहल आ एकर ज्यादातर शूटिंग भी भारते में भइल। कहानी, भारतीय अंग्रेजी लेखक विकास स्वरुप के उपन्यास क्यू & ए पर आधारित रहल। ई मुंबई के झोपड़पट्टी में पैदा भइल, एक ठो अठारह बरिस के जमाल (देव पटेल एकर पाट कइलेन) नाँव के लइका के कहानी रहल। फिलिम में जमाल के भारतीय टीवी शो "कौन बनेगा करोड़पति" में हर कदम पर सही जबाब दे के बिजेता बनले के बाद धोखाधड़ी के आरोप में पकड़ लिहल जात बा, ऊ आपन जीवन के इतिहास इयाद करत बाने की कइसे ऊ हर सवाल के सही जबाब जानत रहलें।[4]

फिलिम के कहानी, साउंडट्रैक आ डाईरेक्शन खातिर काफी तारीफ मिलल आ एकरा के स्लीपर हिट के दर्जा दिहल गइल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Slumdog Millionaire (2008)". स्क्रीन इंटरनेशनल. 6 सितंबर 2008.
  2. "Slumdog Millionaire (2008)". ब्रिटिश फिलिम इंस्टीट्यूट.
  3. "Slumdog Millionaire". दि गार्जियन.
  4. दि न्यू यॉर्क टाइम्स (11 नवंबर 2008). "Danny Boyle's "Slumdog Millionaire" Captures Mumbai, a City of Extremes - NYTimes". सोमिनी सेनगुप्ता.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]