ट्रिपल सी
ट्रिपल सी (अंग्रेजी: CCC), पूरा नाँव कोर्स ऑन कंप्यूटर कॉन्सेप्ट्स (Course on Computer Concepts) एगो कंप्यूटर कोर्स हवे जे भारत में 'राष्ट्रीय इलेक्ट्रॉनिकी आ इन्फार्मेशन टेक्नालॉजी इंस्टिट्यूट' (NIELIT) द्वारा चलावल जाला। ई कोर्स 2 हप्ता के होला आ आम लोगन खाती इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी (IT) के जानकारी देवे खातिर डिजाइन कइल गइल हवे। एह तरीका के आम जानकारी के अलावा एकर उपयोग कंपटीशन एक्जाम सभ में भी बाटे आ कई अइसन नोकरी वाला परीक्षा बाड़ी स जिनहन में ट्रिपल सी पास होखल माँगल जाला।
कोर्स ऑफलाइन आ ऑनलाइन दुनों तरीका से उपलब्ध बाटे आ हर महीना एकर परीक्षा करावल जाला जेह में परीक्षार्थी के 90 मिनट में 100 गो सवालन के जबाब देवे के होला।
आउटकम
[संपादन करीं]कोर्स पूरा कइला के बाद कंप्यूटर के इस्तेमाल से अपना सर्विस/बिजनेस में चिट्ठी-पतरी तइयार करे, इंटरनेट (वेब) पर जानकारी देखे, ईमेल पावे आ भेजे, आपन बिजनेस प्रेजेंटेशन तइयार करे, छोट डाटाबेस तइयार करे नियर चीजन के बेसिक मकसद पूरा करे में सक्षम हो सके ला। ई छोट बिजनेस कम्युनिटी, गृहिणी नियन लोगन के कंप्यूटर के इस्तेमाल से आपन छोट खाता बनावे में मदद करेला आ सूचना प्रौद्योगिकी के दुनिया के आनंद उठावे में सक्षम बनावे ला। एही से ई कोर्स थियरी की बजाय प्रैक्टिकल पर बेसी जोर दे के बनावल गइल हवे।
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- NIELIT के इस्टूडेंट पोर्टल, जहाँ कोर्स के जानकारी हासिल कइल जा सके ला आ रजिस्ट्रेशन करावल जा सके ला।
ई लेख शिक्षा आ पढ़ाई से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई कंप्यूटर बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |