Jump to content

ट्रिपल सी

विकिपीडिया से

ट्रिपल सी (CCC), पूरा नाँव कोर्स ऑन कंप्यूटर कॉन्सेप्ट्स (Course on Computer Concepts) एगो कंप्यूटर कोर्स हवे जे भारत में 'राष्ट्रीय इलेक्ट्रॉनिकी आ इन्फार्मेशन टेक्नालॉजी इंस्टिट्यूट' (NIELIT) द्वारा चलावल जाला। ई कोर्स 2 हप्ता के होला आ आम लोगन खाती इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी (IT) के जानकारी देवे खातिर डिजाइन कइल गइल हवे। एह तरीका के आम जानकारी के अलावा एकर उपयोग कंपटीशन एक्जाम सभ में भी बाटे आ कई अइसन नोकरी वाला परीक्षा बाड़ी स जिनहन में CCC परीक्षा पास होखल माँगल जाला।

कोर्स ऑफलाइन आ ऑनलाइन (बीडियो लेक्चर के माध्यम से) दुनों तरीका से उपलब्ध बाटे आ हर महीना एकर परीक्षा (इंतिहान) करावल जाला जेह में परीक्षार्थी के 90 मिनट में 100 गो सवालन के जबाब देवे के होला।

कोर्स पूरा कइला के बाद कंप्यूटर के इस्तेमाल से अपना सर्विस/बिजनेस में चिट्ठी-पतरी तइयार करे, इंटरनेट (वेब) पर जानकारी देखे, ईमेल पावे आ भेजे, आपन बिजनेस प्रेजेंटेशन तइयार करे, छोट डाटाबेस तइयार करे नियर चीजन के बेसिक मकसद पूरा करे में सक्षम हो सके ला। ई छोट बिजनेस कम्युनिटी, गृहिणी नियन लोगन के कंप्यूटर के इस्तेमाल से आपन छोट खाता बनावे में मदद करेला आ इनफार्मेशन टेक्नोलॉजी के दुनिया के आनंद उठावे में सक्षम बनावे ला। एही से ई कोर्स थियरी की बजाय प्रेटीकल पर बेसी जोर दे के बनावल गइल हवे।

सरकार के रवैया

[संपादन करीं]

कई राज्यन के सरकार एह कोर्स के परमोशन करें लीं। उदाहरण खाती उत्तर प्रदेश सरकार साल 2024-25 में एह ट्रिपल सी कोर्स आ 'ओ लेवल' कोर्स के फिरी में पढ़ावे के घोषणा कइलस।[1][2] उत्तर प्रदेश के सरकार कुछ नोकरी खाती एह कोर्स के अनिवार्य क चुकल बाटे, जइसे की ग्राम बिकास अधिकारी (वी.डी.ओ.) आ सहायक विकास अधिकारी।[3]


इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "ओ लेवल और ट्रिपल सी की कंप्यूटर ट्रेनिंग फ्री में देगी यूपी सरकार, इसी महीने शुरू होंगे आवेदन - UP government provide O level and triple C computer training for free to Backward Class Students". दैनिक जागरण (Hindi में). Retrieved 26 जुलाई 2026.
  2. Bharat, E. T. V. (5 अक्टूबर 2024). "ओ लेवल और ट्रिपल सी कम्प्यूटर ट्रेनिंग फ्री में देगी यूपी सरकार - computer training scheme". ईटीवी भारत न्यूज (Hindi में). Retrieved 26 जुलाई 2026.
  3. "वीडीओ के पदों पर भर्ती को ट्रिपल सी सर्टिफिकेट जरूरी". दैनिक हिन्दुस्तान (Hindi में). 20 जून 2025. Retrieved 26 जुलाई 2026.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]