Jump to content

जानकारी

विकिपीडिया से
आस्की कोड में "Wikipedia" शब्द के बाइनरी सिस्टम में लिखल गइल बा। कंप्यूटर सगरी जानकारी अइसने तारीक से पढ़े ला।

जानकारी भा सूचना (अंग्रेजी: information; इन्फॉर्मेशन) कौनों चीज या घटना के बारे में कौनों तथ्य हवे जवन केहू द्वारा बतावल जाय, या कौनों अध्ययन, परीक्षण भा ऑब्जरवेशन से प्राप्त कइल जाय। दुसरे शब्द में, तथ्य के रूप में जवना के जानल जाय, अइसन ज्ञान के जानकारी कहल जाला।[1] जानकारी हमेशा कौनों प्रश्न के सटीक उत्तर के रूप में होला, आ तथ्यात्मक होला।

एही कारण, जानकारी के संबंध आँकड़ा आ ज्ञान दुनों से बा; आँकड़ा कौनों चीज के लच्छन सभ के बारे में एकट्ठा कइल जानकारी भा सूचना सभ के भंडार हवे; ज्ञान, वास्तविकता के समझ हवे जेह में जानकारी मददगार होले।

हिंदी के सूचना शब्द के इस्तमाल अंग्रेजी के इनफार्मेशननोटिस दुनों खातिर होला। एही से अंग्रेजी शब्द इनफार्मेशन टेक्नोलॉजी के अनुवाद सूचना टेक्नोलॉजी भी कइल जाला। इन्फार्मेशन टेक्नोलॉजी आधुनिक समय के बिधा बा जे कंप्यूटर द्वारा आँकड़ा, यानि कि जानकारी के ढेर, के ब्यवस्थित करे आ बिस्लेषण करे के कामे आवे ले।


इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. इनफार्मेशन, परिभाषा. मरियम वेबस्टर डिक्शनरी. (अंग्रेजी में)