इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी

विकिपीडिया से

इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी (अंग्रेजी: information technology; हिंदी: सूचना प्रौद्योगिकी), संछेप में आईटी (IT) कंप्यूटर सभ के इस्तेमाल से हर तरह के डेटाजानकारी के निर्माण, प्रोसेसिंग, स्टोर, रिट्रीव आ एक्सचेंज कइल जाला। आईटी खुद इन्फॉर्मेशन आ कम्युनिकेशन टेक्नोलॉजी (आईसीटी) के हिस्सा हवे। इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी सिस्टम (आईटी सिस्टम) आमतौर पर इन्फॉर्मेशन सिस्टम, कम्युनिकेशन सिस्टम भा अउरी बिसेस रूप से कहल जाय तब कंप्यूटर सिस्टम होला — जेह में हार्डवेयर, सॉफ्टवेयर आ पेरिफेरल उपकरण सामिल होखे लें — जे आईटी प्रयोगकर्ता लोग के सीमित समूह द्वारा संचालित होला, आ कौनों आईटी प्रोजेक्ट आमतौर पर आईटी सिस्टम के कमीशनिंग आ लागू करे के कहल जाला।